Customise Consent Preferences

We use cookies to help you navigate efficiently and perform certain functions. You will find detailed information about all cookies under each consent category below.

The cookies that are categorised as "Necessary" are stored on your browser as they are essential for enabling the basic functionalities of the site. ... 

Always Active

Necessary cookies are required to enable the basic features of this site, such as providing secure log-in or adjusting your consent preferences. These cookies do not store any personally identifiable data.

No cookies to display.

Functional cookies help perform certain functionalities like sharing the content of the website on social media platforms, collecting feedback, and other third-party features.

No cookies to display.

Analytical cookies are used to understand how visitors interact with the website. These cookies help provide information on metrics such as the number of visitors, bounce rate, traffic source, etc.

No cookies to display.

Performance cookies are used to understand and analyse the key performance indexes of the website which helps in delivering a better user experience for the visitors.

No cookies to display.

Advertisement cookies are used to provide visitors with customised advertisements based on the pages you visited previously and to analyse the effectiveness of the ad campaigns.

No cookies to display.

टटका खबर, शुक, ४ जून

भारत के उभरत विश्व शक्ति बतवले ओबामा

भारत के विदेश मंत्री एसएम कृष्णा के स्वागत भोज के संबोधित करत अमेरिका के राष्ट्रपति बराक ओबामा कहलें कि भारत एगो उभरत विश्वशक्ति हवे. कहलन कि अमेरिका के भावी योजना में भारत के अनदेखी नइखे कइल जा सकत. कहलन कि भारत आ अमेरिका में कुछ मूलभूत समानता बा, दुनु दुनिया के बड़का लोकतंत्र हउवें. बतवलें कि उनकर एक तिहाई मंत्री मण्डल भारत के यात्रा कर चुकल बा आ इहे अमेरिका खातिर भारत के महत्व दरसावत बा.

यौन दुर्व्यवहार का आरोप में लेफ्टिनेंट जनरल इस्तीफा दिहलें

सैनिक अधिकारियन के परिवार के साथ इजरायल गइल लेफ्टिनेंट जनरल ए के नन्दा अपना तकनीकि सचिव का पत्नी का साथ यौन दुर्व्यवहार कर बइठलन. भारत अइला पर ऊ औरत आपन शिकायत आर्मी वाइफ वेलफेयर एसोसिएशन में कइली जवना के प्रमुख सेना प्रमुख के पत्नी हई. प्रारंभिक जाँच में आरोप साँच लागल आ नन्दा के इस्तीफा दे देबे के कहल गइल. अतना बड़ ओहदा पर रहल कवनो सैनिक अधिकारी पहिला बेर अइसना घटिया आरोप में पद छोड़ले बा.

ढाका का एगो मुहल्ला में अगलगी से १०८ आदमी के मौत

बांगलादेश का राजधानी ढाका के एगो रिहाइसी इलाका में लागल आग में कम से कम १०८ आदमी के जर मरे के खबर बा. करीब एक सौ आदमी झँउसल हालात में अस्पताल में भरती करावल गइल बाड़े. मरे वालन के संख्या में बढ़ोतरी हो सकेला. आग बुता दिहल गइल बा जरल मकानन के चप्पा चप्पा छान के मरल आ घवाहिल लोग के निकालल जा चुकल बा. सबसे अधिक नुकसान ओह मकान में भइल जवना का छत पर एगो शादी के समारोह चलत रहुवे.

कांग्रेस मनसे से साँठगाँठ करे के फेर में

हिन्दी भाषियन के उत्पीड़न आ विरोध खातिर बदनाम राज ठाकरे का मनसे का साथ कांग्रेस कुछ साँठगाँठ करे जा रहल बिया. पिछला चुनाव में मनसे का चलते कांग्रेस के बढ़िया जीत भइल रहे काहे कि ऊ शिवसेना के वोट काट के ओकरा के कमजोर कर दिहले रहे. तब कांग्रेस कहले रहे कि ऊ मनसे के सहयोग ना लीहि जवना पर विस्वास कर के हिन्दी भाषी लोग कांग्रेस के समर्थन कइले रहलें. बाकिर अब विधानपरिषद चुनाव में अपना अघोषित उम्मीदवार के जितावे खातिर कांग्रेस मनसे से गुपचुप समझौता करे जा रहल बिया.

मिथिला विश्वविद्यालय में छात्र संघ के गठन

ललित नारायण मिथिला विश्विवद्यालय, दरभंगा में विश्वविद्यालय छात्र संघ के गठन मनोनयन का आधार पर कर दिहल गइल बा. कुलाधिपति से मिलल निर्देश का आधार पर ई मनोनयन कइल गइल बा. पता ना मनोनीत छात्र संघ के कतना प्रभाव छात्रन का बीच रही. एह छात्र संघ के कवनो लोकतांत्रिक आधार नइखे आ विश्वविद्यालय प्रशासन अपना मर्जी आ सुविधा से छात्र संघ बना दिहले बा.

यूपी बिहार के छात्र महाराष्ट्र में डाक्टर भा इंजीनियर ना बन पइहें

महाराष्ट्र सरकार अपना मेडिकल आ इंजिनयरिंग कालेजन में प्रवेश खातिर डोमिसाइल के शर्त जोड़ दिहले बा जवना चलते कई साल से महाराष्ट्र में रहत परिवारन के लड़िका एह में एडमिशन ना ले पइहें. डोमिसाइल ओहि लोगन के मिली जे पन्द्रह साल से महाराष्ट्र में रह रहल बाड़े. सरकार के एह फैसला से ओहिजा रहे वाला उत्तर भारतीय परिवारन के निराशा भइल बा. पहिले ओहिजा से इन्टर करे वाला छात्रन के छूट मिल जात रहुवे बाकिर मनसे आ शिवसेना ओह छूट के जारी रखे का पक्ष में नइखन.

पेट्रोल डीजल के दाम बढ़े वाला बा

पेट्रोलपंप के मालिकन के नाजायज फायदा चहुँपावे का फेर में सरकार अबहिये संकेत दे दिहले बिया कि अगिला हफ्ता से पेट्रोल आ दीजल के दाम बढ़ावल जा सकेला. पंप मालिक अब पुरनका दाम पर पेट्रोल डीजल खरीद के जमा कर लीहें आ दाम बढ़ला का बाद बेच के अंधाधुंध कमाई कर लीहें. दुनु के दाम में करीब साढ़े तीन रुपिया लीटर के बढ़ोतरी के बात कहल जा रहल बा.

अरुन्धति राय नक्सल आन्दोलन के समर्थन कइली

अक्सर हिन्दु आ हिन्दूत्व के विरोध करे वाली लेखिका अरुन्धति रायकहले बाड़ी कि ऊ नक्सल आन्दोलन के समर्थन करेली. आजु का जमाना में गाँधी का रास्ता चल के परिवर्तन ना आ सके आ एकरा खातिर सशस्त्र संघर्षे सही राह बा. कहली कि ई बात कहला का चलते उनका के जेलो में बन्द कर दिहल जाई तबो ऊ नक्सली आन्दोलन के समर्थन करत रहीहें. पिछला दिने जब दंतेवाड़ा में ७६ गो सीआरपीएफ जवानन के मार दिहल गइल रहे त अरुन्धति एकरा खातिर दंतेवाड़ा के लोगन के बड़ाई कइले रही.

शेयर बाजार में तेजी का चलते सूचकांक फेर सत्रह हजारी बनल

अमेरिका के बाजार में तेजी देख के भारतो के शेयर बाजार में काल्हु बढ़िया तेजी रहल आ शेयर सूचकांक फेर सत्रह हजार से उपर जा के बन्द भइल. बाकिर दोसरा तरफ सोना आपन तेजी बरकरार ना रख सकल आ काल्हु ओकरा में पचास रुपिया के गिरावट देखे के मिलल. शेयर बाजार आ सोना के दाम एक दोसरा से उल्टा चलेला. शेयर के दाम बढ़ी त सोना के दाम गिरेला आ जब शयर बाजार गिरेला त सोना के दाम उठेला.

एकदिना में भारत फेर जिम्बाब्वे से हारल

काल्हु भारत के बल्लेबाज आ गेंदबाज दुनो बेकार साबित भइलें आ जिम्बाब्वे फेर से जीत गइल. एह हार से भारत एह शृंखला के फाइनल से करीब करीब बाहर हो गइल. काहे कि फाइनल में चहुँपे खातिर ओकरा श्रीलंका के टीम के हर हाल में हरावे के पड़ी. पिछला मैच में भारत श्रीलंका के हरा दिहले रहे बाकि अबकियो उहे होखी कहल ना जा सके.

0 Comments