Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर (अतवार, 16 अगस्त 2015)

PM-at-athome

  • आजादी के 68वाँ सालगिरह पर लालकिला पर झंडा फहरवला का बाद देश के संबोधित करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी कहलन कि अपना पन्द्रह महीना के अबले के शासन काल में ऊ भ्रष्टाचार प अतना कड़ाई क दिहले बाड़न कि एको पइसा के भ्रष्टाचार के आरोप उनका सरकार पर नइखे लागल. कहलन त ना बाकिर उनकर इशारा पर रहल घोटाला का पांक में गरदन ले डूबल सोनिया गाँधी के इशारा पर चले वाली मनमोहन सरकार. कहलन कि कुछ लोग एकरा बावजूद करिया धन पर निराशा फइलावे का कोशिश में लागल बाड़े. जबकि एह बीच नाहियो त साढ़े छह हजार करोड़ के करिया धन उजागर हो चुकल बा. कहलन कि भ्रष्टाचार दीयाका का तरह देश के जड़ खोखर करेला.
  • कहलन कि रसोई गैस के सबसिडी सीधे गाहक के खाता में भेजल शुरु भइला का बाद से नाहियो त 15हजार करोड़ के कालाबाजारी बंद हो गइल बा. अब छोटका लेभल पर भ्रष्टााचार के जरिया बनल छोट नौकरियन के इंटरव्यू रोके के उपाय कइल जात बा आ बहाली सीधे मार्क्सशीट आ बाकी अर्हता का आधार पर कइल जाई.
  • एक रैंक ला एक पेंशन मुद्दा के जिक्र करत कहलन कि आजु हम तिरंगा के नीचे खड़ा होके कहत बानी कि एकरा के सिद्धान्त रूप में सरकार मान लिहले बिया बाकिर पिछला सरकारन का जमाना में एह मामिला के अतना अझुरा दीहल गइल बा कि ओकरा के सरिहावे में तनिका समय लागत बा.
  • लात के देवता बात से ना मानसु एही कहाउत के याद दिआवत पाकिस्तान काल्हु से बेवजह हिन्दुस्तान के नागरिक आबादी के निशाना बनावत गोलीबारी करे में लागल बावे. शायद ऊ देखल चाहत बा कि मोदी सरकार कतना खरकोंचल बरदाश्त कर सकेले. पाकिस्तान बात से मान वाला देश ना ह. मोदी सरकार के चाहीं कि ओकरा के लतिआवे केे उपाय करसु ना त ऊ एही तरह गाहे बगाहे कुछ ना कुछ करत रही. एक बेर बढ़िया से धूना जाव त फेर कुछ दिन ला शान्ति के बात सोचल जा सकेला. पहिले जवन मोदी आ भाजपा कहत रहे वइसहीं कांग्रेस के कहना बा कि पाकिस्तान संगे होखे जात एनएसए स्तर के बातचीत रद्द क दीहल जाव.
  • चौंतीस बरीस बाद भारत के प्रधानमंत्री संयुक्त अरब अमीरात जाए वाला बाड़न. इन्दिरा गांधी के बाद अबले दोसर कवनो प्रधानमंत्री यूएई के यात्रा नइखे कइले. अब नरेन्द्र मोदी आजु ओहिजा के यात्रा पर जात बाड़न. उमेद कइल जाव कि ओहिजा के सरकार से बातचीत क के दाउद के बिजनेस एम्पायर पर दबाव बना के दाउद के हिन्दुस्तान ले आवे के उतजोग लगइहें. वइसे सभकर नजर उनुका मस्जिद यात्रा पर रहे वाला बा. मोदी पहिला बेर कवनो मस्जिद में जाए वाला बाड़न. ओहिजा उनकर पहनावा आ हावभाव पर नुक्ताचीनी होखहीं वाला ऊ कुछउ पहिर के जासु भा ओहिजा कइसनो हावभाव देखावसु.
  • आज दिल्ली के मुख्यमंत्री केजरीवाल के जनमदिन ह आ एह मौका पर उनुका के पीएम मोदी शुभकामना भेजलें. बाकिर हर बात में राजनीति खेले के खिलाड़ी अरविन्द ओकरा जवाबो में खेल खेल गइलें आ लिखलें कि रउरा से मुलाकात ला तिकवत बानी, दिल्ली के विकास का बारे में कुछ बतियावे के बा.
  • संसद के पुरा सत्र बरबाद करे वाला कांग्रेस आ ओकरा बेवहार से परेशान भाजपा, दुनू के चेहरा पर काल्हु मुखौटा चढ़ल लउकल. राष्ट्रपति का ओर से स्वतंत्रता दिवस का मौके पर दिहल भोज में आइल ई लोग एक दुसरा से हँस हँस के बतियावत लउकल. लागबे ना कइल कि कुछ दिन पहिले ले ई लोग संसद में एक दोसरा पर किटकिटा के पड़ल रहुवे. एह भोज में कांग्रेस के नयका नेता राहुल गाँधी ना लउकन. पता ना उनुका के बोलावल ना रहे, कि ऊ आवल ना चहले. हो सकेला कि फेरु विदेश चल गइल होखसु मौज मस्ती करे ला. काहे कि लालकिला से मोदी का भाषणो का बेरा उनुका के ना देखल गइल.
  • पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी ISI के चीफ रहल रिटायर्ड जनरल हामिद गुल 79 बरीस का उमिर में अतवार का दिने अल्लाह के प्यारा हो गइलन. अतवार का भोरे तबियत खराब भइला पर गुल के मुरे कंबाइंड मिलिट्री हॉस्टिपल ले गइल गइल बाकिर तबले उनकर चिराग गुल हो गइल रहुवे.
  • शनिचर का दिने देश के तोहफा देत अभिषेक वर्मा तीरंदाजी में कंपाउंड पुरुष व्यक्तिगत वर्ग में स्वर्ण पदक जीत लिहले. ऊ फाइनल में ईरान के इस्माइल इबादी के हरवलन आ इंचियोन 2014 खेल में इबादी के हाथे मिलल हार के बदला चुका लिहलन. तब वर्मा के रजत पदक मिलल रहे आ अब इबादी के मिलल बा.
  • दिल्ली सरकार के मैथिली भोजपुरी अकादमी का तरफ से होखेवाला आयोजन का मंच पर दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल आ बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार जुगल जोड़ी का रुप में मौजूद रहीहें. कहे खातिर त ई गैर राजनीतिक आयोजन बतावल जात बा बाकिर एकर राजनीतिक संदेश कतना दूर ले जाई इहो देखे लायक रही. अकादमी का तरफ से मैथिली भोजपुरी से ताल्लुक राखे वाला लोगन के सम्मानित कइल जाई.
  • बिहार के नयका राज्यपाल रामनाथ कोविंद आजु अतवार का दिने राज्यपाल पद के किरिया लीहें. कार्यक्रम दुपहरिया में होखे वाला बा.
  • उत्तर प्रदेश सचिवालय के मुख्य भवन मे छुट्टी का दिने एगो कमरा मे बंद रह गइल कुकुर जम के बवाल कटलसि आ करीब एक सौ फाइलन के बरबाद कर दिहलसि. शुक का साँझे बाकी लोग के निकलला का बाद एगो ई कुकुर भितर रह गइल रहुवे आ आजादी का दिने गुलामी के कष्ट झेलत ऊ फाइल पर फाइल नचत चल गइल. बाद में ओकर भूंकल सुन के सुरक्षा वाले कमरा खोल के ओकरा के निकललन.
  • शनिचर का दिने भारत के सायना नेहवाल विश्‍व बैडमिंटन चैंपियनशिप के फाइनल में पहुंच के देश खातिर एगो नया इतिहास रच दिहली. इंडोनेशिया के जकार्ता में शनिचर का दिने भइल सेमीफाइनल में ऊ मेजबान देश के लिंडावेनी फिनेत्री के हरा दिहली आ अब फाइलन में स्‍पेन के कैरोलिना मॉरिन से आजु अतवार का दिने खेलीहें.
  • भारत के सानिया मिर्जा आ स्विट्जरलैंड के मार्टिना हिंगिस के जोड़ी रोजर्स कप टेनिस के सेमीफाइनल में जगह बना लिहले बावे. डशनिचर का दिने सबले खराब खेल खबर आइल श्रीलंका से जहाँ तीन मैच में से पहिला टेस्ट मैच में श्रीलंका भारत के 63 रन से हरा दिहलसि. दुसरका मैच 20 तारीख के होखे वाला बा.
  • नेट निरपेक्षता खातिर प्रस्‍तावित नीति मसौदा पर लोग के राय देबे के आखिरी तारीख बढ़ा के अब 20 अगस्त कर दीहल गइल बा.
  • पूर्वांचल के जिलन में, मुलायम सिंह यादव के संसदीय इलाका आजमगढ़ छोड़ के, बिजली खातिर त्राहिमाम करत लोग के काल्हु तनिका राहत मिलल जब दिन में कई जगहा जम के बरखा हो गउवे.

0 Comments