टटका खबर

(शुक, 9 दिसम्बर)

  • लोकपाल विधेयक का मसौदा आजु संसद में पेश कर दिहल गइल जवना का बाद दुनु सदनन में जम के हंगामा भइल.
  • केरल हवाई अड्डे पर दू गो हवाई जहाज टकरात टकरात बचले.
  • एस एम कृष्णा के इस्तीफा माँगत विपक्षका चलते राज्यसभा के कार्यवाही बाधित भइल.
  • शिवसेना प्रमुख बाल ठाकरे अन्ना हजारे पर निशाना साधत कहले बाड़न कि लागत बा कि अन्ना के निशाना पर बस शरद पवार बाड़न.
  • कोलकाता के एगो अस्पताल में लागल आग का चलते सत्तर गो से बेसी मरीज मर गइले. अस्पताल पर लापरवाही के आरोप लगा के ओकर लाइसेंस रद्द कर दिहल गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।