झोपड़ी में आगि लागल, तीन गो बच्चा जर मरलें

(फाइल फोटो)


सोनभद्र, 27 मार्च (वार्ता). सोनभद्र के रार्बट्सगंज कोतवाली इलाका में संदिग्ध हालात में एगो झोपड़ी में आगि लगला से ओहमें सूतल तीन गो बचवन के जरला से मौत हो गइल. महतारी आ एगो बच्ची बाच गइल बाड़ी.
बतावल जात बा कि तेंदू गांव निवासी नवी के पत्नी सहाना काल्हु राति चूल्हा पर दूध गरम कइला का बाद चूल्हा के आगि बुता के अपना चार गो बचवन – रेहाना (06), रूखसाना (05), शाहिद (03), आ मुस्कान (04) के साथे झोपड़ी में सूते चल गइली. तीन गो बचवा एक खटिया पर सूतल रहलें आ महतारी आ मुस्कान दोसरा खटिया पर.
रात साढे ग्यारह बजे का लगभग अचके में झोपड़ी में आगि लाग गइल. सहाना आ मुस्कान झोपड़ी से बाहर भाग आइल लोग आ हल्ला करे लागल. जबले महतारी बाकी तीनो बचवन के बचावे के कोशिश करती तबले ऊपर से जरत मड़हार ओहनी पर आ गिरल आ तीनो बचवन के बचावल ना जा सकल.
बाद में आइल पुलिस तीनों के लाश बाहर निकलवलसि आ पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि. उप जिलाधिकारी राजकुमारो सबेरे पहुँचले आ पीड़ित परिवार के बारह लाख रुपिया मुआवजा देबो के एलान कइलें.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।