‘जोरू के गुलाम’ पंकज केसरी

pankaj-kesri-jkgपंकज केसरी अपना अगिला भोजपुरी फिलिम में ‘जोरू के गुलाम’ बनल नजर अइहें. निर्माता करूणेश कश्यप क शैला इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एह फिलिम ‘जोरू के गुलाम’ में देखावल गइल बा कि मरद मेहरारू एके जिनिगी के दू गो पहिया हउवें. जिनिगी के गाड़ी सही चले एहला जरूरी होला कि एक पहिया में डिफरेंसियल लागल रहे जवन दोसरा का हिसाब से अपना के एडजस्ट कर लेव. जब दुनु पहिया का बीच सही तालमेल बइठी तबहिए जीवन का पटरी पर जिनिगी के गाड़ी बिना रुकावत बढ़त जाई.

समाज में जवना घर के मेहरारू बाहर काम करेले आ मरद घर चलावेला त ओह मरद के जोरू के गुलाम कहल जाला. अनेके फिलिमन में अपना अदाकारी के जलवा देखा चुकल पंकज केसरी के ‘जोरू के गुलाम’ बनल देख दर्शक कतना एनज्वाय करीहें से फिलिम रिलीज होखला का बादे पता चली.

गुड्डू जाफ़री के निर्देशन संपादन में बनल, लेखक-गीतकार करूनेश कश्यप आ संजय झरेला, संगीतकार प्रदीप, कोरियोग्राफर युवराज मोरे, एक्शन मास्टर हीरा यादव, कैमरामैन, दिनेश आर. पटेल आ कार्यकारी निर्माता धर्मेन्द्र कुमार के एह फिलिम में पंकज केसरी के अलावा प्रीति सिंघानिया, बृजेश त्रिपाठी, हीरा यादव, करूनेश कश्यप, रवि रंजन, प्राची कश्यप, संजय झरेला, उपेन्द्र सिंह, हरेन्द्र शाह, शकाल, त्रिभुवन, प्रीतम पटेल, हरेश, किताबुद्दीन वगैरह कलाकार शामिल बाड़ें.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..