जून में रिलीज होखी "बिहारी रिक्शावाला"

BihariRikshawala-posterसिनेमा भोजपुरी के बहुचर्चित फिलिम “बिहारी रिक्शावाला” प्रदर्शन ला तइयार बा आ जून में बिहार के सिनेमाघरन में देखावल जाई. बिहारी रिक्शावाला बनल विनय आनन्द के कहना बा कि फिलिम दर्शकन के पसंद ध्यान में राखत बनावल गइल बा आ एकर संगीत बहुते बढ़िया बा. एह फिलिम में विनय आनन्द के जबरदस्त एक्शन आ इमोशन देखे के मिली.

एगो मुस्लिम नेता के बेटी के भूमिका में फिलिम के नायिका अंजना सिंह संगे विनय आनन्द के प्यार कइसे राजनीति के शिकार हो जात बा, इहे एह फिलिम के सार बा.

फिलिम के शूटिंग डेहरी आन सोन में भइल बा.

बैनर कबीर – फिल्म इंटरटेनमेंट
निर्माता – अंशुल गुप्ता
निर्देशक – अविनाश त्रिपाठी
सह निर्माता – रोहित लाधा
कहानी – अविनाश त्रिपाठी आ सत्येन्द्र गुप्ता
पटकथा आ संवाद – अरविन्द तिवारी

मुख्य कलाकार – विनय आनंद, अंजना सिंह, मनोज टाईगर, आनंद मोहन, किरण यादव, सतेन्द्र गुप्ता, श्रद्धा नवल, नेहा मेहता, शिल्पी शुक्ल, बबलू खान, दिनेश राय , श्रुति दुबे आ संजय पांडे.


(उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।