जौनपुर सड़क हादसा में पाँच गो भक्त-भक्तिन के मौत


जौनपुर , 04 अगस्त (वार्ता). उत्तर प्रदेश में जौनपुर जिला के मछलीशहर कोतवाली इलाका में काल्हु शुक के राति भइल एगो सड़क हादसा में तीन गो मेहरारुवन समेत पाँच जने के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइलें.
पुलिस सूत्र जानकारी दिहलें कि वाराणसी जिला के रहे वाला 11 गो भक्त-भक्तिन बोलेरो से कौशाम्बी जिला के माता कडेमानिकपुर दर्शन करे जात रहलें. जौनपुर के मछलीशहर इलाका के निकामुद्दीनपुर गांव का लगे एह लोग के बोलेरो बेकाबू हो के सड़क किनारे खाड़ ट्रेलर से टकरा गइल. एह हादसा में तीन गो मेपरारुवन समेत पांच लोग के मौत ओहिजे हो गइल. सात जने घवाहिलो हो गइलें. एहमें से तीन जने के खराब हालत देखत वाराणसी रेफर क दीहल गइल. चार गो घवाहिल एहिजे अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़ें.

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।