जेकरा चलते बिहार में आग लाग गइल ऊ त…

प्रशांत नाम के जवना लड़िका के मौत के मामिला ले के मधुबनी में बवाल शुरू भइल, बाद में पुलिस फायरिंग में दू आदमी के मौत हो गइल ऊ लड़िका अपना महबूबा का साथे दिल्ली में मिलल. दुनु मधुबनी से भाग के दिल्ली चहुँपल रहलें आ एगो चाय का दुकान पर मैँथिली में बतियावत सुन एगो आदमी ओह लोग से बतियवलसि त मालूम भइल कि इहे प्रशांत ह. ऊ आदमी तब पुलिस बोलवा लिहलसि आ प्रशांत आ ओकरा महबूबा के पुलिस ले के चल गइल. दुनु के कवनो सुरक्षित जगहा राखल गइल बा.

अब मुख्यमंत्री नीतीश लालू प्रसाद आ रामविलास पासवान से आपन गलती सकारे आ बिहार से माफी माँगे के कहले बाड़न.
पूरा खबर पढ़ी

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..