टटका खबर, शुक, वैशाख अन्हरिया चतुर्थी, 2078 विक्रमी

पश्चिम बंगाल समेत चार राज्य आ एगो केंद्र शासित प्रदेश पुड्डुचेरी में भइल विधानसभा चुनावन के एक्जिट पोल में भाजपा के तीन विधानसभा में मिलल बढ़त सामने आइल बा. करीब करीब सगरी पोलहा अंदाज लगवले बाड़ें कि ओहिजा भाजपा के बड़हन बढ़त मिलल बा. पिछला बेर तीने सीट जीत पावे वाली भाजपा अबकी सरकार बनावे के हैसियत पा सकेले. असम में सरकार चला रहल भाजपा नीत गठबन्हन के फेरु जीतल एकदम तय मानल जा रहल बा काहें कि सगरी पोलहा एकरा पर एकमत बाड़ें. अइसने एकमत पुड्डुचेरी में लउकत बा. ओहिजो भाजपा नीत गठबन्हन के जीत तय मानल जा रहल बा. राहुल जवना राज्य में आपन पूरा ताकत झोंकले रहुवन ओह राज्य केरलो में उनकर गठबन्हन के लोग उठा के महासागर में फेंक दिहले बा. केरल में हर चुनाव में सरकार बदलत आवत रहुवे आ एही उमेद से राहुल बबुआ के केरल में सिपहसालार बनावल गइल रहुवे कि जीत के सेहरा उनुका माथे बान्हल जाई. बाकिर लागत बा कि ओहिजो उनुका ला हरदिए के इन्तजाम बा. तमिलनाडु में द्रमुक के जीत तय मानल जा रहल बा.

प्रदेश के प्राथमिक शिक्षक संघ के दावा बा कि यूपी पंचायत चुनाव में लागल लगभग 706 शिक्षकन के मौत हो गइल बा. संघ एकर जिलावार सूची चुनाव आयोग के सँउप के कहले बावे कि मतगणना के रोक दीहल जाव आ अउरी लोग के मौत के रोकल जाव. एह खबर पर विपक्ष उछल पड़ल बा आ प्रदेश सरकार के आलोचना करे में लाग गइल बा. एही बीच काल्हु भइल पंचायत चुनाव के चउथका आ आखिरी डेग के चुनाव करा लीहल गइल. एह डेग में 75 प्रतिशत मतदान के खबर बा.

पश्चिम चम्पारण जिला के मनुआपुल इलाका के नरकटियागंज- बेतिया मेन रोड पर कुड़िया कोठी मैदान से एगो अनजान नवही के लाश बरामद भइस बा. ओहिजे एगो मोटरसाइकिलो पड़ल मिलल बा. लाश के गरदन काटल गइल बा एहसे ई एक्सीडेंट के मामिला ना हो सके.

काल्हु भइल आईपीएल क्रिकेट के दू गो मैचन में पहिला मैच में मुम्‍बई इंडियन्‍स राजस्‍थान रॉयल्‍स के सात विकेट से हरवलसि. दुसरको मैच में डेल्‍ही कैपिटल्‍स साते विकेट से कोलकाता नाइट राइडर्स के हरा दिहलसि.

देश के शेयर बाजार में वायदा बाजार के साप्ताहिक आ मासिक बंदी का दिने बियफे के उतार-चढ़ाव का बीच लगातार चउथका दिने बढत दर्ज भइल. सेंसेक्स में 32 अंक आ निफ्टी में 30 अंक के बढ़त दर्ज भइल. एहसे लागत बा कि निवेशकन में कोरोना से निपट लेबे के उमेद जिन्दा बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।