जौनपुर के लड़िका साथे दुष्कर्म करे वाला होमगार्ड गिरफ्तार

जौनपुर जिला के एगो लड़िका कानपुर के छत्रपति शाहूजी महाराज विश्वविद्यालय में इंजिनियरिंग के पढ़ाई करेला. एहिजा ओकर दोस्ती कॉलेज में ड्यूटी करे वाला होमगार्ड से हो गइल. एक दिन उ होमगार्ड ओकरा के नशा दे के ओकरा साथे कुकर्म कइलसि आ ओकर वीडियो क्लिप बना लिहलसि. फेर शुरु हो गइल ओकर यौन शोषण आ संगही संगे ओकरा के ब्लैकमेल करत धन वसूली. बाद में उ होमगार्ड ओह लड़िका के अपना घर में बंधक रख के ओकरा के मारे के योजना बनावे लागल. एह बीच मौका पा के लड़िका भाग निकलल आ वाला आ केस दर्ज करा दिहलसि. पुलिस ओह होमगार्ड के गिरफ्तार कर लिहले बिया.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।