जौनपुर टीसन का लगे होटल में सेक्स रैकेट

जौनपुर सिटी टीसन का लगे के एगो होटल में एगो नेता जी के संरक्षण में ढेर दिन से देह व्यापार के धंधा चलत रहुवे. अगल बगल के लोग एह से आजिज रहुवे बाकिर डरे चुप लगा जात रहुवे. माने जोग त नइखे कि पुलिस के एह धंधा के जानकारी ना होखी. अब कारण चाहे जन होखे बाकिर काल्हु होटल पर छापा मार के पाँच जोड़ी आशिकन के मौके पर से गिरफितार क लीहल गइल.

बतावल जात बा कि अपना रसूख के इस्तेमाल करत नेता जी होटल वाला के बचावे में लाग गइल बाड़ें. देर सबेर ले दे के मामिला पर लीपापोती होइए जाए के बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..