जून में रिलीज होखी "बिहारी रिक्शावाला"

BihariRikshawala-posterसिनेमा भोजपुरी के बहुचर्चित फिलिम “बिहारी रिक्शावाला” प्रदर्शन ला तइयार बा आ जून में बिहार के सिनेमाघरन में देखावल जाई. बिहारी रिक्शावाला बनल विनय आनन्द के कहना बा कि फिलिम दर्शकन के पसंद ध्यान में राखत बनावल गइल बा आ एकर संगीत बहुते बढ़िया बा. एह फिलिम में विनय आनन्द के जबरदस्त एक्शन आ इमोशन देखे के मिली.

एगो मुस्लिम नेता के बेटी के भूमिका में फिलिम के नायिका अंजना सिंह संगे विनय आनन्द के प्यार कइसे राजनीति के शिकार हो जात बा, इहे एह फिलिम के सार बा.

फिलिम के शूटिंग डेहरी आन सोन में भइल बा.

बैनर कबीर – फिल्म इंटरटेनमेंट
निर्माता – अंशुल गुप्ता
निर्देशक – अविनाश त्रिपाठी
सह निर्माता – रोहित लाधा
कहानी – अविनाश त्रिपाठी आ सत्येन्द्र गुप्ता
पटकथा आ संवाद – अरविन्द तिवारी

मुख्य कलाकार – विनय आनंद, अंजना सिंह, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, किरण यादव, सतेन्द्र गुप्ता, श्रद्धा नवल, नेहा मेहता, शिल्पी शुक्ल, बबलू खान, दिनेश राय , श्रुति दुबे आ संजय पांडे.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..