टटका खबर : 1 अक्टूबर 2014, बुध

बिहार आ यूपी के खबर –

  • देवबंद के दारुल उलूम प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के अमेरिका यात्रा के सफलता पर उनका के मुबारकबाद देत इहो कहलसि कि इजराइल से संबंध बढ़ावे का अपना फैसला पर फेरू सोचस.
  • उत्तर प्रदेश पुलिस के स्पेशल टास्क पोंर्स रेलवे भर्ती बोर्ड भोपाल के नाम से फर्जी वेबसाइट बनाके बेरोजगारन के ठगे वाला एगो गिरोह के सरगना के लखनऊ से गिरफतार क लिहलसि.
  • डीजल बेच के तेल कंपनी अब हर लीटर पर दू रुपिया के मुनाफा कमात बाड़ी सँ. अबहीं एकर फायदा गाहक के नइखे मिलत.
  • यूपी सरकार सीमा पूनिया के 50 लाख आ नरसिंह यादव के 15 लाख के इनाम देबे के एलान कइलसि. सीमा पुनिया स्वर्ण पदक आ नरसिंह यादव कांस्य पदक जीतले बाड़े इंचियोन एशियाई खेल में.
  • राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सबले माथ समिति लखनऊ में तीन दिन ले हिन्दुत्व का मुद्दा पर मंथन करी. बइठक 17 अक्टूबर से शुरू होखी.
  • एक त काली अपने गोर, ओहपर लिहली कमरी ओढ़. यूपी के लोग बिजली संकट के मार झेलते बा तबले यूपी सरकार बिजली के दाम में बड़हन बढ़ोतरी क दिहलसि.
  • संतरविदासनगर के गोपीगंज इलाका में आजु सबेरे एगो सड़क हादसा में दू जने के मौत हो गइल.
  • बिहार के भागलपुर जिला के चर्चित लव जेहाद मामिला के मुख्य आरोपी रिमांड होम से फरार हो गइल बा.
  • गोण्डा के उमरीबेगमगंज में एगो नवही अपना महतारिए के पीट पीट के मुआ दिहलसि.
  • रोहतास जिला के अकोढ़ीगोला इलाका के देवरिया गांव में काल्हु मंगल के रात एगो पिक्कड़ अपना पत्नी के नहर में डूबा के मार दिहलसि.
  • रोहतास जिला के दिनारा का बेलहर गांव में मंगल के देर रात संपत्ति के झगड़ा में महतारी बेटी के गरदन काट के मुआ दिहल गइल बा.
  • गोरखपुर में नन्दा नगर क्रासिंग का लगे भइल बरौनी एक्सप्रेस आ कृषक एक्सप्रेस के टक्कर में 12 लोग मर चुकल बा आ पचास लोग घवाहिल बा. मरे वालन के परिवार के दू दू लाख रुपिया देबे के एलान कइले बिया रेलवे आ घवाहिल लोगन के पचास पचास हजार.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में.


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *