जौनपुर में तीन गो मौत, तीन गो चोर धरइलें

(प्रतीक फोटो)

जौनपुर में ट्रक का धक्का से मोटरसाइकिल पर जात दू गो भाईयन के मौत
जौनपुर, 31 मार्च (वार्ता). जौनपुर के सिकरारा इलाका में जौनपुर-इलाहाबाद रोड पर प्रतापगंज बाजार में ट्रक से धक्का लगला का चलते बक्सा इलाका के फतेहगंज के रहेवाला दू गो सगा भाईयन के मौत हो गइल. नन्हे गौतम आ अच्छेलाल गौतम शुक का राति मोटरसाइकिल पर रायबरेली से अपना घरे लवटत रहलें जब ई हादसा हो गइल. एक भोई के ओहिजे मौत हो गइल आ चुसरका भाई के अस्पताल ले जाए का राहे में मौत हो गइल. हादसा का बाद चालक ट्रक छोड़के फरार हो गइल.

जौनपुर में आंधी में सीमेंट के चदरा गिरला से एगो लड़िका के मौत
जौनपुर, 31 मार्च (वार्ता) शुक का साँझे आइल आन्ही-तूफान में जौनपुर के मछलीशहर इलाका के श्रीनेतगंज ( खजुरहट ) गांव में प्यारेलाल प्रजापति के इकलौता बेटा दस बरीस के धीरज पर घर के छत पर लगावल सीमेंट के चदरा उधिया के गिरला से ऊ बहुते घवाहिल हो गइल. अस्पताल चहुंपवला पर डाक्टर ओकरा के मरल बता दिहलें. जिला प्रशासन पीड़ित परिवार के आर्थिक सहायता देबे के निर्देश दिहले बा.

जौनपुर में 3 गो अन्तर्राज्यीय वाहन चोर धरइलें
जौनपुर, 31 मार्च (वार्ता). मुखबिर से मिलल खबर का बाद पुलिस टीम जौनपुर के महराजगंज इलेका के लोहिन्दा चौराहा पर बन्द पड़ल पेट्रोल पंप का लगे घेराबंदी क लिहलसि. ओहिता कवनो गाहक के इन्तजार में चहुँपल तीन गो वाहन चोरन के गिरफ्तार क लिहलसि आ ओहनी का लगे से दू गो चोरावल कार बरामद कइलसि. एगो चोर भाग निकलल. गाड़ी महाराष्ट्र के पूना से चोरावल रहुवे. धराइल चोरन के नाम सुल्तानपुर के सूर्यभान सिंह आ राकेश सिंह अउर जौनपुर के राधेश्याम सिंह बतावल जात बा. भाग निकलल चोर महाराजगंज इलाका के फत्तूपुर गांव के लकी सिंह रहुवे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *