जौनपुरियन पर आइल मोनिका बत्रा के दिल

अब अगर भोजपुरी वर्ल्ड के कवनो सेक्सी नायिका जौनपुर पहुंच जाव आ ओहू में मोनिका सिंह बत्रा जइसन गरम लिट्टी त जौनपुर में बवाल त मचही के बा. इहे होखत बा आजुकाल्ह जौनपुर में जहाँ मोनिका बत्रा अपना फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के शूटिंग करत बाड़ी.

निर्माता अजीत श्रीवास्तव के फिल्म के निर्देशक बाड़े यशवंत सिंह. मोनिका सिंह बत्रा के शूटिंग देखे खातिर जौनपुर में निकहा भीड़ लागत बा. बाकिर मोनिका सिंह बत्रा जौनपुरियन के तारीफ करत कहत बाड़ी कि बहुते बढ़िया जगह बावे जौनपुर आ जौनपुरियन के त कवनो जवाबे नइखे. कहत बाड़ी कि ऊ बेर बेर एहिजा आवल चहीहें. एहिजा के लोगन के ऊ खास तारीफ करत कहली कि लोग बहुते ख्याल राखत बा.

फिल्म में मोनिका बत्रा के नायक हउवन विक्रांत सिंह आ मुख्य खलनायक बाड़े संजय पांडे. देहरादून के मोनिका के मुम्बई आवते भोजपुरी वर्ल्ड हाथों हाथ उठा लिहलसि, पहिला मौका मिलल भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी साथे फिल्म ‘ऐलान बा’ में. एकरा सफलता का बाद मोनिका गरम लिट्टी बन गइल बाड़ी . सोना में सुहागा ई कि मोनिका भोजपुरी सिनेमा के पहिला अदाकारा हई जे एन.एस.डी. से सीख के आइल बाड़ी. मधुबाला आ अमिताभ बच्चन के आपन प्रेरणा मानेवाली मोनिका बत्रा भोजपुरी सिनेमा का ओर खींचइली बिग बॉस में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन के देखिके. उनुकर दिली ख्वाहिश बा कि ऊ रवि किशन के नायिका बनसु. भोजपुरी में पूरा से रम गइल बला के खूबसूरत मोनिका मार्शल आर्ट सीखले हई, डांस में बिजली गिरावेली, समय से पहिले सेट पर पहुंच जाली. अब अगर अइसन अदाकारा नंबर वन ना बनी त के बनी भला.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

1 Comment

  1. Akaash

    enko koi acting nahi aathi haan