आजु के खास खबर
- एजबेस्टन टेस्ट मैच में भारतीय क्रिकेट टीम एक पारी आ 242 रन से हार गइल जवना का बाद ओकर टेस्ट के नंबर वन टीम होखे के रुतबो छीना गइल बा. अब क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड टीम के शर्मनाक प्रदर्शन का बाद जिम्मेदार लोग पर कार्रवाई करे के मन बनावत बा जवना मे फ्लेचर पर कवनो कार्रवाई हो सकेला.
- देश भर में आजु रक्षा बन्धन पर्व मनावल जा रहल बा. एह अवसर पर अँजोरिया परिवार के सगरी पाठिका पाठकन के शुभकामना.
- आंध्र प्रदेश अउर पंजाब सरकार प्रकाश झा के फिल्म ‘आरक्षण’ पर लगावल प्रतिबंध शनिचर का दिने हटा लिहले जवना का बाद दुपहर बाद दुनु राज्य में फिल्म देखावल जा रहल बा. अब खाली यूपी में प्रतिबंध लागल बा.
- सामाजिक संगठन के सदस्य आ वरिष्ठ वकील शांति भूषण कहले बाड़े कि अन्ना हजारे के 16 अगस्त से होखे वाला आमरण अनशन का बारे में दिल्ली पुलिस के शर्त मंजूर करे लायक नइखे काहे कि ऊ शर्त संवैधानिक नइखी सँ. दिल्ली पुलिस कहले बिया कि अन्ना आ उनुकर साथी तीन दिन से बेसी अनशन ना करीहें आ ओहिजा पाँच हजार से बेसी लोग ना जुटी.
- बिहार की बदहाली खातिर लालू जिम्मेदार : आईएएस अधिकारी
- कांग्रेस अमेरिकी विदेश विभाग के प्रवक्ता के ओह बयान पर आपत्ति जतवले बिया में जवना में ऊ उमेद जाहिर कइले रहले कि सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे के अनशन का दौरान भारत शांतिपूर्ण प्रदर्शनकारियन से लोकतांत्रिक तरीका से निपटी.
- भारतीय मूल के डॉक्टर पर यौन दुराचार के आरोप
बिहार
- बिहार में भारतीय जनता पार्टी विधायक विक्रम कुंवर के कवनो आदमी फोन कर के जान से मारे के धमकी दिहले बा.
- कस्टम अधिकारी पूर्वी चंपारण का छपवा चौक का लगे चाइनीज लहसुन लादल एगो ट्रक के जब्त कइले बाकिर ओकरा के मोतिहारी ले जाये का रास्ता में तस्कर हमला कर के ट्रक छोड़ा लिहले आ ले के भाग गइले.
- समस्तीपुर रेल अस्पताल में इलाज का दौरान एगो कर्मचारी कुमोद सिंह के मौत का बाद नाराज रेल कर्मी अस्पताल का सौझा धरना प्रदर्शन कइले.
- पूर्वी चंपारण के घोड़ासहन में एगो व्यवसायी के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.
- छपरा के रामजयपाल कॉलेज में नाम लिखावे आइल छात्र का लगे फर्जी दस्तावेज मिलल का बाद ओकरा के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
- सिवान का एगो अदालत में साल तिरासी में टिकरी गाँव में जीरादेई के विधायक रहल राजाराम चौधरी के हत्या का मामिला में महाबीर कुर्मी आ सगीर आलम के उमिर कैद के सजा सुनावल गइल.
- पूर्वी चंपारण के श्यामपुर बाजार में एगो व्यवसायी से रंगदारी माँगे वाला मुस्लिम मियाँ समेत दू गो अपराधियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल.
- बिहार की बदहाली खातिर लालू जिम्मेदार : आईएएस अधिकारी
- बिहार के बक्सर जिला में नया भोजपुर आउट पोस्ट इलाका में शनिचर का सबेरे राजस्थान में तैनात केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (सीआईएसएफ) के एगो जवान जहर खा के जान दे दिहले बावे.
यूपी
- इलाहाबाद के फाफामऊ से बलिया तक ले हर जगहा गंगा नदी उफनाइल जात बिया. बनारस में खतरा का नजदीक बहत बाड़ी त दोआब में लोग तबाह हो रहल बा. घाघरा नदी अबहियो कई जगहा खतरा का निशान का उपर बहत बिया. शारदा नदी के जलस्तर घटे लागल बा.
- मुरादाबाद के कर्फ्यू वाला इलाका में हालात तेजी से सुधरत बा. शुक का दिने कर्फ्यू में चार घंटा के छूत दिहल गइल.
देश
- छत्तीसगढ़ के दंतेवाड़ा जिला के चिकपाल गांव के प्रधान के हत्या का खिलाफ लोग के नाराजगी बढ़ल जात बा जवना चलते ओहिजा अर्धसैनिक बल तैनात कर दिहल गइल बा.
- झारखण्ड के विधानसभा अध्यक्ष सी.पी. सिंह के सिर्फ चार दिन में 1.69 लाख रुपये के पोस्ट-पेड मोबाइल बिल मिलल बा जवना के जाँच ऊ केंद्रीय जांच ब्यूरो (सीबीआई) से करावे के मांग कइले बाड़न.
- केरल माकपा के राज्य सचिव पिनाराई विजयन एह बाति से इंकार कइले बाड़न कि राज्य इकाई पार्टी के अनुशासन लाँघे के आरोप पूर्व मुख्यमंत्री वी.एस. अच्युतानंदन पर लगवले बिया.
- स्वतंत्रता दिवस पर सुरक्षा व्यवस्था मजूबत करे खातिर लाल किला के अगल बगल का मकान का छतन पर पुलिस के निशानेबाजन के तैनाती भइल बा.
- सामाजिक संगठन के सदस्य आ वरिष्ठ वकील शांति भूषण कहले बाड़े कि अन्ना हजारे के 16 अगस्त से होखे वाला आमरण अनशन का बारे में दिल्ली पुलिस के शर्त मंजूर करे लायक नइखे काहे कि ऊ शर्त संवैधानिक नइखी सँ. दिल्ली पुलिस कहले बिया कि अन्ना आ उनुकर साथी तीन दिन से बेसी अनशन ना करीहें आ ओहिजा पाँच हजार से बेसी लोग ना जुटी.
- अन्ना हजारे शनिचर के कहलन कि नागरिक अधिकारन के हनन करे वाली केंद्र सरकार कवना मुंह से स्वतंत्रता दिवस पर 15 अगस्त के लाल किले से तिरंगा फहराई. इहो कहलन कि प्रतिबंध का बावजूद ऊ अनशन करीहे आ गिरफ्तारी का बाद जेलो में उनुकर अनशन जारी रही.
- असम के गोलाघाट जिला में शनिचर साँझ विद्रोहियन का अंधाधुंध फायरिंग में एक आदमी के मौत हो गइल आ चार आदमी घवाहिल हो गइले. ओने सुरक्षा बल का छापामारी में गुवाहाटी में तीन गो विद्रोही गिरफ्तार भइले.
- सख्त लोकपाल विधेयक खातिर अन्ना हजारे के 16 अगस्त से होखे वाला अनशन में मध्य पूर्व के 25 अनिवासी भारतीयन के एगो समूहो शामिल होगई.
- स्वतंत्रता दिवस के मद्देनजर जम्मू कश्मीर में परेड स्थल अउर पूरा राज्य में सुरक्षा के चाक-चौबंद इंतजाम खातिर आधुनिक उपकरण के मदद लिहल जात बा आ सुरक्षाकमियन के मुस्तैद कर दिहल गइल बा.
- अन्ना हजारे दिल्ली पुलिस के लगावल प्रतिबंधन से नाराज होके प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के चिट्ठी लिखले बाड़े कि जनता के लोकतांत्रिक मौलिक अधिकार के हनन कइल जा रहल बा.
- अभिनेता से नेता बने के. चिरंजीवी 20 अगस्त के सत्ताधारी कांग्रेस पार्टी के सदस्य बन जइहे. ऊ अपना प्रजा राज्यम पार्टी के कांग्रेस में मिला दिहले बाड़न.
- झांसी के रानी लक्ष्मीबाई 1857 के पहिला स्वतंत्रता संग्राम में बांदा के नवाब अली बहादुर के राखी बांध के फिरंगी सेना का खिलाफ मदद मँगले रही.
- हिमाचल प्रदेश में आजु शनिचर का दिने एह मौसम के पहिलका बर्फबारी भइल.
- झारखण्ड के देवघर स्थित बाबा वैद्यनाथ धाम मंदिर में सावन महीना के अंतिम दिन ‘पूर्णिमा’ के सबेरही से शिवभक्तन के जनसैलाब उमड़ पड़ल.
- ओडिशा सरकार राज्य के तीन गो मेडिकल कॉलेज अस्पतालन के चिकित्सकन के छुट्टी डेंगू के बढ़त मामला देख के रद्द कर दिहले बिया.
- गुजरात सरकार शनिचर का दिने आईपीएस अधिकारी, राहुल शर्मा के 2002 के गुजरात दंगा के जांच करत नानावटी-मेहता आयोग आ अदालतन में सरकार से पूछले बिना गवाही देबे के आरोप पत्र भेजले बिया.
- ‘अन्ना के अनशन पर अमेरिकी टिप्पणी में गलत का बा ?’ प्रसिद्ध वकील प्रशांत भूषण के कहना बा कि यदि कवनो देश अपना नागरिकन के अधिकारन के उल्लंघन करऽता त दुनिया के हर देश के ई शरम बनऽता कि ऊ ओह देश के टोके.
- भारतीय पुलिस सेवा (आईपीएस) के एगो वरिष्ठ अधिकारी राहुल शर्मा का खिलाफ आजु शनिचर का दिने आरोप पत्र दाखिल कर दिहल गइल. राहुल शर्मा सरकार से अनुमति लिहला बिना 2002 के गुजरात दंगा के जांच करत नानावटी-मेहता आयोग के सूचना मुहैया कइले रहले.
- कांग्रेस अमेरिकी विदेश विभाग के प्रवक्ता के ओह बयान पर आपत्ति जतवले बिया में जवना में ऊ उमेद जाहिर कइले रहले कि सामाजिक कार्यकर्ता अन्ना हजारे के अनशन का दौरान भारत शांतिपूर्ण प्रदर्शनकारियन से लोकतांत्रिक तरीका से निपटी.
- किसान रैली पर गोली चलावे के मामिला में राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग पुणे के पुलिस आयुक्त के नोटिस जारी कइले बावे. एह गोलीबारी में कम से कम तीन लोग मर गइल रहे. विधानोसभा में शुक का दिने एह घटना पर विपक्षी विधायक हल्ला मचवले.
- दागी सांसदन का खिलाफ दायर ओह याचिका के सर्वोच्च अदालत खारिज कर दिहलसि जवना में सरकार के ई निर्देश देबे के मांग कइल गइल रहे कि ऊ राष्ट्रपति के लोकसभा के ओह 154 सदस्यन के निलम्बित करे के संस्तुति भेजे, जवना लोग पर आरोप ना भा जिनका खिलाफ प्रथम सूचना रिपोर्ट (एफआईआर) दर्ज बावे.
- गुजरात मामिला पर कांग्रेस अउर भाजपा में तनातनी.
दुनिया
- नेपाल पुलिस के तत्परता से सऊदी अरब में कामकरत भारतीय नासिर अहमद बाबा के रकम वापस मिल गइल बा जवन एगो नेपाली नागरिक ईश्वरी थापा इंटरनेट का जरिये हड़प लिहले रहुवे.
- ब्रिटेन के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन लंदन आ बाकी शहरन में पसरल अशांति खरम करे खातिर न्यूयार्क आ लॉस एंजिल्स के पूर्व पुलिस प्रमुख के कुछ समय खातिर आपन अपराध सलाहकार बने के कहले बाड़े.
- पाकिस्तान से राजनीतिक दलन के 20 सदस् वाला एगो संसदीय शिष्टमंडल भारतीय सांसदन से भेंट करे अगिला हफ्ता नई दिल्ली के दौरा करी.
- चेन्नई के अमेरिकी वाणिज्य दूतावास में उप वाणिज्यदूत मौरीन चाओ अपना ओह बाति खातिर अफसोस जाहिर कइले बाड़ी जवना में ऊ कहले रही कि ऊ कवनो तमिल का तरह गंदा आ करिया बन गइली.
- पाकिस्तान में 150 साल पुरान ओह राजनीतिक नियम के बदल दिहल गइल बा जवना में पख्तून बहुल कबायली इलाकन में प्रशासन अपराधियन आ ओकनी के रिश्तेदारन के मकान ढहवा सकत रहे.
- पाकिस्तान में एगो मुअल लड़िका के लीवर 40 साल के आदमी का देह में सफलता से प्रत्यारोपित कइल गइल बा. सड़क दुर्घटना में घायल सोरह साल के मोहम्मद अरसलान के मौत बियफे का दिने अस्पताल में हो घइल रहे.
- अमेरिका के एगो अदालत 11 गो औरतन के हत्या करे वाला सिरियल किलर के शुक का दिने मौत के सजा सुनवलसि.
- देश के खराब माली हालात का बीचे जनता में भरोसा जगावे खातिर अमेरिकी राष्ट्रपति बराक ओबामा सोमार से तीन दिन बस से घूम के लोग से भेंट करीहे.
- पाकिस्तान का लाहौर शहर में शनिचर सबेरे एगो अमेरिकी नागरिक के कुछ नामालूम लोग उठा ले गइल बा.
- भारतीय मूल के डॉक्टर पर यौन दुराचार के आरोप
- नेपाल के पश्चिमी परबत जिले में एगो आदमी अपना दू गो बेटियन के पानी में डुबा के मार दिहलसि.
- रूस शुक का दिने लीबिया के खिलाफ सुरक्षा परिषद से अंतर्राष्ट्रीय सैन्य कार्रवाई के अनुमति दिहला के समर्थन कइले बावे.
व्यापार व्यवसाय
- दक्षिण पूर्वी एशिया के 10 देशन के संगठन आसियान का साथ समझौता का दायरा में सरकार वस्तुअन के कारोबार का साथे निवेश अउर सेवो क्षेत्र शामिल करल चाहत बिया.
- रूस की विमान निर्माता कम्पनी मिग एह साल का आखिर ले भारतीय नौसेना के पांच गो मिग-29 के/केयूबी लड़ाकू विमान के आपूर्ति करी जवना के आर्डर साल 2004 में दिहल गइल रहे.
- रिलायंस कैपिटल मौजूदा कारोबारी साल का पहिला तिमाही में पिछला साल के एही अवधि से 18 फीसदी बेसी रहल.
- महंगाई आ रमजान का चलते अबकी के स्वतंत्रता दिवस का समय पतंग के बिक्री बहुते कम होत बा.
- देश के विदेशी पूंजी भंडार पांच अगस्त के खतम भइल हफ्ता मे पिछला हफ्ता का बनिस्बत 1.86 अरब डॉलर घट गइल.
- सरकारी स्वामित्व वाली नेशनल एल्युमिनियम कम्पनी लिमिटेड (नाल्को) चालू वित्त वर्ष का पहिला तिमाही में शुद्ध लाभ में 32 प्रतिशत के बढ़ोतरी दर्ज करवले बिया.
- उत्पादन का मामिला में दुनिया के सबले बड़हन कोयला खनन कम्पनी, कोल इंडिया चालू वित्त वर्ष का पहली तिमाही में पिछला साल का बनिस्बत 64 प्रतिशत बढ़ोतरी दर्ज करवले बिया.
मनोरंजन
- पटना सहित बिहार के सिनेमाघरन में फिल्म ‘आरक्षण’ देखे खातिर बड़हन उमड़त बा. दर्शकन के एह फिल्म में विवाद लायक कवनो बाते नइखे लउकत. बाकिर लालू प्रसाद के राजद फिल्म के कुछ संवादन पर आपत्ति जतवले बिया.
- आंध्र प्रदेश अउर पंजाब सरकार प्रकाश झा के फिल्म ‘आरक्षण’ पर लगावल प्रतिबंध शनिचर का दिने हटा लिहले जवना का बाद दुपहर बाद दुनु राज्य में फिल्म देखावल जा रहल बा. अब खाली यूपी में प्रतिबंध लागल बा.
- बिआह आ महतारी बने के सुख उठवला का बाद अब पाँच साल का अंतराल का बाद करिश्मा कपूर ‘डेंजरस इश्क’ फिल्म से अभिनय का मैदान में फेर से उतरल बाड़ी बाकिर एकरा के ऊ वापसी नइखी कहल चाहत.
- संजय दत्त फेरु अपना देह पर एगो नया गोदना गोदववले बाड़न. अब उनुका देह पर आठ गो गोदना बन गइल बा.
- अभिनेत्री अउर गायिका रोजीलिन सांचेज शुक का दिने ट्विट कइले बाड़ी कि ऊ पेट से बाड़ी आ अपना पहिला बच्चा के जनम देबे वाली बाड़ी.
- अभिनेता राजीव खंडेलवाल के कहना बा कि उनुकर आवे वाली फिल्म ‘साउंडट्रैक’ के कहानी बहुत कुछ उनुका अपना जिनिगी से मिलत जुलत बावे.
खेल
- एजबेस्टन टेस्ट मैच में भारतीय क्रिकेट टीम एक पारी आ 242 रन से हार गइल जवना का बाद ओकर टेस्ट के नंबर वन टीम होखे के रुतबो छीना गइल बा. अब क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड टीम के शर्मनाक प्रदर्शन का बाद जिम्मेदार लोग पर कार्रवाई करे के मन बनावत बा जवना मे फ्लेचर पर कवनो कार्रवाई हो सकेला.
- विश्व बैडमिंटन चैम्पियनशिप के महिला एकल वर्ग के क्वार्टर फाइनल में भारत के सायना नेहवाल के हरावे वाली चीनी खिलाड़ी जिन वांग दोसर मैच हरला का बाद खिताब का दौड़ से बाहर हो गइल बाड़ी.
- भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान रहल सौरव गांगुली के कहना बा कि अब मान लेबे के चाहीं कि भारतीय टीम मौजूदा टेस्ट श्रृंखला में बेहद साधारण प्रदर्शन कइले बिया.
- ब्रिटेन का राजधानी लंदन में होखे जा रहल साल 2012 ओलम्पिक खेल से पहिले ओलम्पिक मशाल के दीदार पाकिस्तानी जनता ना कर पाई काहे कि ओलम्पिक समिति सुरक्षा कारण बतावत मशाल पाकिस्तान ना भेजी.
- इंग्लिश क्रिकेट टीम के सलामी बल्लेबाज एलिस्टर कुक के अफसोस रहि गइल कि एजबेस्टन में 294 रन के शानदार पारी खेलले बाकिर आपन पहिला तिहरा शतक ना बना पवले.
- अमेरिका के अनुभवी महिला टेनिस खिलाड़ी सेरेना विलियम्स डब्ल्यूटीए रोजर्स कप टूर्नामेंट का सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़ी, अब उनुकर मुकाबिला विश्व के चउथा वरीयता वाली खिलाड़ी बेलारूस के विक्टोरिया अजारेंका से होखी.
- बेहतरीन फॉर्म में चलत विश्व के माथ वरीयता वाला सर्बियाई टेनिस खिलाड़ी नोवाक जोकोविक एटीपी मांट्रियल मास्टर्स टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में आ गइले. मौजूदा सत्र में जोकोविक के ई 51वां जीत रहल.
- इंग्लिश क्रिकेट टीम के खिलाड़ी रहल डेविड लॉयड के कहना बा कि विकेट के पीछे कप्तान महेंद्र सिंह धौनी के हारल थाकल लउकल मौजूदा भारतीय टीम के चरित्र अउर हालात के हाल बयां करत बा.
- एजबेस्टन टेस्ट : हार अउर श्रृंखले ना, ताजो बचावल मुश्किल भइल. तीसरा टेस्ट मैच में भारत का सोझा पारी से हार के खतरा खड़ा बा आ बांचे के कवनो राह नइखे लउकत.एकरा बाद ओकरा से नम्बर वन टेस्ट टीम के ताज छीन लिहल जाई.
- भारत के रोहन बोपन्ना आ उनुका पाकिस्तानी जोड़ीदार एहसाम उल हक कुरैशी के जोड़ी एटीपी रोजर्स कप टूर्नामेंट में हार के बाहर हो गइल.
- स्कॉटलैंड क्रिकेट टीम के बल्लेबाज नील मैक्लम अंतर्राष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास के एलान कइले बाड़े. ऊ अतवार का दिने काउंटी क्रिकेट के क्लाइस्डेले बैंक-40 ओवर प्रतियोगिता में हैम्पशायर का खिलाफ आखिरी बेर खेलीहे.
- दुनिया के माथ वरीयता पवले मलेशियाई खिलाड़ी ली चोंग वेई अपना विजय अभियान पर लगातार बढ़त बैडमिंटन चैम्पियनशिप का सेमीफाइनल में आ गइल बाड़न.
- वेस्टइंडीज क्रिकेट टीम के युवा बल्लेबाज डेरेन ब्रावो क्लाइडेस्डेल बैंक (सीबी)-40 ओवर प्रतियोगिता खातिर काउंटी क्रिकेट क्लब नॉटिंघमशायर का साथे करार कइले बाड़े.
- दुनिया के चउथा वरीयता वाली बेलारूस की महिला टेनिस खिलाड़ी विक्टोरिया आजरेंका आ आस्ट्रेलिया के सामंथा स्टोसुर डब्ल्यूटीए रोजर्स कप टूर्नामेंट के अंतिम-4 में पहुंच गइल बाड़ी जा.
- दुनिया के माथ वरीयता पर रहल अमेरिकी टेनिस खिलाड़ी सेरेना विलियम्स डब्ल्यूटीए रोजर्स कप टूर्नामेंट का सेमीफाइनल में पहुंच गइल बाड़ी.
- जिम्बाब्वे क्रिकेट टीम के मध्यम गति के गेंदबाज ब्रायन विटोरी अपना शानदार गेंदबाजी से एकदिना क्रिकेट में उतरे वाला मैच यादगार बना दिहले.
- दुनिया के माथ वरीयता पवले सर्बियाई टेनिस खिलाड़ी नोवाक जोकोविक अउर फ्रांस के जो-विल्फ्रेड सोंगा अपना-अपना मुकाबला के जीतके एटीपी मांट्रियल मास्टर्स टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में आ गइल बाड़े.
0 Comments