जूनियर निरहूआ के एक्शन अवतार

भोजपुरी सिनेमा के यंग आ रोमांटिक स्टार प्रवेश लाल यादव उर्फ जूनियर निरहुआ अब भोजपुरी फिल्म “राजा के रानी से प्यार हो गइल” में अपना एक्शन अवतार में सामने आ रहल बाड़न. “चलनी के चालल दुलहा” से अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत करे वाला प्रवेश लाल हालही में रिलीज सुपर डुपर हिट फिल्म “दुश्मनी” में रोमांटिक भूमिका में बाड़न. बाकिर अब “राजा के रानी से प्यार हो गइल” में प्रवेश के शानदार एक्शन देखे के मिले जा रहल बा जवन दर्शकन के सीनियर निरहुआ के एक्शन याद करा दी. निर्माता निर्देशक स्वप्नदीप आ निर्देशक शैलेश पाण्डेय के एह फिल्म में जूनियर निरहुआ के दू गो नायिका बाड़ी, शुभी शर्मा आ मेघा घोष.
(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..