टटका खबर, शनिचर, 6 जलवरी 2018

सीबीआई के विशेष अदालत शनिचर का दिने रांची में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद के चारा घोटाला से जुड़ल एगो मामिला में साढ़े तीन बरीस के जेल आ दस लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनवलसि. अगर जुर्माना ना भरीहें त छह महीना अउरी जेल में रहे के पड़ी. घोटाले में शामिल आ बिहार विधानसभा के लोक लेखा समिति के अध्‍यक्ष रहल जगदीश शर्मा के सात बरीस के जेल आ दस लाख रुपिया जुर्माना लगावल गइल बा. अउरियो लोगन के एह मामिला में सजा आ जुर्माना सुनावल गइल बा. लालू चारा घोटाला के एगो केस में पहुलहूं सजा पा चुकल बाड़ें आ जमानत पर रह के राजनीति बूकत रहले हँ.

जम्‍मू कश्‍मीर के सोपोर इलाका में आतंकियन के लगावल एगो बम फटला से गश्‍त लगावत चार गो सिपाहियन के मौत हो गइल बा आ कुछ अउरिया लोग घवाहिल हो गइल बा. ओने टॉप में शुक का दिने पहाड़ धसकला से मरेवालन के गिनिती 11 हो गइल बा. दस जने के लाश मिल गइल बा बाकिर एगो अबहियों नइखे मिलल.

सउदी अरब में सरकारी खर्च में भइल कटौती का खिलाफ प्रदर्शन करे वाला एगारह गो शहज़ादन के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. ई लोग फेर से सरकारी खरचा पर पानी आ बिजली देबे के माँग करत रहुवे.

केपटाउन क्रिकेट टैस्‍ट में दक्षिण अफ्रीका के पहिलका पारी के 286 रन का जवाब में बीसीसीआई के टीम 209 रन बना के आउट हो गइल.

कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी अपना दुलरुआ हार्दिक पटेल के सलाह मानत परेश धानाणी के गुजरात में पार्टी विधायक दल के नेता बनावे के एलान क दिहले बाड़न.

विदेशी मुद्रा भंडार में पिछला 32 महीना के सबले बड़ तेजी का साथे 29 दिसंबर के पूरा भइल हफ्ता में बढ़ के 409.37 अरब डॉलर हो गइल बा.

देवरिया में अपराध के रोकथाम करे का मकसद में जिलाधिकारी सुजीत कुमार आ पुलिस अधीक्षक राकेश शंकर अपनहीं वाहन चेकिंग अभियान के कमान थाम लिहले बाड़ें.

यूपी में पड़त कड़ाका का ठण्ड का बीच अठवीं कक्षा आठ तक के छात्र-छात्रावन के स्वेटर देबे के काम सगरी 75 जिलन में शुरु हो गइल बा.

बस्ती जिला के के हर्रैया इलाका के महुघाट में दू गो भाई मिलके अपना बाप आ मयभावत महतारी के टाँगी से काट के मुआ दिहलें आ ओकरा बाद थाना जा के सरेंण्डर क दिहलें.

देवरिया में पिछला सत्रह दिन से चलल आवत वकीलन के हड़ताल शनिचर का दिने खतम हो गइल. दीवानी अधिवक्ता संघ के अध्यक्ष विद्या सागर मिश्र बतवलें कि जिलाधिकारी सुजीत कुमार से भइल बातचीत का बाद एकर फैसला लीहल गइल बा.

कुशीनगर के पडरौना इलाका के साहबगंज तुरहा टोला के एगो लड़िका के नहर में गिरला का बाद डूबला से मौत हो गइल.

पूर्वी चम्पारण जिला के पताही इलाका के बेलाहीराम गांव में कुछ बदमाश एगो किराना व्यापारी के गोली मार के मुआ दिहले सँ.

सारण जिला जेल में बंद एगो कैदी के तबियत खराब भइला का बाद इलाज का दौरान शुक का राति में मौत हो गइल.

0 Comments