जौनपुर में भइल लोक अदालत मे 1081 मामिला निपटावल गइल

काल्हु जौनपुर जिला मे आयोजित लोक अदालत मे आपसी सुलह समझौता करा के एक हजार इक्यासी मामिला के निस्तारण भइल जवना से एक हजार पांच सौ उनतालिस लोग लाभान्वित भइले.

जिला विधिक सेवा प्राधिकरण के सचिव सिविल जज बंश बहादुर यादव बतवले कि जिला न्यायाधीश राकेश कुमार के अध्यक्षता मे एहिजा दीवानी न्यायालय परिसर मे भइल एह लोक अदालत मे छोट अपराधन के सात सौ चालिस मामिला निपटावल गइल आ बासठ हजार सात सौ चालिस रुपिया जुर्माना वसूलाइल.

उत्तराधिकार के सतरह मामिला निपटा के अडतालिस लाख चवालिस हजार चार सौ पचपन रुपये के प्रमाणपत्र जारी कइल गइल. वैवाहिक भरण पोषण के एकइस मामिला निपटा के पतियन से सतरह लाख अड़सठ हजार रुपिया पत्नियन के दिआवल गइल. मोटर दुर्घटना के पांच गो मामिला निपटा के पीडित पक्षन के छह लाख छाछठ हजार रुपिया दिआवल गइल. स्टैम्प कमी के सात गो मामिला में एक लाख बयासी हजार सात सौ दस रुपया स्टैम्प कमी वसूलाइल. दीवानी के अठ्ठारह गो, विद्युत अधिनियम के दू गो, राजस्व के एक सौ छत्तीस गो आ चकबंदी के तिरपन गो मामिला के निपटान भइल.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।