जौनपुर में गोलीबारी में नवही घवाहिल

(प्रतीक फोटो)


जौनपुर , 04 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर के शहर कोतवाली इलाका में कुछ लोग के आपसी विवाद में चलल गोली से एगो नवही घवाहिल हो गइल.
पुलिस के कहना बा कि कोतवाली इलाका के पुरानी बाजार सदर इमामबाड़ा के रहे वाला 24 बरीस के अली रजा के मंगल का राति में आपसी झगड़ा का बाद सिपाह के रहे वाला ओकरे बिरादरी वाला गोली मार दिहलसि.
गंभीर हालात में अली रजा के जिला अस्पताल ले जाइल गइल त डाक्टर ओकर नाजुक हालत देखत वाराणसी के बीएचयू ट्रामा सेंटर रेफर क दिहलें.
पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।