टटका खबर, 12 जून 2020, शुक

यूपी के हर जिला में कोरोना जाँच करे वाला ट्रू एनएएटी मशीन के आजु मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी कइनी. अब हर जिला अस्पताल में आपात इलाज ला आवेवाला मरीजन के कोरोना स्क्रीनिंग एक घंटा में कइल जा सकी.

अबहीं यूपी में 4642 कोरोना मरीज मौजूद बाड़ें. 7609 कोरोना मरीज ठीक हो गइल बाड़ें. रोजाना 15 हजार कोरोना जाँच हो रहल बा. आ अबले 4 लाख 15 हजार लोग के जाँच कइल गइल बा.

झारखन्ड के पश्चिम सिंहभूम जिला के मेरालगड़ा आ कुएदा जंगलन में सड़क पर बिछावल बारुदी जाल के बरबाद क गिहलें सुरक्षाबल आ नक्सलियन के चाल बेकार क दिहलें. आजि भार में पलामू के मनातू थाना इलाका में उग्रवादियन के पुलिस से मुठभेड़ का बाद ओहनी के बहुते असलहा बरामद भइल बा.

कच्चा तेल के दाम कम रहला का बावजूद तेल कम्पनी देश में पेट्रोल डीजल के दाम बढ़ावल शुरू कर देले बाड़ी सँ। एही बीच 18 जून के पेट्रोल डीजल ट्रांसपोर्टर हड़ताल कर के एलान कइले बाड़े।

कोरोना के पसार कई दिन 10000 रोजाना के सिवान पर लटकल आजु 10000 पर कइये लिहलसि। बाकिर आंकड़ा बतावत बा कि एकर पसरे के गति मद्धिम पड़े लागल बा।

आज शेयर बाजार में अनेसा के आशंका का उलट जोरदार तेजी देखे के मिलल। सबेरे 1200 अंक ढिमला के खुलल सेंसेक्स 234 अंक चढ़ि के बन्द भइल। निफ्टीओ में इहे हाल रहल आ उहो काल्हु का तुलना में 71 अंक चढ़ि के बन्द भइल।

कुछ कुछ देर बाद खबर जोड़त रहब जा। रउरो आवत रहीं।

भोजपुरी इलाका के हर गाँव पंचायत में टटका खबर के प्रचारकन के जरुरत बा. कॉलेज में पढ़ेवाला आ व्हाट्स अप पर देवनागरी में भोजपुरी लिखेवाला विद्यार्थी एह काम में लागि के आपन पाकिट खर्च निकाल पइहें. बाद में सफल प्रचारकन के बहाली में प्राथमिकता दीहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।