शिक्षा
- छात्र संघ के चुनाव लिंगदोह समिति का अनुशंसा से करावे के आदेश राज्यसरकार जारी कर दिहलसि जवना के कई जगहा पेशेवर छात्रनेता विरोध करत बाड़े. लिंगदोह समिति एह चुनावन खातिर उमिर सीमा बान्ह दिहले बिया जवना से एह पेशेवर छात्र नेता लोग के धंधा खराब हो जाये के अनेसा बा. आदेश में कहल गइल बा कि चुनाव प्रक्रिया दस दिन में पूरा कर लिहल जाव. एह चुनाव में उहे छात्र छात्रा उम्मीदवार बन पइहें जिनकर हाजिरी पचहत्तर फीसदी से बेसी होखी.
उत्तर प्रदेश
- उत्तरप्रदेश से राज्यसभा के दू दू साल पर होखे वाला चुनाव में दसो उम्मीदवार निर्विरोध चुना गइले काहे कि दस सीट खातिर दसे गो परचा दाखिल भइल रहे. चुनाइल लोगन में सपा के जया बच्चन, किरणमय नंदा, दर्शन सिंह यादव, नरेश अग्रवाल, बृजभूषण तिवारी, आ मुनव्वर सलीम, बहुजन समाज पार्टी प्रमुख आ पूर्व मुख्यमंत्री मायावती आ मुनकाद अली, भाजपा के विनय कटियार आ कांग्रेस के रशीद मसूद शामिल बाड़े.
- राज्य सरकार तबादला उद्योग पर लगावल मायावती के रोक हटा लिहलसि. मायावती का जमाना में तबादला के अधिकार खाली उनुके लगे रहत रहुवे अब मंत्री आ विभाग के अधिकारियो कुछ तबादला कर पइहें. हालांकि पहिला वर्ग के अधिकारियन के तबादला से पहिले मुख्यमंत्री के अनुमोदन लिहल जरूरी होई.
- प्रदेश के लोकायुक्त एन के मेहरोत्रा के कार्यकाल दू साल अउर बढ़ा दिहल गइल. राज्यपाल सरकार के एह फैसला के आपन स्वीकृति दे दिहलन.
बिहार
- काल्हु बियफे का दिने पटना में बिहार शताब्दी समारोह के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि केन्द्र सरकार बिहार के ओकर जायजो हक नइखे देत बाकिर एकरा बावजूद बिहार अपने संसाधन का सहारे विकास का राहे बढ़ल जात बा. शताब्दी समारोह तीन दिन ले चली आ एहमें बिहार के संस्कृति धरोहर आ इतिहास के अलग अलग कला का माध्यम से प्रस्तुत कइल जाई. एह मौका पर पूरा शहर के ढंग से सजावल गइल बा.
- पूर्वी चंपारण के जहाँगीरा पंचायत के मुखिया सत्यनारायन यादव के निर्वाचन आयोग अयोग्य घोषित कर दिहलसि.
देश
- आज से चइती नवरात शुरू हो गइल बा आ एकरा साथही विक्रमी संवत २०६९ के शुरूआत. एह पावन मौका पर देश भर में पूजा अर्चना शुरू हो गइल बा. छपरा के आमी मंदिर, बलिया के कपिलेश्वरी भवानी मंदिर, कैमूर के महामुंडेश्वरी मंदिर, रोहतास के भलुनी धाम, थावे के थावेमंदिर समेत हर जगहा विशेष पूजा शुरू हो गइल बा. कटरा में माता वैष्णो देवी मंदिर के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा.
- कर्नाटक के मुख्यमंत्री डी० वी० सदानन्द गौड़ा बियफे का दिने दावा कइलन कि राज्य में अबही नेतृत्व परिवर्तन के कवनो बात नइखे होखत.
- आजु दुपहरिया में लोकपाल का मुद्दा पर प्रधानमंत्री के बोलावल सर्वदलीय बइठक में विचार कइल जाई. सरकार चाहत बिया कि एह मुद्दा पर आम सहमति बनि सके आ दलगत नजरिया के अलगा राखत कवनो सार्थक राह निकल पावो. लोकसभा में ई विधेयक पारित हो चुकल बा बाकिर राज्यसभा में ई अबही ले लटकल बा.
- गरीबी मापे के पैमाना पर बड़हन विरोध का चलते केन्द्र सरकार योजना आयोग के गरीबी मापे के पैमाना से अपना के अलगा कर लिहलसि आ कहले बिया कि एकरा खातिर एगो नया समूह बनावल गइल बा जे विचार करी कि कवना आधार पर गरीबी तय कइल जाव. योजना आयोग कहले रहुवे कि शहरी इलाका में २८.६५ रुपिया आ देहाती इलाका में २२.४२ रुपिया से बेसी कमाये वाला गरीब ना हउवें. भाजपा के कहना बा कि ई गरीबी रेखा हटा के भूखमरी रेखा बनावल गइल बा.
- कैग एगो अंगरेजी अखबार में छपल ओह खबर के गुमराह करे वाली बतवले बा जवना में कहल गइल रहे कि कोयला खंड बाँट के देश के करीब एगारह लाख करोड़ रुपिया के नुकसान करावल गइल बा. एगो बड़हन प्रतिष्ठित अखबार में छपल खबर का बाद काल्हु संसद के दुनु सदन में जम के हंगामा भइल रहे आ विपक्ष प्रधानमंत्री के इस्तीफा मंगलसि काहे कि कोयला मंत्रालय कुछ समय उनुके लगे रहुवे. हालांकि बाद में मनमोहन सिंह आ सोनिया गाँधी खुद फ्लोर मैनेज कइल लोग आ विपक्ष के कुछ हद तक शांत करा लिहल लोग. बाद में रेल बजट पर चरचा भइल आ सरकार कहलसि कि कोयला घोटाला पर अगिला हफ्ता संसद में चरचा करावल जाई.
- भुवनेश्वर में ओड़ीशा सरकार आ नक्सलियन का बीच इटली के दू गो पर्यटकन के अपहरण से मुक्ति खातिर बात चलत बा बाकिर अबही ले एकर कवनो नतीजा नइखे निकलल. हालांकि बिचवनिया बी.डी. शर्मा के कहना बा कि दुनु विदेशी नागरिक सुरक्षित बाड़े.
- आज भारतीय स्वाधीनता संग्राम के महान क्रांतिकारी शहीद भगत सिंह, राजगुरू आ सुखदेव के उनुका ८१वां शहीदी दिवस पर श्रद्धांजलि दिहल जात बा.
- सुप्रीम कोर्ट अपना एगो अहम फैसला में कहलसि ढेर दिन ले कवनो संपति पर काबिज रहला से ओह संपति पर मालिकाना हक ना मिल जाव.
- काल्हु बियफे का दिने संसद में रेल बजट के मंजूरी दे दिहल गइल. एहसे पहिले रेल मंत्री मुकुल राय थ्रीटायर एसी तकले के बढ़ल किराया वापिस ले लिहलन. अब टू टायर आ फर्स्ट क्लासे के सवारियन के भाड़ा बढ़ी. हँ प्लेटफार्म टिकट के दाम में कमी ना कइल गइल आ ऊ बढ़ले रह गइल. पहिले के तीन रुपिया का जगहा अब प्लेटफार्म टिकट पाँच रुपिया में मिलल करी.
- कर्नाटक, पश्चिम बंगाल, ओड़िशा, मध्य प्रदेश, आ उत्तर प्रदेश से राज्यसभा के सगरी उम्मीदवार निर्विरोध जीत गइले.
- राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटील बियफे का दिने देश के सर्वोच्च नागरिक सम्मान, पद्म पुरस्कार प्रदान कइली. एह में संगीतकार भूपेन हजारिका के मरला बाद आ सेवा निवृत्त आई पी एस अधिकारी टी वी राजेश्वर आ मशहूर आर्थोपीडिक सर्जन कांतिलाल हस्तीमल संचेती के पदम विभूषण पुरस्कार दिहली. पदम भूषण सम्मान पन्द्रह लोग के दिहल गइल.
दुनिया
- माली में राष्ट्रपति अमादू तोमानी के चुनल सरकार के तख्ता पलट के विद्रोही सैनिक शासन सम्हार लिहले बाड़े. एह बात के दुनिया भर में निंदा होखत बा आ माँग कइले बा कि निर्वाचित सरकार के जल्दी से बहाल कर दिहल जाव. विद्रोही सैनिकन के कहना बा कि एकता सुनिश्चित कइला का बादे लोकतंत्र बहाल होखी.
- संयुक्त राष्ट्र मानवाधिकार परिषद ऊ प्रस्ताव पास कर दिहलसि जवना में पश्चिमी तट पर इजरायल के बस्ती बसावे के जाँच करे के बात कहल गइल बा. मानवाधिकार परिषद के कहना बा कि एहसे फलिस्तिनियन के अधिकार पर चोट पड़ी.
- दू गो भारतीय बचवन के नार्वे वापिस करे से इंकार कर दिहलसि काहे कि ओहन के महतारी बाप एह मुद्दा पर अलग हो गइल बाड़े. बाप के कहना बा कि महतारी मानसिक रूप से बीमार बिया आ ऊ ओकरा से तलाक चाहत बाड़े.
- संयुक्त राष्ट्र मानवाधिकार परिषद में श्रीलंका सरकार का खिलाफ मानवाधिकार हनन के जाँच करावे के प्रस्ताव पारित हो गइल आ भारत एह प्रस्ताव का पक्ष में वोट दिहलसि. पहिला बेर भारत एह तरह के मुद्दा पर कवनो देश विशेष का खिलाफ वोट दिहलसि. बाकिर तमिलनाडू के दुनु प्रमुख दल एह खातिर सरकार पर दबाव बनवले रहुवे आ सरकार का लगे कवनो दोसर राह ना रहुवे.
खेल
- एशिया कप क्रिकेट टूर्नामेंट के फाइनल एगो रोमांचक खेल का बाद पाकिस्तान दू रन से जीत लिहलसि. पाकिस्तानी टीम नौ विकेट पर पचास ओवर में २३६ रन बनवले रहुवे बाकिर बांगलादेश आखिरी ओवर में नौ रन का बदले छवे रन बना पवलसि आ पाकिस्तान जीत गइल.
बिजनेस
- बम्बई शेयर बाजार बियफे का दिन ४०५ अंक गिरके बंद भइल. विदेशी निवेशक जम के बिकवाली कइले.
0 Comments