टटका खबर, अतवार, २१ नवम्बर

बिहार विधानसभा में राजग के स्पष्ट बहुमत मिली
काल्हु प्रसारित एक्जिट पोल के नतीजा बतावत बा कि राजग के बहुमत मिले में कवनो संदेह नइखे. तीनो सर्वेक्षण में इहे राय बा, अन्तर बस सीट में बा. जे सबसे कम दे रहल बा ऊ १४५ सीट आ सबले बेसी दे रहल बा ऊ २०१ सीट. बाकिर एहिजा ई बतवला में कवनो हरज नइखे कि अब तकले के चुनावन के नतीजा बतावेला कि एक्जिट पोल भा ओपोनियन पोल अकसरहाँ सत्ताधारी दल का तरफ झुकल रहेला. राजद लोजपा गठबन्हन दूसरा जगहा पर आ कांग्रेस तीसरा जगहा पर आई, अइसन एह एक्जिट पोल से बुझात बा.

स्पेक्ट्रम घोटाला में दोषियन के सख्त सजा दिहल जाई
प्रधानमंत्री अपना चुप्पी के तूड़त काल्हु कहलें कि टू जी स्पेक्ट्रम घोटाला में जे दोषी पावल जाई ओकरा के सख्त सजा दिहल जाई. बाकिर लहजा आ अन्दाजा इहे बा कि राजा आ जोकर के छोड़ के. अतना घोटाला वाला सरकार देश में पहिले कबहियो ना आइल रहे. एह घोटाला का सोझा बोफोर्स आ चारा घोटाला दुनु बहुते छोट रहले सँ. मनमोहन सिंह के बस इहे शिकायत बा कि विपक्ष संसद काहे नइखे चले देत. संसद चलीत त बहुते नियम कानून पास करावे के रहल ह. हर घोटाला के जाँच जवना दिसाईं चलत बा ओहसे साफ बा कि कवनो घोटाला के बड़का के कुछऊ नइखे उखड़े वाला. हँ कुछ बलि के बकरा जरुर चढ़ जइहें बलि पर.

बिहार चुनाव के फैसला २४ तारीख के
बिहार में छह चरण में भइल विधानसभा चुनाव के मतगणना २४ तारीख के होखी. तबले सभकर साँस टँगाइल रही कि हे भगवान का होखे जा रहल बा. २४३ सीट खातिर ३५२३ जने उम्मीदवार बाड़े, जवना में मेहरारुवन के गिनती ३०८ के बा. कांग्रेस सगरी सीट पर चुनाव लड़ले बिया, ओकरा आपन मत प्रतिशत बढ़ावे के चिन्ता बा. कहत बिया कि केहू का साथे गठबन्हन ना करी. बसपा २३९ पर, राकांपा १७१ पर, राजद १६८ पर, जदयू १४१ पर, भाजपा १०२ ‍पर, लोजपा ७५ पर, भाकपा ५६ पर, आ माकपा ३० गो पर आपन उम्मीदवार लड़वले बा. बहुमत खातिर १२२ सीट चाहीं आ चुनाव के रुझान से हो सकेला कि जदयू अपने अतना सीट जीत लेव कि ओकरा कवनो दल के ढेर सहारा के जरुरत ना पड़े.

आजु कार्तिक पूर्णिमा के नहान हऽ
कार्तिक पूर्णिमा का अवसर पर श्रद्धालु आज गंगा आ बाकी नदियन का तीरे लाखों का संख्या में जुटल बाड़े. बलिया के ददरी मेला आ सोनपुर के हरिहर क्षेत्र मेला एही मौका पर लागेला जवन महीनो चलेला. अबो सोनपुर के मेला के गिनती दुनिया के सबसे बड़ मेला में होत रहुवे बाकिर अब आपाधापी का दौर में लोग मेला ठेला से भागत जा रहल बा, आ घर में टीवी का सामने बइठल दुनिया के तमाशा देखत रहऽता.

ओरंगाबाद के पचोखर गाँव में बम फटला से आठ गो बच्चन के मौत
देव थाना के पचोखर गाँव में आजु सबेरे एगो बरियार बम फाटला से आठ गो स्कूली विद्यार्थियन के मौत हो गइल आ छह गो घवाहिल हो गइलें. बतावल जात बा कि ई केन बम काल्हुवे मिलल रहुवे बाकिर गदबेरा पार हो गइला का चलते बम निरोधक दस्ता ओकरा के निष्क्रीय ना कइलस. आजु पुलिस आ मेडिकल टीम भेजल गइल बा. एह घटना के पुलिस के लापरवाही के नतीजा कहल जा सकेला बाकिर चुनाव का आपाधापी में ई मामिला अइसहीं दब खप जाई. मरे वाला लड़िकन के परिवार भले बरीसन रोवत रहे.

पछुआ बहला से ठण्ढक बढ़ गइल बा
काल्हु से पश्चिमी बिहार आ पुर्वांचल में पछुआ बहल शुरु हो गइल बा जवना चलते ठण्ढक शुरु हो गइल बा. जाड़ा के कपड़ा निकलल शुरु हो गइल बा. वइसहूं कातिक खतम हो गइल आ अगहन पूस माघ जाड़ा के इहे खास सीजन हऽ. हर मौसम के ठीक से पड़ल कृषि व्यवस्था खातिर जरुरी होला वइसहीं जइसे जिनिगी में हर रस के सही अनुपात में रहल जरुरी होला. हमनी के पुरनिया अर्थ धर्म काम मोक्ष के चार गो जरुरी तत्व बता गइल बाड़े. सफल जीवन खातिर सगरी जरुरी होले. अर्थ ना रही त धर्म कइसे चली आ काम अतृप्त रह जाव त मोक्ष कइसे मिली.

जमुना निषाद के अंत्येष्टि
पूर्व मंत्री, गोरखपुर के पिपराइच के विधायक जमुना निषाद के मृत्यु परसो रात एगो सड़क दुर्घटना में हो गइल रहे. साथ में चार जने अउरी रहले जिनकर मौत ओह दुर्घटना में हो गइल. जमुना निषाद एगो हत्या का आरोप में पिछला दू साल से जेल में बन्द रहले आ हालही में २१ अक्टूबर के बाहर आइल रहले हँ. उनकर अंतिम संस्कार काल्हु उनका गाँवे में खेत पर कइल गइल जवना मौका पर प्रदेश के कई गो मंत्री आ जनप्रतिनिधि मौजूद रहलें. प्रदेश सरकार उनका परिजन के पाँच लाख के सहायता देबे के एलान कइले बिया. बाकी चार जने के परिवारन के दू दू लाख रुपिया दिहल जाई.

रणजी ट्राफी क्रिकेट में यूपी के बड़ौदा पर जीत
रणजी ट्राफी का सुपर लीग ग्रुप बी का मैच में काल्हु यूपी के टीम बड़ौदा के टीम के ३२ रन से हरा दिहलसि. मैच वडोडरा में भइल. एह जीत से अब यूपी का लगे कुल पाँच अंक हो गइल बा.

0 Comments