जम्मू कश्मीर में आजु भोरे कुलगाम जिला में सुरक्षाबल आ लश्कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का बीचे भइल मुठभेड़ में चार गो आतंकवादी मारल गइलें. सेना के दू गो जवानो शहीद हो गइलें. गोलीबारी में तीन गो अफरो सैनिक घाहिलो बाड़ें.
बस्ती जिला के कोतवाली इलाका से गैरकानूनी असलहा बनावे वाले अड्डा के भंडाफोड़ करत पुलिस बावरिया गिरोह के दस गो बदमाशन के गिरफ्तार क लिहलसि आ ओकनी का लगे से ढेरे हथियार आ बनावे में लागे वाला सामान बरामद कइलसि.
देवरिया के मदनपुर इलाका में पिछला महीना एक आदमी का गिरफ्तारी से खिसियाइल लोग के भीड़ थाना फूंक दिहले रहुवे आ केवटलिया गांव में तोड़फोड़ कइले रहल. पुलिस एह मामिला में तीन दर्जन लोग के गिरफ्तार क के जाँच करत रहुवे. अब थाना से लूटत कारतूस का साथे एगो आदमी का आजु गिरफ्तार क लिहलसि.
जौनपुर के कोतवाली इलाका का सिपाह मे बनल डाटपुल पार करत घरी वाराणसी से जौनपुर ओरि जात अहमदाबाद जाए वाली साबरमती एक्सप्रेस के आवत देखि दू गो मेहरारु अपना बचवन साथे नीचे कूद गइली सँ. एहमें सा एगो मेहरारु आ ओकरा बच्चा के मौत हो गइल जबकि एगो एउर मेहरारु आ ओकर बच्चा घवाहिल हो गइल.
गोरखपुर के सहजनवा में सीहापार हाल्ट का लगे एगो मेहरारू आवत ट्रेन का आगा कूद के आपन जान दे दिहलसि. अबहीं ओकर पहचान मालूम नइखे भइल.
गाजीपुर के जखनियाँ टीसन प भुड़कुडा इलाका के मदरा गांव के एगो मेहरारू प्लेटफार्म का लगहीं भटनी से वाराणसी जात सवारी गाड़ी के चपेटा में आ के गम्हीराहे घवाहिल हो गइल. ओकरा वाराणसी के ट्रेन पकड़े के रहुवे.
भदोही शहर कोतवाली इलाका का राघोपुर गांव में दू फरीकन का बीचे जमीन ले के भइल झगड़ा में चार गो मेहरारूवन समेत पन्दरह लोग घवाहिल हो गइल. एक आदमी के खराब हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
भारत-नेपाल सीमा से लागल पश्चिम चंपारण जिला के भंगहा इलाका में आजु एसएसबी के जवान ढेरे चरस आ गांजा बरामद कइलें. तस्कर रुके के कहला प आपन मोटरी फेंक के भाग निकलल.
जौनपुर के सुजानगंज इलाका में हरईपुर चेती गाँव के एगो नवही के सुजानगंज-महराजगंज सड़क पर मोटरसाइकिल सवार दू गो बदमाश गोली मार के जान ले लिहलें आ महराजगंज ओर भाग निकललें.
उत्तराखंड में भाजपा आ कांग्रेस विधानसभा चुनाव में वोटरन का अपना ओर खींचे ला जी जान लगा दिहले बाड़ें. काल्हु प्रचार बन्द हो जाई. राज्य में विधानसभा के 70 सीटन खाति बुध का दिने वोटिंग होखी.
यूपी विधानसभा चुनाव के दुसरका दौर में 11 जिलन के 67 गो सीट ला बुधवार के वोटिंग होखी. एहिजो काल्हु साँझ का बाद चुनाव प्रचार बन्द हो जाई.
तमिलनाडु में एआई अन्ना डी.एम.के. पार्टी के तीन गो अङर सांसद ओ. पनीरसेल्वम का साथे आ गइल बाड़ें. ई मिला के अब दस गो सांसद उनुका साथे हो गइल बाड़ें आ गँवा गँवे शशिकला का समर्थकन के पाला बदलल जारी बा. शशिकला के कहना बा कि राज्यपाल विद्या सागर राव जान बूझ के बोलावे में देरी करत बाड़ें कि उनुकर समर्थक टूट जासु.
जर्मनी के संसद आजु अपना नयी राष्ट्रपति के चुनाव करी. जर्मनी में राष्ट्रपति का लगे कवनो कार्यकारी अधिकार ना होला आ सिर्फ नैतिक अधिकार होला. राष्ट्रपति के चुनाव 1260 सदस्यन वाली संसद करेले.
0 Comments