Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, मंगल 25 दिसंबर 2020 के

अदालत के अपमान करे के दोसी मानल गइल वकील प्रशान्त भूषण के सजा देबे के फैसला सुप्रीम कोर्ट में सुरक्षित राख दीहल गइल. वकीलन के एकजुट राय रहुवे कि प्रशान्त के कवनो सजा ना दीहल जाव. प्रशान्त अपना बयान ला माफी मांगे के तइयार नइखन आ अदालत के बुझात नइखे कि छोड़ल जाव त का कहिके. एहसे फैसले लुका लिहल गइल बा.

कार्यसमिति का बइठक में बेइज्जति करवला का बाद सोनिया गाँधी आ राहुल गाँधी जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री रहल आ राज्यसभा में नेता प्रतिपक्ष गुलामनबी आजाद के सुघरावे ला फोन कइल लोग.

यूपी में हर तरह के धार्मिक आ सांस्कृतिक आयोजन करे पर लागल रोक अबहीं जारी रही. काल्हु मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कहनी कि एह तरह के आयोजन ना करे दीहल जाव आ कोविड 19 के ध्यान में राखत कड़ाई से रोकल जाव.

पूर्वी चंपारण के पिपरा कोठी इलाका के हथियाहीं गाँव में मंगल का दिने मोटरसाइकिल से आइल दू गो अपराधी एगो नवही के गोली मार के भाग गइलें. घवाहिल नवही के मौत बाद में अस्पताल में इलाज के कोशिश का बावजूद हो गइल.

सोटरसाइकिल से घरे लवटत तरैयां इलाका के तीन जने छपरा सतरघाट रोड पर मंगल का राति एगो ट्रक से धक्का लगला का चलते गिर गइलें. एह हादसा में चालक के पत्नी के मौत हो गइल जब कि जू जने गभीराह घवाहिल हो गइलें. धक्का मारे वाला ट्रक ड्राइवर हादसा का बाद ट्रक छोड़ के भाग गइल.

पूर्वी चंपारण जिला के पिपरा इलाका के बिसुनपुरा गाँव के एगो आदमी चकिया के राम जानकी मंदिर का नियरा एगो गड़हा में डूबला से मर गइल. पिपरे इलाका के तजैयापुर गाँव के एगो लड़िकी के मौत तालाब में डूबला का चलते हो गइल. बतावल जात बा कि मैदाने गइल लड़िकी के गोडड बिछिलइला से ऊ तालाब में डूब गइल.

बैंक से एक लाख रुपिया निकाल के घरे आवत घरी पुर्वी चंपारण के मधुबन इलाका के भेलावां गाँव के एगो आदमी से लछुमन पकड़िया चौक पर दू गो अपराधी रुपिया वाला झोरा छीन के भाग गइलें.

बकरी बचावे का फेर में कुशीनगर के जटहां इलाका के घूर छपरा गाँव के एगो आदमी बिजली का खंभा में उतरल करंट का चपेटा में अपने आ गइल आ ओकर मौत हो गइल.

सारण जिला के मशरक इलाका के जजौली गाँव में सोमार देर राति 40 बरीस के एगो औरत के मौत साँप कटला का चलते हो गइल.

सारण जिला के उमदा गाँव के रहे वाला कपड़ा व्यापारी मंगल का दिने बैंक से एक लाख रुपिया निकाल के साहेबगंज बाजार जात रहलें जब छपरा के डाकबंगला रोड पर मोटरासाइकिल सवार अपराधी रुपिया के झोरा झपटत भाग गइलें.

देवरिया पुलिस शराब के नाजायज धंधा करे वाला चार जने के 34 लाख रुपिया के शराब ले जात घरी गिरफ्तार कर लिहलसि. चार पहिया वाहनो जब्त कर लीहल गइल बा.

बस्ती पुलिस नौ गो अपराधियन पर गैंगस्टर एक्ट लगा दिहलसि.

जौनपुर के बक्शा इलाका में मछरी मारे तालाब में उतरल दू गो नवही डूबला से मर गइलें.

सारण जिला के भगवान बाजार इलाका में अम्बिका कॉलोनी में पानी भरल गड़हा में से बिजली के अर्थिंग जोड़ल पाइप उखाड़े का फेर में दू गो कबाड़ियन के मौत हो गइल.

गोंडा जिला के देहात कोतवाली इलाका में हनुमंत नगर मोड़ का लगे भइल एगो बस आ कार के टक्कर में कार से जात मरद मेहरारु के मौत ठावे पर हो गइल.

प्रयागराज के हंडिया इलाका में दुमदुमा गाँव में अपना ससुरारी आइल किरांव गाँव के एगो आदमी राति में बगइचा जा के एगो गाछ पर फाँसी लगा लिहलसि. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.

सोमार राति एगो सराध खा के लवटत आजमगढ़ के नवादा बाजार क्षेत्र पंचायत सदस्य के गोली मार के हत्या क दीहल गइल. बाद में खिसियाइल लोग बवाल काटल आ बाजार में खड़ा दू गो मोटरसाइकिल फूंक दीहल.

गोपालगंज के हजियापुर चौक का लगे एगो ट्रक का चपेटा में पड़ला का चलते बाइक से जात जीन जने में से दू जने के मौत हो गइल.

जौनपुर के बदलापुर इलाका में दुगौलीकला गाँव में पानी में डूबल रपटा पुल पार करे का फेर में एगो मौटरसाइकिल बह गइल आ ओह पर सवार एगो नवही के मौत हो गइल. दोसरका के बचा लीहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *