टटका खबर, वैशाख अंजोरिया षष्ठी, 2079 विक्रमी

वाराणसी के विवादित मस्जिद ज्ञानवापी के वीडियोग्राफिक सर्वे के काम विरोध का बावजूद‌ आजुओ कइल गइल। काल्हु शुक का दिने जुटल भीड़ का चलते काम पूरा ना हो सकल रहे। हालांकि अपना के देश, कानून, संविधान से ऊपर माने वाला मुसलमान आजुओ टीम के मस्जिद में ना घुसे दिहले. अदालतो के बेंवत नइखे कि अपना एह अपमान पर कवनो सजा दे सकसु.

रसोई गैस के दाम आजु फेरु बढ़ा दिहलसि तेल कंपनी। ट्विटर का जमाना में सड़क पर उतरकर भुला चुकल विरोधी बयान जारी कइला से इतर अधिका कुछ नइखन‌ कर पावत।

तेलंगाना आइल राहुल गांधी दावा कइलन कि अगिला विधानसभा चुनाव ला टक्कर कांग्रेसे‌ से होखी टीआरएस के। उनुकर कहना बा कि भाजपा तेलंगाना‌ में बिना‌ दम के बिया। इहो कहलन कि ओवैसी से तालमेल के जरुरत नइखे।

आजु भइल आईपीएल के एगो मैच में राजस्थान रायल टीम‌ छह विकेट से पंजाब किंग्स के हरा दिहलसि।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।