टटका खबर, 17 फरवरी 2017, शुक

(शनिचर सबेरे 10 बजे के अपडेट)

घन कुहा आ खराब मौसम का चलते पूर्वोत्तर रेलवे के गाडी संख्या 15204 लखनऊ जं.-बरौनी एक्सप्रेस 24 फरवरी आ 3 मार्च के, अउर गाडी संख्या 15205 लखनऊ जं.-जबलपुर एक्सप्रेस 22 फरवरी आ 1 मार्च का दिने ना चलावल जइहें स.

सोनभद्र जिला के शक्तिनगर इलाके में पीडब्लूडी मोड़ का नियरा एगो नाला में बियफे का भोर में एगो अधेड़ के लाश पड़ल मिलल. बाद मे लाश के पहचान शक्तिनगर के एगो निजी स्कूल में सुरक्षाकर्मी का रुप में भइल जे काम का बाद बाजार करे गइल रहे आ लवटल ना.

तमिलनाडु विधानसभा में मुख्यमंत्री इके पलानीस्वामी के बहुमत साबित करे वाला प्रस्ताव के विपक्षी द्रमुक आ कांग्रेसी विधायक खिलाफ रहीहें.

देवरिया जिला का गौरीबाजार इलाका में गौरीबुजुर्ग गाँव का नियरा खेत में सरसों सोहत मेहरारू का उपर बिजली के तार टूट के गिर पड़ल जवना करंट से ओकर मौत हो गइल.


सेनाध्यक्ष जनरल बिपिन रावत के बयान के आलोचना करत कांग्रेस जम्मू-कश्मीर में सेना प ढेला पत्थर चलावे वाला बदमाशन के समर्थन कइले बियाय एह चलते भाजपा के लोग कांग्रेस के आलोचना करत बा. सेनाध्यक्ष के कहना रहल कि जेही आतंकियन के खिलाफ चलावल जात सैनिक अभियान में बाधा डाली भा सेना प ढेला मारी करी ओकरो के आतंकी मानल जाई आ ओकनियो से वइसने बेवहार कइल जाई.

सुप्रीम कोर्ट में आजु पाँच गो नया न्‍यायाधीशन के किराया धरावल गइल. एह लोग के मिला के अब सुप्रीम कोर्ट में 28 गो न्‍यायाधीश हो गइलें. आजु किरिया लेबे वाला न्‍यायाधीशन में शामिल बाड़ें न्‍यायमूर्ति संजय किशन कौल, नवीन सिन्‍हा, मोहन एम शांतानगोदर, दीपक गुप्‍ता आ एस अब्‍दुल नजीर. एह लोगन के किरिया घरावे के काम चीफ जस्टिस जे एस खेहर जो कइनी.

यूपी में होखत विधानसभा चुनाव के तिसरका दौर में 12 जिलन के 69 सीटन के चुनाव ला प्रचार करे के काम आजु साँझ से बन्द हो गइल. एह दौर के वोटिंग 19 फरवरी के होखी. एह दिन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के जिला इटावा, प्रदेश के राजधानी लखनऊ आ उद्योग नगरी कानपुर शामिल रही वोटिंग करे में.

गोरखपुर के बडहलगंज इलाका के खडेसरी गाँव के एगो साठ बरीस के उमिरगर किसान अपना खेतो जात रहलन जब गाँवका नियरे सड़क पार करत घरी एगो ट्रक उनुका के धक्का मारत भाग निकलल. उनुका के तुरते अस्पाल चहुँपावल गइल तबले उनुकर मौत हो गइल रहुवे.

भदोही के औराई इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में मोटरसाइकिल सवार एगो मेहरारू आ बच्ची के मौत हो गइल आ चलावत आदमी घवाहिल हो गइल. बतावल जात बा कि ज्ञानपुर कोतवाली के खरगपुर गांव के ई आदमी मिर्जापुर से लवटत रहलन जब नेशनल हाईवे प माधोपुर का लगे उनुका मोटरसाइकिल के एगो आटो धक्का मार दिहलसि. ई लोग नीचे गिरल आ पीछे से आवत एगो टैंकर माहरारू आ बच्ची के कचारत निकल गइल.

बस्ती जिला मुख्यालय का नियरा अहमट में कुआनो नदी प बनल सई बरीस पुरान पुल आजु भोरे भस गइल आ एगो ट्रक नीचे नदी मे गिर गइल. संजोग नीमन गहल कि केहू के मौत ना भइल. खलासी जरुरे तनी घवाहिल हो गइल.

डुमरियागंज विधानसभा सीट के सहियापुर में काल्हु राति प्रचार सभा में केंद्रीय पर्यटन मंत्री महेश शर्मा कहलन कि यूपी में सरकार बलला प गोकशी प पूरा तरह से रोक लगा दीहल जाई.

छपरा- सोनपुर रेल खंड के देवरिया हाल्ट टीसन का नियरा सोनपुर से छपरा जात एगो सवारी गाड़ी से एगो नवही नीचे गिर गइल आ ओकर मौत हो गइल.

सारण जिला के तरैया इलाका के माधोपुर गांव जमीन ले के भइल झगड़ा में काल्हु देर रात एगो मरद मेहरारू के गोली मार के जान ले लीहल गइल.

यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु एगो सभा में बोलत मान लिहलन कि राज्य में भाजपा के जीते से रोके ला मजबूरी में कांग्रेस से गठजोड़ करे के पड़ल.

रिजर्व बैंक के गवर्नर उर्जित पटेल के कहना बा कि पांच सौ अउर एक हजार रूप्या के नोट बंद भइला से उपजल हालात से उबर के देश जल्दिये आर्थिक बढ़ोतरी का राह प चल निकली.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *