‘हिन्दू आतंकवाद’ कहला खातिर घेराइल कांग्रेस एह फन्दा से निकले खातिर छटपटाए लागल बिया. ओकर कहना बा कि भाजपा देश में फिरकावाराना पोलराइजेशन करावे खातिर एह बात के फेरू उठवले बिया. एक तरह से आपन गलती मानत कांग्रेसी राज में देश के गृहमंत्री रहल सुशील कुमार शिन्दे मान लिहलें कि एक बेर जयपुर का एगो सभा में उनुका मुँह से हिन्दू आतंकवाद निकलल जरुर रहुवे बाकिर ऊ तुरते एकरा के सुधारत कहले रहलन कि आतंकवाद के कवनो मजहब ना होखे. बाकिर भगवा आतंकवाद के बात करे वाला पी चिदंबरम आ हिन्दू समूह के आतंकवादियनो से खतरनाक बतावे वाला राहुल गाँधी का तरफ से कवनो सफाई अबले नइखे आइल.
मणिपुर में जमीन घसकला का चलते नाहियो त डेढ़ दर्जन लोग के जान चल गइल. भारी बरखा का बाद जमीन घसकला का डलते मणिपुर के चंदेल जिला में करीब डेढ़ दर्जन लोग मर गइल बा आ ओह लोग के फौरन मदद ना कइल जा सकल.
कांग्रेसी नेता गुरुदास कामत बदतमीजी आ बेहूदगी के सीमा लाँघत केन्द्रिय गृहमंत्री स्मृति इरानी के होटल में पोंछा लगावे वाला बतावल कहलस कि पता ना कवन पाठ सिखवली कि मोदी उनका के अतना बडहन मंत्री बना दिहलन. एह बयान के चउतरफा निंदा होखत बा बाकिर बेहया कांग्रेस अपना एह बेहूदा नेता का खिलाफ कवनो कार्रवाई नइखे करत. अब कामत के राष्ट्रीय महिला आयोग का तरफ से अपना बयान पर पोंछा लगावे के आदेश दीहल गइल बा.
बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले आपन मनमाफिक प्रशासनिक अमला बनावे खातिर बिहार सरकार 36 गो आईएएस आ 41 गो आईपीएस अधिकारियन के तबादला कर दिहलसि. चुनाव आयोग के दौरा से पहिले ई काम कर लिहलसि बिहार सरकार.
मुस्लिम वोट बैंक के अपना राजनीति के आधार बना चुकल सेकूलर जमातन के चुनौती बन के उभरल बाड़े अब सोझे सोझी खुलेआम मुस्लिम फिरकावाराना राजनीति करे वाला गोल. अइसने एगो गोल इत्तेहाद-ए-मिल्लत काउंसिल (एआईएमसी) बिहार विधानसभा के चालीस गो मुस्लिम बहुल इलाका से आपन उमेदवार उतारे के बात कहत बिया. एकरा खातिर 16 तारीख के पटना में एगो बड़हन मुस्लिम रैली करी मिल्लत काउन्सिल.
भाजपा के अगुआई में चलत राजग के बिहार में पटखनी देबे खातिर साँप आ जहर के जोड़ी का बीच कांग्रेसो के ओकरा मान लायक आ मनजोग सीट देबे के बात कहल जात बा. जदयू, राजद आ कांग्रेस का बीच सीट बंटवारा के फार्मूला करीब करीब तइयार हो चलल बा आ कांग्रेस के ओकरा बेंवत से बेसी 30 गो सीट देबे के बात कहल जात बा. 3 गो सीट राकांपा के देबे के बातो होखत बा. जदयू आ राजद 105-105 सीट पर अपने लड़ीहें.
देश के बड़हन हिस्सा में शनिचर का दिने भारी बरखा का चलते जीवन अस्तव्यस्त हो गइल बा. मणिपुर, मेघालय, उत्तरी गुजरात, कच्छ, पश्चिम बंगाल, राजस्थान, महाराष्ट्र समेत कई जगहा से भारी बरखा के खबर बा. बलिया छपरा में आजु बरखा नामे भर के छिटपुट होखे के खबर बा.
सावन के पहिला सोमारी का दिने होखेवाला भीड़ देखत पुलिस प्रशासन हर जगहा व्यवस्था चउकस करे में जुटल बा. एह दिन वाराणसी, देवघर, आ हरिद्वार समेत अनेके जगहा शिवालयन में भगवान शिव के आराधना खातिर करोड़ों लोग जुटेला.
बिहार विधान मंडल के मानसून सत्र 3 अगस्त से शुरू होखे जात बा आ 7 अगस्त ले चली. देश के राष्ट्रपति रहल अब्दुल कलाम साहब आ राज्यपाल रहल आर एस गवई के श्रद्धांजलि दीहल जाई आ चौबीस गो विधानपरिषद खातिर चुन के आइल विधानपार्षद लोग के किरिया धरावल जाई.
भाजपा नेता सुशील कुमार मोदी के कहना बा कि अगिला सरकार भाजपा के बनल त शिक्षक लोग के रिटायरमेंट के उमिर साठ बरीस से बढ़ा के बासठ कर दीहल जाई.
टेनिस खिलाड़ी सानिया मिर्ज़ा के भारत के सबले बड़का खेल पुरस्कार खेल रत्न देबे के सिफारिश खेल मंत्रालय का तरफ से कइल गइल बा. सानिया मिर्जा के पिछला बरीस 2014 के हासिल खातिर खेल रत्न से सम्मानित करे के कहल गइल बा. एह समय सानिया दुनिया के सबले माथ महिला डबल्स खिलाड़ी बाड़ी.
मेलबर्न में भारत के जोशना चिनप्पा विक्टोरिया ओपन स्क्वाश टूर्नामेंट के महिला सिंगल्स फाइनल में पहुंच गइल बाड़ी. ऊ सेमीफाइनल में ऑस्ट्रेलिया के क्रिस्टीन नन के हरा के एहिजा चहुँपल बाड़ी.
लॉस एंजलिस में होखत स्पेशल ओलंपिक्स विश्व खेल में रणवीर सिंह सैनी गोल्फ स्पर्धा में स्वर्ण पदक जीते वाला पहिलका भारतीय बन गइलन. ऑटिज्म से पीडि़त रणवीर आ उनकर जोड़ीदार मोनिका जादू काल्हु अपना मुकाबला करे वाली टीम के नौ शाॅट से हरा दिहले.
सीरिया के अलेप्पो शहर में एगो इस्लामी अदालत के आदेश पर नाहियो त दस लोग के गोली मार के मुआ दीहल गइल. अलकायदा से जुड़ल एह इस्लामी अदालत पर सीरिया के सरकारो के बस ना चले आ ई आपन मनमरजी करत रहेलें.
0 Comments