टटका खबर, सोमार, 1 जनवरी 2018

अमरीका के राष्ट्रपति डॉनल्ड ट्रंप पाकिस्‍तान का खिलाफ कड़ा रूख अपनावत ओकरा के झूठा आ फरेबी बतवले बाड़ें. नया साल का पहिलके दिने पाकिस्तान के अउरी सहायता करे से मना क दिहलें. एकरा बाद पाकिस्‍तान के विदेश मंत्री ख्‍वाजा आसिफ आ प्रधानमंत्री शाहिद खाक़ान अब्‍बासी बइठका कइलें आ कहलें कि अमेरिका के जल्दिए जबाब मिल जाई.

तीन दिन का छुट्टी का बाद मंगल से संसद का बइठका फेरु शुरु होखी. उमेद बा कि सरकार तीन तलाक का खिलाफ लोकसभा से पारित विधेयक के मंगले का दिने राज्यसभा में पेश करी. कांग्रेस के पूरा कोशिश बा कि एकरा के केहु तरह सेलेक्ट कमिटी में डलवा के लटका दीहल जाव. राज्यसभा में सरकार का लगे जरुरी बहुमत नइखे आ ओकरा एह कमजोरी के फायदा उठावे के कोशिश करीहें विपक्षी.

1988 बैच के भारतीय प्रशा‍सनिक सेवा के अधिकारी आ फिलहाल विदेश मंत्रालय में आर्थिक मामिलन के सचिव विजय केशव गोखले अब विदेश सचिव बनावल जइहें. मौजूदा सचिव डॉ. एस जयशंकर 28 जनवरी का दिन् रिटायर हो जइहें.

असम में घुसपैठियन के पहचान करे वाला सूची में एक करोड़ से अधिका घुसपैठियन के नाम ना देख के कांग्रेस सरकार के धमकवले बिया कि एको नागरिक का साथे होखेवाला अन्याय बरदाश्त ना कइल जाई. मुख्यमंत्री सर्बानंद सोनोवाल भरोसा दिअवले बाड़न कि कवनो भारतीय नागरिक के नाम एह सूची से बाहर ना होखी. अगर केहू के नाम कवनो कमी भा गलती से छूट गइल बा त ओकरा के सुधार के अगिला सूची में शामिल क लीहल जाई. ई आखिरी सूची ना ह.

उज्जैन में मंगल का दिने राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के बइठक शुरू होखे वाला बा जवन तीन दिन ले चली. एह बइठकन में संघ आपन योजना के लेखा जोखा लेला आ आगे के राह तय करेला. उज्जैन का बइठक में संघचालक मोहन भागवत समेत सगरी बड़ पदाधिकारी मौजीद रहीहें.

लोकसभा में पेश राष्ट्रीय चिकित्सा आयोग विधेयक का विरोध में इंडियन मेडिकल एसोसिएशन देश भर के प्राइवेट अस्पतालन में मंगल का दिने हड़ताल के एलान कइले बिया. इमरजेन्सी मरीजन के सेवा जारी रही.

मेघालय में चार गो अउरी विधायक पाला बदलि के भाजपा में शामिल होखे के एलान कइले बाड़ें. आठ जने कुछ दिन पहिले शामिल हो चुकल बाड़ें.

नया साल के पहिलका दिने देश के शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिलल. सेंसेक्‍स 244 अंक आ निफ्टी 95 अंक टूट के बंद भइल.

ईरान में चलत सरकार विरोधी प्रदर्शनन में अबले नाहियो त एक दर्जन लोग के जान जा चुकल बो. मशहाद में शुरू भइल ई विरोध अब अनेके शहरन में पसर गइल बा.

विदर्भ के टीम पहिला बेर रणजी ट्रॉफी क्रिकेट के खिताब जीत लिहलसि जब ऊ इंदौर में खेलल गइल फाइनल मैच में दिल्ली के 9 विकेट से हरा दिहलसि.

यूपी का आजमगढ़ आ सोनभद्र में हवाई अड्डा बनावे के तइयारी चल रहल बा. केन्द्र सरकार के उड़ान योजना में देश भर के छोटका शहरन के जोड़े का मुहिम में अब आजमगढ़ आ सोनभद्रो शामिल हो जइहें. एह हवाई अड्डन से छोटछोट जहाज उड़ावल जाई जवन देश के बड़का शहरन के हवाई सेवा से जोड़ दी.

यूपी के पुरान विधायकन के विधानसभा लोगो – प्रतीक चिह्न – इस्तामाल करे प रोक लगा दिहले बाड़ें विधानसभा स्पीकर. एह रोक में पहिले मुख्यमंत्री आ मंत्री रह चुकल लोगो शामिल कइल गइल बाड़ें.

चारा घोटाला में जेल के रोटी तूड़त लालू का पटना डेरा पर नया साल के मौका प सन्नाटा पसरल रहल. सभके 3 तारीख के इन्तजार बा जब उनका सजा के फैसला सुनाई अदालत.

बलिया के नरही इलाका में नया साल पर पिकनिक मनाके लवटत बिहार के डुमरांव के एगो नवही के सड़क हादसा में मौत हो गइल. पीछे बइठल ओकर संघतिया घवाहिल हो के बाच गइल बा.

जौनपुर के जफराबाद इलाका में ठंडा लगला से दू जने के मौत होखे का खबर से जिला प्रशासन इन्कार कइला बा. ऊ एकरा के बीमारी से मौत मानत बा. एगो दोसरा खबर में जौनेपुर के बदलापुर इलाका के सरोखनपुर गाँन में चाउर कूटेवाला मशीन का पट्टा में फँस के दस बरीस के एगो लड़िका के मौत हो गइल बा.

गोण्डा के देहात कोतवाली इलाका में एगो कुकर्मी सोरह बरीस के लड़िकी के नशा खीया के बलात्कार कइलसि आ एह नशा से ओह लड़िकी के मौत हो गइल. ओह कुकर्मी के पहचान हो गइल बा आ पुलिस ओकरा के गिरफ्तार करे का कोशिश में बिया.

कुशीनगर के पटहेरवा इलाका में पिपरा बघेल के एगो बूढ़ समेत दू जने के मौत सड़क हादसा में हो जाए के खबर बा.

देवरिया के पुलिस अधीक्षक राकेश शंकर का खिलाफ जारी वकीलन के हड़ताल सोमारो का दिने जारी रहल. ई हड़ताल एक पखवारा से चलत आ रहल बा.

समस्तीपुर शहर के पटेल मैदान में नयासाल के जश्न में भोजपुरी अभिनेता खेसारी लाल यादव के ना अइला से नाराज लोग जम के बवाल काटल आ किर्सियन में आद लगा दीहल.

0 Comments