बिहार विधान परिषद के चार गो सीट ला भइल चुनाव में राजग आ राजद दूनू समूह के दू दू गो सीट प जीत मिलल बा. गया स्नातक सीट से विधान परिषद के सभापति आ भाजपा उमीदवार अवधेश नारायण सिंह, गया शिक्षक सीट से राजग में शामिल राष्ट्रीय लोक समता पार्टी के संजीव श्याम सिंह, कोसी शिक्षक सीट से महागठबंधन के जदयू के उमीदवार संजीव कुमार सिंह आ सारण स्नातक सीट से जदयू समर्थित उमीदवार वारेन्द्र नारायण यादव के जीत भइल बा.
जदयू के राज्यसभा सांसद अली अनवर शून्यकाल का दौरान राज्यसभा में भोजपुरी के सवात उठावत मांग कइलन कि संविधान के अठवां अनुसूची में भोजपुरी के शामित कइल जाव.
यूपी सरकार राज्य के मेडिकल कॉलेजन के 418 शिक्षकन के स्थायी क दिहलसि. स्थायी शिक्षकन के कमी का चलते एह मेडिकल कॉलेजन के मान्यता संकट में पड़ल रहल ह. एकरा साथही 866 आयुर्वेदिक चिकित्सकन के, 70 गो यूनानी चिकित्सकन के, अउर 25 गो यूनानी शिक्षकन के स्थायी क दिहलसि.
जौनपुर शहर कोतवाली इलाका के शेख मोहामिद मोहल्ला में कई बरीसन से बिना लाईसेन्स चलत बूचड़खाना के नगर पालिका प्रशासन आजु सील क दिहलसि. हालांकि सील करे चहुँपल टीम के विरोधो जम के कइले स्थानीय लोग.
उत्तर प्रदेश बोर्ड के हाईस्कूल आ इण्टरमीडिएट परीक्षा आजु शुरू हो गइल. पहिलके दिने 110 गो नकलची पकड़इलें आ लाख से बेसी परीक्षार्थी इम्तिहान छोड़ दिहलें. दूनू परीक्षा मिला के कुल 6061034 परीक्षार्थी पंजीकृत रहले हँ,
सोनभद्र जिला के ओबरा बिजली परियोजना के आवासीय परिसर में एगो आदमी अपना घर में फाँसी लगा के जान दे दिहलसि. पड़ोसी एकर जानकारी पुलिस के दिहलन त लाश बरामद कइलसि पुलिस.
वाराणसी पुलिस आजु ट्राफिक रुल ना माने वाला 48 जने से साढ़े नौ हजार रुपिया जुर्माना वसूलसि. बिना हेल्मेट, ड्राइविंग लाइसेंस, सीट बेल्ट आ कागजात के वाहन चलाए वालन के चालान काटल गइल.
वाराणसी के कबीर चौरा में राजकीय महिला अस्पताल में बनल एगो दीवार अचके में भस गइल आ ओकरा मलबा में दबा के एगो मजदूर के बच्चा के मौत हो गइल. एगो अउर बच्चा घाहिल हो गइल बा.
गोरखपुर के धर्मशाला बाजार से दी दिन पहिले भइल लूट के मामिला के चार गो लूटेरन के पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. ओकनी का लगे से 31 लाख से बेसी रुपिया बरामदो भइल बा. रिलायंस पेट्रोल पंप के 98 लाख रूपिया ओह दिन लूत लीहल गइल रहुवे, लुटेरा पुलिस लिखल जीप प सवार हो के आइल रहले. एह मामिला में कवनो गिरोह के हाथ ना रहल आ कैशवैन के कैशियर, सुरक्षा गार्ड, वाहन चालक समेत अउरी साथी शामिल रहलें.
आजुओ गोरखपुर के बांसगांव इलाके में मोटरसाइकिल सवार बदमाश एगो रिटायर्ड शिक्षक से 50 हजार रूपिया लूट के फरार हो गइले. शिक्षक बैंक से रुपिया निकाल के साइकिल से घरे जात रहलन.
कानपुर जेल से बलिया अदालत में पेशी का बाद उत्सर्ग एक्प्रेस से वापस कानपुर जात घरी विचाराधीन कैदी बबलू उर्फ मिथलेश ट्रेन से कूद के फरार हो गइल. साथे चलत तीन गो सिपाहियन के गिरफ्तार क लीहल गइल बा. बबली बलिया के फेफना इलाका के खलीलपुर गोँव के हउवे आ ओकरा प कई गो मुकदमा चलत बा.
सोनभद्र जिला के रायपुर इलाका के पनिकप खुर्द गाँव के एगो जवान आदमी काल्हु रात छत से गिर पड़ल आ ओकर मौत हो गइल.
देवरिया अदालत में पेशी खाति ले आइल गइळ एगो विचाराधीन कैदी दीवानी कचहरी के बंदीगृह से पुलिस के चकमा देके फरार हो गइल. एकर पता जब लागल जब गिनिती में एगो कैदी कम मिलल.
जौनपुर के रामपुर इलाका के श्री राम जानकी दिनकर इंटर कॉलेज जोगापुर ( जमालापुर ) में हाई स्कूल की परीक्षा में अपना चाचा का जगहा परीक्षा देत भतीजा के गिरफ्तार क लीहल गइल.
पूर्वी चंपारण जिला के रघुनाथपुर पुलिस चौकी इलाका के रघुनाथपुर बाजार में काल्हु राति एगो औरत के छूरा घोप के मार डालल गइल. ई औरत कवनो बाति प रिसिया के अपना ससुराल हरसिद्धी थाना के मठलोहियार खैराती टोला से अपना नइहर मझुराहा गांव जात रहुवे.
0 Comments