झूठ निकलल सामूहिक दुष्कर्म के मामिला

मढ़ौरा, सारण। तरैया फरीदपुरा में एगो मेहरारू अपना देवर, जेठ आ भतीजा पर सामूहिक दुष्कर्म के आरोप लगवल सीह। एहि मेहरारू के आरोप से सगरे गांव के लोग खिसियाआइल बा आ कहत बा कि भाइयन के साथे जमीन बंटवारा के झगड़ा के ले के इ मेहरारू अइसन खराब आरोप लगवले बा कि रिश्तो के नींव हिला के राखि देले बा। बंटवारा के लेके पटटीदारन पर दबाब बनावे खातिर पुलिस में सामूहिक दुष्कर्म के मामिला में एफआर्इआर पर डीएसपी कुंदन कुमार साहे अतवार के जांच खातिर अउवन। उनकरा पहुंचते उ मेहरारू अपना मरद के सगे भाइयन आ भतीजा के फंसावे के बाति करे लगुए। गांव वाला सभे लोग मिलि के एहि घटने पर सवाल उठा दीहुए लोग। जेवना के देखि के डीएसपी साहेब कहुवन इ त मामला फरजी लागता बुझाता की पटटीदारन के परेसान करे खातिर एहि तरीका के आरोप इ मेहरारू लगावति ह।

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..