टटका खबर, वैशाख अँजोरिया सप्तमी 2079 विक्रमी, अतवार (अपडेट)

राहुल गाँधी के भक्त अइसहीं भाजपा के स्टार प्रचारक ना कहेलें. आजु एगो ट्वीट क के राहुल गाँधी बता दिहलन कि उनुका महतारी का निर्देशन मे चले बाला मनमोहन सरकार का दौरान साल 2015 में 1237 रुपिया दाम वाला रसोई गैस आजु आठ बरीस बाद 999 रुपिया में पड़त बा.

सबसिडी के चरचा त अइसे कइले बाड़न जइसे कि सबसिडी उनुका ममहर से आवत रहल होखे. सभे जानत बा कि सबसिडी के दाम घूमा फिरा के हमनिए का कमाई से वसूले ले सरकार. सोच लीं कतना भ्रष्टाचार रहल होखी तब कि रसोई गैस के एक सिलिण्डर 1237 रुपिया में पड़त रहल आ ओकर वसूली सरकार बजट प्रावधानन से करत रहल. आ अब रसोई गैस के दाम कम पड़ला का चलते पूरा कोराना काल में देश के 80 करोड़ गरीब परिवारन के मुफ्त में राशन दीहल गइल आ आजु ले दिआता. सरकार का लगे पइसा बाँचत बा त ओकरा के देश के सुरक्षा पर आ सुविधा निर्माण पर खरच कइल जा रहल बा. राहुल गाँधी के बाप राजीव गाँधिओ कहले रहलें कि सरकार का हियां से चलल एक रुपया जनता ले चहुँपत महज 15 पइसा के रहि जाला.

विश्व प्रसिद्ध श्रीबद्रीनाथ धाम के कपाट आजु अतवार का दिने वैदिक मंत्रोच्चारण का बीच पूरा धार्मिक विधि विधान का साथ श्रद्धालुअन के दर्शन ला खोल दीहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *