- आपने बनावल नजीर से बड़हन नजीर बनावे के दबाव में आ गइल बिया भाजपा. चुनाव खातिर होखे वाला पीएम के सभा में मुजफ्फरपुरो से बेसी भीड़ जुटावे के दबाव बन गइल बा ओह लोग पर. भाजपा गोल के चाहना बा कि चारो कोना पर चारो रैली में भीड़ जुटावे कें कवनो कोताही मत होखो.
- सारण जिला के रसूलपुर इलाका के बलिया कोठी में बिजली चोरा के डिस्टिल्ड वाटर फैक्टरी चलावे वाला मनोज प्रसाद पर बिजली विभाग साढ़े तीन लाख रुपिया जुर्माना लगवले बा.
- छपरा सदर अस्पताल के आपात कक्ष में सोलर बिजली के इंतजाम हो गइला का बाद अस्पताल के बिजली व्यवस्था में सुधार आइल बा. 25 किलोवाट के एह सोलर पावर प्लांट के केन्द्र सरकार का सहायता से लगावल गइल बा. बाकिर अस्पताल मैनेजर के कहना बा कि जेनरेटर सेवा अबहीं चालू राखल जाई.
- रक्सौल नगर पार्षद आ जदयू के नगर अध्यक्ष के मेहरारू कुसुम अग्रवाल बियफे रात एगो घर में घुस के एगो औरत के पीट पीट के जान ले लिहली. मरे वाली औरत 45 बरीस के माला देवी रहली. तरह तरह के अफवाह उड़त बा एह बाबत. केहू कहत बा कि चोरी का चलते भइल त केहू कहत बा कि नाजायज संबंध का चलते. सही का बा से त पुलिसिया जाँच का बादे पता चल पाई.
- सारण जिला के रिविलगंज नगर पंचायत के मुख्य पार्षद इंदू देवी के खिलाफ ले आवल गइल अविश्वास प्रस्ताव शुक का दिने खारिज हो गइल जब मतदान में उनुका तरफ 21 में से तेरह गो पार्षद वोट क दिहलें. महजसाते गो वोट पड़ल उनुका खिलाफ.
- आजु शनिचर से सावन शुरु हो गइल बा आ एकरा साथही शुरु हो गइल बा हर हर महादेव, बम बम महादेव करत कांवरियन के टोली निकलल. हर शिवाला में पूजा अर्चना करे वाला भक्तन के भीड़ लागल शुरु हो गइल बा आ एक महीना ले चारो ओर काँवरिए लउकीहें. सगरी शिवभक्तन के बधाई आ शुभकामना दीहल जात बा.
- बिहार सरकार राज्य के किसानन के पटवन खातिर पंप चलावे ला डीजल के खरचा पूरा करे खातिर हर लीटर पर 30 रुपिया के अनुदान देबे के फैसला कइले बिया. एहसे एक त कुछ किसानो खुश हो जइहें आ कुछ खरचो निकल जाई चुनाव के. चारा घोटाला के अनुभव के पूरा इस्तेमाल कइल जाव त खरचा से उपरो बटोरल जा सकेला. बस पेट्रोल पंप से रसीद कटावत घरी धियान राखी लोग कि पेट्रोल के रसीद मत कट जाव जइसे कि स्कूटरे मोटर साइकिल पर भैस आ साँढ ढोवा दीहल रहे चारा घोटाला मेंं.
- कांग्रेस परेशान हो गइल बिया अपना हिन्दू आतंकवाद के जिक्र अइला पर आ मांग कइले बिया कि संसद के कार्यवाही से राजनाथ सिंह के ओह बयान के हटा दीहल जाव जवना में गृहमंत्री राजनाथ सिंह कहले रहलें कि कांग्रेस हिन्दू आतंकवाद के शब्द गढ़ के आतंकवाद का खिलाफ लड़ाई के कमजोर बना दिहलसि आ पाकिस्तानी आतंकियन से वाहवाही लूट लिहलसि.
- उत्तर प्रदेश के उत्तर प्रदेश टेक्नॉलजी यूनिवर्सिटी के नाम बदल के ‘ए. पी. जे. अब्दुल कलाम टेक्नॉलजी यूनिवर्सिटी’ करे के एलान कइले बाड़न मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. कहलन कि एगो स्मारको बनावल जाई.
- मिर्जापुर के हरदी सहीजनी गाँव के जनता चौहान राजगीर के काम क के आपन परिवार चलावत रहुवे बाकिर एह बीच महतारी के कैंसर के इलाज में होखेाला खरचा का चलते परिवार चलावल मुश्किल होखे लागल त जनता चौहान दुनू बेकत फाँसी लगा लिहलें. गाँव के लोग लाश उतार के अंतिम संस्कारो करा दीहल तब प्रशासन के पता चलल एह घटना का बारे में.
- वाराणसी के डीएम प्रांजल के मुख्यमंत्री अखिलेश के खास सचिव बनावल गइल बा. आ राजमणि के उनुका जगहा वाराणसी के डीएम. एह लोग का नाम का साथे यादव एह से ना जोड़नी कि बेर बेर यादव लिखे के झमेला मत रहो आ पढ़े वालन के लागे कि यूपी में सब कुछ यादवे यादव बा.
- बलिया शहर के लोगन के बिजली के किल्लत पर आखिर सदर विधायक नारदो राय के बोलही के पड़ गइल. यूपी के कैबिनट मंत्री नारद राय बिजली विभाग के कार्यपालक अभियन्ता के धिरवलें कि अगर बिजली के सप्लाई में सुधार ना भइल त उनुका पर कार्रवाई तय बा.
- सपा के मंजूर नइखे कि राज्यपाल अपराधियन के विधायक बने से रोक देसु. कुछ इहे सोच ले के सपा फेरू ओही पाँच लोग के नाम भेजले बिया जवना नाम के राज्यपाल लवटा दिहले रहलें काहे कि एह लोग पर कई कित्ता मुकदमा चलता बा. बाकिर सपा तय कर लेले बिया कि एह लोग के एमएलसी बनाईए के रही देखल जाव राज्यपाल का कर लेत बाड़न.
- यूपी सरकार साढ़े पाच हजार उर्दू शिक्षकन के बहाली करे के फैसला लिहले बिया. एहमें से दू हजार शिक्षकन के पद पिछला कई बरीस से खाली पड़ल बा.
- आतंकी याकूब मेमन के मेहरारू राहीन के सांसद बनावे के पैरवी करे वाला महाराष्ट्र सपा के उपाध्यक्ष मो. फारुक घोसी के समाजवादी पार्टी उनुका पद से हटा दिहलसे बा.
- भारत में बढ़त इस्तेमाल देख के सोशल साइट ट्विटर चार गो अउरी भाषा के अपना साइट पर उपलब्ध करा दिहले बावे. हिन्दी आ बंगला पहिलही से रहल ह आ देवनागरी के इस्तेमाल करे वाली सगरी भाषा एकर फायदा उठावत बाड़ी सँ. अब गुजराती, कन्नड़, मराठी आ तमिल भाषा के उपलब्ध करा दीहल बा.
- फेसबुक के अरबपति सीईओ मार्क जुकरबर्ग के पत्नी प्रिसिला चेन के बेटी होखे वाला बा. एह बात के जानकारी खुद जुकरबर्ग कइले बाड़न. एकरा पहिले तीन बेर गर्भ गिर गइल रहुवे एहसे ओह लोग के खुशी देखे जोग बा. मार्क एकरा के अपना जिनिगी के नया अध्याय बतवले बाड़न.
- मैगी का मुद्दा पर प्रतिबंध के चुनौती देबे वाला नेस्ले के अपील पर सोमार का दिने मुंबई उच्च न्यायालय में फैसला सुनावल जाई. जान जाईं कि लोकप्रिय मैगी पर रोक लगला का बाद ढेरे परिवारन के मुसीबत हो गइल बा. सबले जाने जोग बात बा कि मैगी के कवनो दोसरा देश में जहरीला नइखे मानल गइल.
- देश के बैंकन के पूंजी बढ़ावे खातिर अगिला चार साल का बीच करीब सत्तर हजार करोड़ रुपिया लगावे के मंजूरी दिहले बिया केन्द्र सरकार. शुक का दिने संसद में साल 2015-16 ला पहिलका अनुपूरक अनुदान मांग पेश करत वित्त मंत्री अरुण जेटली बतवले कि एह साल बैंकन के बारह हजार करोड़ रुपिया दीहल जाई.
- काल्हु भारत आ बांग्लादेश के बीच 162 गांवन के अदला-बदली का बादो दू गो परिवार त्रिशंकु जइसन लटक के रहि गइल बा. भारत एह परिवारन के घुसपैठिया मानत बा त बांगला देश गद्दार बतावत बा आ दुनू में से कवनो देश एह परिवारन के लेबे के तइयार नइखे होत. एह मुसलमान परिवारन पर आरोप बा कि ई लोग करीब 19 बरीस पहिले एक दर्जन बीएसएफ के 12 जवानन के बचावे का फेर में हिन्दुस्तान में घुस आइल रहलें. एहसे बांगलादेश एह लोग के गद्दार मानत बा आ हिन्दुस्तान एह लोग के घुसपैठिया मानत बा.
- ब्रिटेन का हैंपशर में भइल हवाई हादसा में ओसामा बिन लादेन के परिवार के कुछ बेकत के मौत हो गइल बा. ब्रिटेन में सऊदी अरब के दूतावास एह खबर के सही बतवले बावे. इटली के मिलान से आवत हवाई जहाज़ उतरत घरी क्रैश क गइल आ ओह पर सवार पायलट समेत चार जने के मौत हो गइल.
0 Comments