- नेशनल डेयरी डेवलपमेंट बोर्ड के अध्यक्ष टी नंद कुमार कहलन कि दूध उत्पादन का मामिला में बिहार के बेंवत दुगुना तिगुना हो सकेला आ जल्दिए बिहार देश में दूध उत्पादन करे वालन में तिसरका जगहा आ जाई.
- अन्तर्राष्ट्रीय बाजार में कच्च तेल के कीमत में आइल गिरावट फायदा आम जनता के देत आजु रात से पेट्रोल के दाम में एक रूपिया प्रति लीटर के कमी कर दिहल गइल बा. मंगल के अधरतिया से ई नयका दर लागू हो जाई. मोदी सरकार अइला का बाद ई लगातार पाँचवा बार पेट्रोल के दाम घटावल गइल बा.
- यूपी से गुजरे वाला प्रमुख नेशनल हाईवे पर हर चालीस किलोमीटर का दूरी पर एक एक गो ट्राफिक थाना खोली यूपी सरकार. शुरुआत मथुरा से चंदौली का बीच कइल जाई. हर थाना के पेट्रोलिंग वाहन आ लैपटाप दिहल जाई.
- उत्तर प्रदेश के 16 छात्र 24 अक्टूबर के अमेरिका में नासा के 12 दिन के शैक्षिक यात्रा पर रवाना होखत बाड़े. ई लोग 4 नवंबर के वापिस लवटी.
- बिहार सरकार विकास मित्रन के मानदेय एक हजार रूपया प्रतिमाह बढ़वला का साथ ही ओह लोग के कुछ अउरियो सुविधा देबे के फैसला कइलसि.
- बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी बुध 15 अक्टूबर के रोहतास में दुर्गावति जलाशय परियोजना के उद्घाटन करीहें. एह मौका पर नीतीशो कुमार मौजूद रहींहे.
- पटना उच्च न्यायालय पटना के पुलिस उपाधीक्षक (विधि-व्यवस्था) ममता कल्याणी के अदालत के आदेश के अवमानना के दोषी मान लिहलसि. सजा तय करे खातिर सुनवाई 10 नवम्बर के कइल जाई.
- अखिल भारतीय महिला बीसबीसा क्रिकेट टूर्नामेंट के पहिला मैच में आजु चंडीगढ़ के टीम उत्तर प्रदेश के टीम के आठ विकेट से हरा दिहलसि.
- लखनऊ में चलत राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के नीति निर्धारक सर्वोच्च संस्था अखिल भारतीय कार्यकारी मंडल के बइठका में हिन्दुत्व के अउरी असरदार बनावे खातिर तौर तरीका पर विचार मथात बा.
- झारखंड प्रदेश कांग्रेस झारखंड में संस्कृत विश्वविद्यालय बनावे के माँग कइलसि प्रदेश सरकार से.
- ‘बहत गंगा’ में हाथ धोवे खातिर उत्तर प्रदेश सरकारो गंगा सफाई खातिर अभियान चलावे के फैसला करत गंगा के प्रदूषण मुक्त बनावे ला ‘गंगा सेल’ बनवलसि.
- उत्तर प्रदेश सरकार राज्य के सहकारी बैंकन के कर्मचारियन के दीपावली पर बोनस के मंजूरी दिहलसि आ ई लोग त्योहार अगि्रमो ले सकेला.
- बिहार के गोपालगंज जिला के एगो सरकारी स्कूल के सातवीं में पढ़े वाली लड़िकी से बगल में चाय बेचे वाला एगो दुकानदार महीनन से यौन शोषण करत रहुवे. लड़िकी के गभिनइला का बाद एकर खुलासा भइल बा.
- उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला में सदर कोतवाली इलाका में रेल पटरी पर आजु एगो डाक्टर के क्षत विक्षत लाश मिलल बा.
- बिहार के नालंदा जिला में सरकारी सहायता पावे वाला एगो मदरसा लड़िकियन के दाखिला पर रोक लगा दिहले बा काहे कि मजहब एकर इजाजत ना देव कि लड़िकी लड़िकन का साथे पढ़ऽ सँ.
- उत्तर प्रदेश में जौनपुर जिला के सरायख्वाजा इलाका में एगो प्रेमी जोड़ा के लाश गाछ पर लटकल मिलला का बाद सनसनी पसर गइल बा.
- बिहार में सारण जिला के अवतार नगर इलाका के गाँव मखदुमपुर के लोग नाजायज शराब बनावे वालन पर रोक लगावे खातिर आजु सबेरे थाना के घेराव कइले आ छपरा पटना मेनरोड के जाम क दिहले.
- मायावती सरकार का समय बनल गंगा एक्सप्रेस योजना में थोड़ बहुत सुधार क के अखिलेश यादव सरकार शुरु करे के फैसला लिहलसि.
- उत्तर प्रदेश में मथुरा के पंडित दीनदयाल उपाध्याय पशुचिकित्सा विज्ञान विश्वविद्यालय आ गो अनुसंधान संस्थान उत्तर भारत में मिले वाली देशी गायन के नस्ल के संवर्धन आ संरक्षण के काम करी.
0 Comments