जौनपुर के मछलीशहर में पोखरा में तीन गो लड़िकी डूबली सँ

जौनपुर जिला के मछलीशहर इलाका के जमुहर गांव के पोखरा में नहाए उतरल तीन गो लड़िकी डूब के मर गइली सँ. एहना के उमिर 13 से 15 बरीस के बीच रहुवे.

बतावल जात बा कि अतवार का दिने खेत में धान रोपनी कइला का बाद तीनो पोखरा में नहाए घुसली सँ. एगो डूबे लागल त ओकरा के बचावे का फार में दू गो आगे बढ़ली सँ आ उहो डूब गइली सँ.

पुलिस तीनो के लाश निकलवा के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *