Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर (बियफे, 8 अक्टूबर 2015)
  • प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बियफे से शुक का बीच बिहार में छह गो चुनावी सभा के संबोधित करीहें. बियफे के दिन पीएम मोदी सबेरे दस बजे मुंगेर में, साढ़े एगारह बजे बेगूसराय में, दुपहरिया में एक बजे समस्तीपुर में, आ दुपहरिया दू बजे नवादा में चुनाव सभा करीहें. जान जाईं कि पीएम मोदी बिहार में चुनाव प्रचार खातिर पूरा समय देत बाड़ें आ उनुके के आगा राख के एनडीए चुनाव लड़त बिया.
  • आज एगो टीवी चैनल के सर्वे में बतावल गइल कि चुनाव में भाजपा के बहुमत मिले के पूरा आसार बन गइल बा. एही चैनल पर अबले के सर्वे में एनडीए के पिछड़ल देखावल जात रहुवे बाकिर दू अक्टूबर तक करावल एह सर्वे में एनडीए महागठबन्हन के पछाड़त आगे निकल गइल बा.
  • बिहरा में दुसरका बेर चुनाव प्रचार करे आइल राहुल बछवाड़ा में कांग्रेस के चुनाव प्रचार कइले. बाकिर उनुका मंच पर राजद के कवनो नेता मौजूद ना रहले. राहुल कहलन कि मोदी तरह तरह के रंग के कपड़ा पहिरेलें जबकि नीतीश कुमार खाली उजर कपड़ा पहिरेले एह से इनका पर भरोसा कइल जा सकेला. राहुल के सभा से भाजपा वाले बहुते खुश होलें काहे कि राहुल के बचकाना भाषण से भाजपा के वोट बढ़े के उमेद बढ़ जाला. राहुल कहलन कि हाल के विदेश यात्रा का दौरान मोदी सोलह बेर कपड़ा बदललन. शायद इहे देखे खातिर राहुलो उनुका पाछा विदेश चल गइल रहुवन.
  • पटना के एगो अदालत सपा के प्रदेश अध्यक्ष रामचंद्र यादव आ राजद विधायक सुरेंद्र यादव के गिरफ्तारी पर रोक लगा दिहले बिया. एह लोग पर धोखा देबे आ रंगदारी मांगे के आरोप बा. कहलस कि पुलिस पहिले एह लोग का खिलाफ सबूत जुटा के पेश करो.
  • विधान सभा चुनाव के चउथका दौर के मतदान खातिर अधिसूचना जारी होखला का बाद काल्हु बुध 7 अक्टूबर से ओहू चरण खातिर परचा दाखिल करे के काम शुरु हो गइल. एह दौर के मतदान 1 नवंबर के होखे वाला बा. तिसरका चरण के परचा दाखिल करे के काम आजु बियफे का बाद पूरा हो जाई. एह दौर ला अबहीं ले 625 गो उमेदवार परचा दाखिल क चुकल बाड़ें.
  • 12 अक्टूबर के होखे वाला पहिला दौर के वोटिंग 49 गो सीट पर करावल जाई आ एह दौर खातिर सुरक्षा बलन के तैनाती के काम शुरु क दीहल बा. एगारह राज्यन से आइल केन्द्रीय सुरक्षा बल के जवानन के तैनाती कइल जा रहल बा.
  • लालू के कंस के वंशज बतावे वाला योग गुरू से लालू यादव नाराज हो गइल बाड़ें आ कहत बाड़े कि रामदेव डीरेल हो चुकल बाड़ें आ महज दवाई बेचे वाला हउवन.
  • बिहार के कैमूर जिला के मोहनिया में मंगल देर रात पर्यटक से भरल बस एगो ट्रक से टकरा गइल जवना चलते सात गो पर्यटकन के मौत हो गइल आ बीसो ले अधिका लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • वाराणसी में हालात थिरा गइल बा आ ओहिजा से कवनो तरह के खराब खबर नइखे. बुध का दिने स्कूल आ काॅलेजो खुल गइली सँ.
  • मुख्यमंत्री अखिलेश यादव मैट्रिक परीक्षा में उर्दू में बेहतरीन नंबर ले आवे वाला विद्यार्थियन के सम्मानित कइलन आ ओहनी के इनामो दिहलन. कवनो भाषा के कवनो मजहब से जोड़ल ठीक ना कहाई बाकिर उर्दू वालन पर एतना कृपा के मतलब एही से बा कि एगो खास समुदाय के भाषा बन गइल बिया उर्दू. अगर एकरा के नागरी लिपि में लिखल जाव त एकरा के अधिका लोग पसन्द करीत बाकिर विदेशी लिपि होखला का चलते उर्दू मजहब विशेष के भाषा बन के रह गइल बिया.
  • यूपी में 9 तारीख के होखे वाला क्षेत्र आ जिला पंचायत चुनाव के प्रचार के काम बुध का दिने पूरा हो गइल आ अब आजु शान्ति का माहौल में लोग तय करी कि केकरा के वोट देबे के बा.
  • दादरी कांड में अखलाक के परिवार के यूपी सरकार का तरफ से 45 लाख रुपिया मुआवजा देबे का खिलाफ एगो मामिला इलाहाबाद उच्च न्यायालय के लखनऊ पीठ में पहुंचल बा. यूपी सरकार पर मुआवजा देबे में मजहब का आधार पर भेदभाव करे के आरोप लागत रहेला.
  • उत्तर प्रदेश में डॉलफिन (सोंस) गिने के काम वन विभाग आ डब्ल्यूडब्ल्यूएफ इंडिया मिल के गंगा आ ओकरा सहायक नदियन – यमुना, केन, बेतवा, चंबल, घाघरा अउर गेरुआ – में शुरु कर दिहले बावे.
  • स्थानीय निकाय चुनाव में गड़बड़ी आ हिंसा का चलते ममता विरोधी गोलन के दबाव से आजीज आ के पश्चिम बंगाल के राज्य चुनाव आयुक्त एस.आर. उपाध्याय के इस्तीफा सकार लिहल गइल बा आ अब पश्चिम बंगाल के परिवहन सचिव अलापन बंद्योपाध्याय के अंतरिम चुनाव आयुक्त बना दीहल बा.
  • वाराणसी में भइल बवाल में कांग्रेसी विधायक अजय राय के गिरफ्तारी का बाद से मीडिया के चुप्पी सुने जोग बा. अगर कवनो भाजपाई पकड़ाइल रहीत त एहनी के भूंकल देखते बनीत.
  • देश के तीन सौ बावन जिला में टीकाकरण अभियान के मिशन इन्द्रधनुष के दुसरका दौर बुध का दिन से शुरु हो गइल. एह मिशन में 2 बरीस से छोट हर बच्चा के टीका देबे के निशान बनावल गइल बा.
  • शिवसेना के धमकी के बाद पाकिस्तानी गजल गायक गुलाम अली के मुंबई में होखे वाला कार्यक्रम रद्द कर दीहल गइल. आयोजक ई फैसला शिवसेना नेता उद्धव ठाकरे से बात कइला का बाद कइलें.
  • नयनतारा सहगल का बाद अब एगो अउर साहित्‍यकार अशोक वाजपेयीओ आपना सम्मान वापिस करे के एलान कइले बाड़न. हालांकि एह लोग के एह तरह के हरकत का खिलाफ साहित्य अकादमी के अध्यक्ष के बयान आइल बा कि साहित्य में राजनीति घुसेड़ल ठीक ना कहाई. ओने ट्वीटर पर मजाक होखत बा कि शायद अब देखा देखी सोनियो गाँधी आपन सम्मान वापिस कर दीहें.
  • केन्‍द्र सगरी मुख्‍यमंत्रियन से अपील कइले बावे कि निचला पदन पर होखे वाला बहाली में साक्षात्‍कार के व्‍यवस्‍था खतम कर दीहल जाव. एहसे बहाली में होखेवाला भ्रष्टाचार बहुत हद तक कम कइल जा सकी.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री मुफ्ती मोहम्मद सईद बुध का दिने बतवलें कि जम्मू इलाका में सीमा पर रहेवालन ला बीस हजार से बेसी बंकर बनावल जाई.
  • अपमा मेहरारू पर अत्याचार करे के आरोपी आ दिल्ली कानून मंत्री रहल आआपा नेता सोमनाथ भारती के बुध का दिने दिल्ली के एगो अदालत से जमानत मिल गइल.
  • रेलवे अपना कर्मचारियन के 78 दिन के बोनस देबे के एलान कइले बिया. मंत्रालय एकरा के मंजूरी दे दिहले बावे. करीब 12 लाख कर्मचारियन के एहसे फायदा मिले वाला बा. पिछला तीन बरीस से रेलवे 78 दिन के बोनस देत आइल बिया.
  • करिया धन का खिलाफ चलावल जात अभियान के मजबूती देबे खातिर भारत सरकार इजरायल आ वियतनाम संगे एगो टैक्स से जुड़ल समझौता के मंजूरी दे दिहलसि.
  • बुध का दिने शेयर बाजार में तेजी बरकरार रहल आ सेंसेक्स 103 अंक ऊपर बंद भइल. निफ्टी में 25 अंक के मामूली बढ़त देखे के मिलल.
  • चीन के विदेशी पूंजी भंडार सितंबर महीना में घट के 3,510 अरब डॉलर रह गइला के जानकारी ओहिजा के केंद्रीय बैंक बुध का दिने दिहलसि.
  • बीएसएनएल हर महीना अढ़ाई लाख नया गाहक जोड़े के योजना बनवले बा. एकरा ला कंपनी सस्ता डाटा सेवा दीही. रोमिंग पहिले ही फ्री कर चुकल बिया कंपनी.
  • मंगल का दिने बेंगलुरू में पीएम मोदी बतवनी कि देश में दिवालियापन से जुड़ल कानून भारतो में जल्दिए से बनावल जाई.
  • इंडियन सुपर लीग फुटबॉल में बुध का दिने गोवा में खेलल गइल एटलेटिको-डि-कोलकाता आ एफ सी गोवा के बीच के मुकाबला 1-1 गोल का बरोबरी पर छूटल.
  • न्यूजीलैंड से दोसरका मैंच में भारत ओकरा के तीन गोल बनाम एक गोल से हरा दिहलसि. पहिला मैच में भारत दू गोल से हारल रहुवे.
  • नाइजीरिया के दमातुरु शहर में बुध का दिने भइल तीन गो फिदायिन हमला में मरेवालन के गिनिती बढ़ के 18 हो गइल बा. जबाबी हमला में सेना एक सौ आतंकियन के मार गिरावे के दावा कइले बिया.
  • एह खबरन का अलावे आजु के टटका टटका खबर देखल मत भुलाएब.

0 Comments