टटका खबर : सोमार, 10 अगस्त 2015 (बलिया-छपरा)
  • BabaDhamDeogharदेवघर बाबाधाम का लगे एगो बेलाबागान का मंदिर में नियरा आजु सोमार के सबेर में मचल भगदड़ से नाहियो त एक दर्जन लोग के मौत हो गइल आ पचास जने घवाहिल हो गइले. प्रशासन के कहना बा कि घवाहिलन के गिनिती अबहीं अउर बढ़ सकेला. प्रशासन लाठी चार्ज का चलते भगदड़ होखे के बातो नकारत बा. ओकर कहना बा कि मंदिर के पट सबेरे चार बजे खुलवे आ पहिले दर्शन करे का आपाधापी में भगदड़ मच गइल. झारङण्ड सरकार का ओर से मरे वालन के परिवार के दू दू लाख के मुआवजा देबे के एलान कइल गइल बा. घवाहिलन के पचास पचास हजार दीहल जाई.
  • नीतीश अपना डीएनए के सवाल उठवला से अतना नाराज बाड़न कि अपना समर्थकनो के डीएनए पीएम मोदी का लगे भेजवावे के एलान कइले बाड़न. कहले बाड़न कि नाहियो त पचास लाख लोग अपना डीएनए के सैम्पल भेजी काहे कि बिहार के लोग एह बात के आपन बेइज्जति मानत बा. जबकि मोदी नीतीश के डीएनए का बारे में कुछ कहबे ना कइलन. ऊ त लोकतंत्र के डीएनए के बात कइले रहले. बाकिर झूठन के सरदार का तरह नीतीश एके बात के रट ध लिहले बाड़न.
  • बिहार के जंगल राज से बचावे के गोहार सुन के बिहार के जंगली जानवर चिचियाइल शुरु क दिहले बाड़े सँ आ पूछत बाड़े सँ कि मोदी जंगलराज के विरोध काहे करत बाड़न. ओहनी के कहना बा कि ऊ त बिहार के स्वर्णिम काल में गिनाए के चाहीं जब साँढ आ भैंसा स्कूटरे पर ढोवा जात रहलें.
  • छपरा आरएसएस के गुरुदक्षिणा समारोह के समापन अतवार का दिने छपरा के साधपुर बाजार के रामजानकी विद्यालय में कइल गइल.
  • छपरा जेपी विश्वविद्यालय के भ्रष्टाचारी कुलपति आ रजिस्ट्रार के हटावल ना गइल त भाजपा उनुका खिलाफ आन्दोलन करे के बात कहले बिया.
  • मुजफ्फरपुर आ गया में शानदार रैली कर चुकल भाजपा पर अब सहरसा आ भागलपुर के रैलीओ अइसने करावे के दबाव बढ़ गइल बा. सहरसा आ भागलपुर में भाजपा कमोजर बिया एहसे अउरी दिक्कत होखे वाला बा.
  • अतवार का दुपहरिया भोजपुर जिला के बिहियां टीसन का लगे रेल लाइन पार करत 20 बरीस के एगो नवही 45 बरीस के एगो औरत के मौत ट्रेन से कटा के हो गइल. आरा टीसन के प्लेटफार्म नंबर दू पर चलत ट्रेन से गिरला का चलते 55 बरीस के एगो आदमी के मौत हो गइल.
  • बलिया के असढिया गांव के योगीबीर बाबा के कुटी से भगवान शिव के भव्य बरात अतवार का दिने निकालल गइल जवना में हाथी-घोड़ा आ नगाड़ा संग हजारन श्रद्धालु शामिल भइले.
  • बलिया जिलाधिकारी अतवार का दिने घाट के दौरा क के प्रशासन के कांवरियन खातिर सुविधा बहाल करावे के निर्देश दिहलन. कहलन कि भगवान भोलेनाथ के जलाभिषेक करे वालन के कवनो दिक्कत ना होखे के चाहीं.
  • रसड़ा-मऊ रोड पर भाजपा के विधायक रहल राम इकबाल सिंह के पेट्रोल पंप से कुछ बदमाश अतवार का दुपहरिया तीन लाख रुपिया लूट लीहले सँ.
  • बलिया सीडीओ अतवार का दिने जिला अस्पताल के दौरा कइलन आ बर्न वार्ड में एसी लगावे के आदेश दिहलन. पता ना बिना बिजली के एसी कइसे चलवाई अस्पताल प्रशासन. बिजली सप्लाई ठीक होखत नइखे बलिया के.
  • हल्दी थाना के चौबे छपरा गंगा घाट से शनिचर के रात किनारा से नावे चोरा ले गइलें सँ चोर आ बहुते कोशिश का बादो नाव के पता ना चलल.
  • बिल्थरारोड में दलित नवही नीरज के हत्या का बाद भइल बवाल का दौरान लापरवाही बरते का आरोप में सीयर चौकी के इंचार्ज आ दू गो सिपाहियन के लाइन हाजिर क दिहलन एसपी.
  • वाराणसी के काशी विश्वनाथ मंदिर के एगो पुजारी के मंदिर प्रशासन के चढ़ावे के रुपिया चोरावे का आरोप में गिरफ्तार कर लीहल गइल बा. सीसीटीवी में ओकरा के चढ़ावा के धन दान पेटी में ना डाल के अपना लगे राखत देखल गइल बा.
  • पहिले कहल जात रहुवे कि कुकुर के पोंछ बारहो बरीस ले पाईप में राख दीहल जाव तबहियो सोझ ना होखी, अब हालत ई बा कि पइपवे टेढ़ हो जाई. संसद से पाँच दिन खातिर निकालल गइला का बादो कांग्रेस के सांसद आपन हरकत बदले के तइयार नइखन लउकत आ आजु सोमारो का दिने लोग बाँह पर करिया पट्टी बान्ह के संसद चहुँपे के बात कहले बा. आ फैसला दोसर केहू के ना सीधे सोनिया कइले बाड़ी.
  • आआपा के विधायक जइसे पारापारी जेल जात बाड़न ओहसे मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के लागत बा कि जल्दिए उनुका गोल के सगरी विधायक जेल का भीतर होखीहें आ उनुका ओहिजे से काम करे के पड़ सकेला. कहलन कि पिछला छह महीना में तीने गो विधायक गिरफ्तार भइल बाड़े आ एह रफ्तार से त दसो बरीस से अधिका लाग जाई सगरी विधायकन के जेल भेजे में.
  • देश के 476 गो शहरन के साफसफाई के पैमाना पर मापत मैसूर के सबले साफ आ दमोह के सबले गंदा पावल गइल बा. दिल्ली नगर निगम वाला दिल्ली के गिनिती 398 वां जगहा पर बा. दिल्ली छावनी 15 वाँ जगहा आ नईदिल्ली नगर निगम 16 वां जगहा आइल बा.
  • अब घरो में नौकर राखल महँग पड़े वाला बा काहे कि केन्द्र सरकार घरेलू नौकरन खातिर नियम कानून बनावे जात बिया. अब घरेलू नौकर राखे खातिर एगो एजेन्सी से संपर्क करे के पड़ी आ नौकरन के ईएसआई, भविष्य निधि, सवेतन अवकाश, मातृत्व अवकाश वगैरह देबे के पड़ी. काम के घंटो तय क दीहल जाई. बाकिर सरकार गृहलक्ष्मियन ला का करे के सोचत बिया जे लोग दिन रात बिना छुट्टी बिना तनखाह परिवार के सेवा में लागल रहेला.
  • रक्षा बन्धन के मौका पर केन्द्र सरकार बैंक आ बीमा कंपनियन के सहयोग से सुरक्षा बंधन मिशन शुरू कइले बिया जेहसे अधिका से अधिका लोग प्रधानमंत्री सुरक्षा बीमा योजना आ प्रधानमंत्री जीवन ज्योति बीमा योजना के फायदा उठा सकसु. रक्षा बन्धन का पर्व पर भाई लोग अपना बहिनन के 351 रुपिया दे के जीवन सुरक्षा उपहार चैक खरीद के दे सकेलें जवना से बहिनन के बीमा के सुरक्षा मिल जाई.
  • पोर्न पर बैन का खिलाफ हल्ला मचा के बैन हटवावे में सफल रहल सोशल मीडिया अब मुंबई के होटलन से छिनरपन के आरोप में गिरफ्तारी का खिलाफ हल्ला कइल शुरू क दिहले बाड़े. एह हल्ला से परेशान मुंबई के पुलिस प्रमुख राकेश मारिया एह छापेमारी के जाँच कइल शुरू क दिहले बाड़न. 6 अगस्‍त के रात पड़ल एह छापा में 13 गो जोड़ा आ 35 गो अउरी लोग एह मामला में धराइल रहलें.
  • अमरीका के मिसूरी राज्य के फर्गूसन इलाके में परसाल एगो करिया नवही के मौत के बरखी मनावत भीड़ आ पुलिसा का बीच गोली चले के खबर बा.
  • पूरबी चीन में आइल तूफान सोडलर का चलते एक दर्जन से अधिका लोग के मौत हो गइल आ कुछ लोग लापतो बतावल जात बाड़ें. ई लोग या त बाढ़ में बह गइल बा ना त धसल मकान का मलबा में दबाइल बा.
  • दू बरीस से ईरान के जेल में बंद दिल्ली के सुशील कपूर के परिवार से भेंट क के विदेश मंत्री सुषमा स्वराज भरोसा दिहली कि सरकार उनुका रिहाई के कोशिश लगातार करत बया आ करत रही जबले रिहा नइखन हो जात. दू साल पहिले तेल के तस्करी का आरोप में सुशील के एगो जहाज से गिरफ्तार कइल रहे.

0 Comments