जौनपुर के मछलीशहर में पोखरा में तीन गो लड़िकी डूबली सँ

जौनपुर जिला के मछलीशहर इलाका के जमुहर गांव के पोखरा में नहाए उतरल तीन गो लड़िकी डूब के मर गइली सँ. एहना के उमिर 13 से 15 बरीस के बीच रहुवे.

बतावल जात बा कि अतवार का दिने खेत में धान रोपनी कइला का बाद तीनो पोखरा में नहाए घुसली सँ. एगो डूबे लागल त ओकरा के बचावे का फार में दू गो आगे बढ़ली सँ आ उहो डूब गइली सँ.

पुलिस तीनो के लाश निकलवा के पोस्टमार्टम ला भेज दिहले बिया.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..