टटका खबर, मंगल, २१ फरवरी २०१२

बिहार

  • विधानसभा के सत्र आजु राज्यपाल देवानंद कुंवर के अभिभाषण से शुरू भइल. विपक्षी विधायक जम के हंगामा मचवलन आ राज्यपाल कई बे ओह लोग से शांत रहे के निहोरा कइले बाकिर ऊ लोग अपना नारेबाजी में लागल रहल आ जबले राज्यपाल बोलत रहले तबले चलत रहल.
  • बिहार बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा काल्हु बुध से शुरु होखे वाला बा. अगर कवनो परीक्षार्थी के प्रवेश पत्र नइखे मिलल त ओ बोर्ड के वेबसइट से आपन प्रवेशपत्र डाउनलोड कर सकेला. एह डाउनलोड एडमिट कार्ड का साथे पंजीयन शुल्क के असल रसीद होखल जरूरी रही.
  • छपरा में आरपीएफ के सबइंसपेक्टर चंदन कुमार के बरखास्त कर दिहल गइल बा. चंदन पर आरोप बा कि ऊ अपना काम में कोताही करत बाड़न. आठ महीना पहिलें चंदन के ट्रांसफर गोरखपुर खातिर कर दिहल गइल रहुवे बाकिर ऊ गइलन ना आ छपरा मे विरोध करत रहलन.

उत्तर प्रदेश

  • राहुल गाँधी पर आचार संहिता लाँघे के मुकदमा दर्ज भइला का खिलाफ कांग्रेस हाई कोर्ट में जाई. दिग्विजय सिंह कहलन कि मायावती का इशारा पर मामिला दर्ज करावल गइल बा. कानपुर में प्रशासन के लगावल रोक का बावजूद राहुल गाँधी आपन रोड शो निकललन. चुनाव आयोगो एह मामिला के आचार संहिता के लाँघल मनले बिया.
  • पाँचवा दौर के मतदान खातिर प्रचार के काम बंद हो गइल. एह इलाका में बियफे का दिने वोट डालल जाई.
  • छठवाँ आ सतवाँ दौर के मतदान वाला इलाका में प्रचार के काम अपना तेजी पर चहुँपल.
  • देर से आइल खबर में कहल गइल बा कि बक्सर का ब्रह्मपुर धाम पर महाशिवरात्रि का दिने भइल भगदड़ में बलिया जिला के फेफना इलाका के थम्हनपुरा गाँव के एगो औरत कचरा के मर गइल आ दू गो अउरी औरत घवाहिल हो गइली सँ.
  • मऊ के सहादतपुरा हाइडिल कालोनी के चहारदिवारी गिरावे का खिलाफ विरोध करत बिजली कर्मी पूरा मऊ जिला के बिजली मंगल का दिने ठप्प कर दिहले. बाद में जब रात में देवार जोड़ाये लागल तब जा के बिजली सप्लाई रात साढ़े आठ बजे से शुरू भइल.

देश

  • आचार संहिता से परेशान कांग्रेस का नेतृत्व में चलत केन्द्र सरकार अब आयोग पर लगाम लगावल चाहत बिया. मंत्रीमंडल विचार करे वाला बा कि आचार संहिता के वैधानिक दर्जा दे दिहल जाव जवना का बाद ओकरा के लांघे के मामिला कोर्ट में चले आ आयोग के कवनो काम ना रहे. चुनाव आयोग एकर कड़ा विरोध कइले बा. एह चुनाव में सलमान खुर्शीद, बेनी प्रसाद वर्मा आ राहुल गाँधी आचार संहिता के लाँघे का मामिला उठल बा. खुर्शीद माफी माँग लिहले, बेनी के कुछ इयादे नइखे आवत आ राहुल के मामिला में कांग्रेस कोर्ट जाये के बात करत बिया.
  • राजस्थान के भंवरी देवी हत्याकांड मामिला के जाँच करत सीबीआई टीम अदालत से कहले बिया कि ओकरा लगातार धमकी मिलत बा. कहलसि कि एही तरह के धमकियन का चलते गवाह आपन बयान बदल देत बाड़े.
  • महाराष्ट्र के स्थानीय निकाय चुनाव का दौरान विधायक रावसाहब शेखावत से मंगल का दिने पूछताछ भइल. राव साहब राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल के बेटा हउवन.

दुनिया

  • यमन में नया राष्ट्रपति चुनाव का दौरान हिंसा भड़क गइल बा. मंगल का दिने एह खातिर वोट डालल गइल. एह हिंसा में चार आदमी के मौत हो गइल बा. खास बाति ई बा कि एह चुनाव में इकलौता उम्मीदवार बाड़न मौजूदा उपराष्ट्रपति अब्द रब्बु मंसुर हादी.
  • पाकिस्तान के मेमोगेट मामिला में मंसूर एजाज के बयान बुध का दिने वीडियो कांफ्रेसिंग का जरिये रिकार्ड करावल जाई. पाकिस्तान सरकार एजाज के सुरक्षा के वचन ना दिहलसि एहसे एजाज पाकिस्तान ना अइले गवाही देबे खातिर.

शिक्षा

  • आईएसईईटी के प्रवेश परीक्षा मुद्दा पर बुध का दिने देश भर के शिक्षामंत्रियन के बइठक दिल्ली मे बोलावल गइल बा. केन्द्रीय मानव संसाधन मंत्री कपिल सिब्बल के कहना बा कि देश के एगारह गो शिक्षा बोर्ड एह परीक्षा के समर्थन कइले बाड़े. बाकीओ बोर्ड के विचार जाने खातिर उ बइठक बोलावल गइल बा. प्रस्ताव बा कि बोर्ड परीक्षा में न्यूनतम अंक के सीमा हटा दिहल जाव आ सगरी बारहवीं पास विद्यार्थी ई प्रवेश परीक्षा दे सकसु.
  • मगध विश्वविद्यालय के आनलाइन करे खातिर नेशनल मिशन आफ नॉलेज प्रोजेक्ट का तरफ से चालीस लाख रुपिया आ चार सौ कंप्यूटर दिहल जाई. एकरा बाद विश्वविद्यालय आ एकरा से जुड़ल सैंतालिसो कॉलेज आनलाइन हो जाई.
  • बनारस के उदयप्रताप कॉलेज के केंद्र का तरफ से एक करोड़ के अनुदान फण्ड फार इंप्रूवमेंट आफ साइन्स एंड टेक्नोलॉजी का तहत दिहल गइल बा. राज्य में ई अनुदान पावे वाला ई पहिला कॉलेज बावे.

बिजनेस

  • वित्त मंत्रालय विज्ञप्ति जारी कर दिहलसि कि अब पाँच लाख रुपिया तक सालाना आमदनी वाला कर्मचारियन के आयकर रिटर्न ना भरे के पड़ी. हालांकि छूट ओही लोग खातिर बा जिनकर आमदनी वेतन भा बैंक से मिलल ब्याज वगैरह से होला. व्यापारियन के ई छूट नइखे.
  • मुंबई शेयर बाजार के सूचकांक में काल्हु १३९ अंक के उछाल दर्ज भइल आ सात महीना के सबले ऊंच स्तर पर चहुँपल सेंसेक्स. सोना के दाम बढ़ल बाकिर डॉलर रुपिया का मुकाबले सस्ता हो गइल.
  • विदेशी बैंक में राखल धन पर संपति कर लगावे के प्रस्ताव पर संसदीय समिति विचार करत बिया.

खेल

  • तिकोनिया एकदिना क्रिकेट शृंखला में श्रीलंका से मैच हार के भारत सबले नीचे आ गइल बा. काल्हु के मैच में भारत ५१ रन से हार गइल काहे कि ओकर बड़का खिलाड़ी कवनो कमाल ना कर सकले.
  • महिला हॉकी में काल्हु दक्खिन अफ्रीका आ इटली के मैच एक एक गोल का बरोबरी पर रह गइल. दक्खिन अफ्रीका के टीम अबही तालिका के माथ पर बा.
  • पुरूष हॉकी मैच में सिंगापुर आ कनाडा के मैच में सिंगापुर फेर हार गइल. अबले ऊ आपन तीनो मैच हार चुकल बिया.

0 Comments