टटका खबर : 18 अक्टूबर 2014, शनिचर
लखनऊ में खिलाड़ियन के सम्मान समारोह में यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव आ पटना में बाल मजदूरन के पुनर्वास समारोह में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी.

लखनऊ में खिलाड़ियन के सम्मान समारोह में यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव आ पटना में बाल मजदूरन के पुनर्वास समारोह में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी.

  • उत्तर प्रदेश के लोक निर्माण मंत्री शिवपाल सिंह यादव गाजीपुर-आजमगढ रोड के तुरते मरम्मत करावे के निर्देश दिहले आ कहले कि सैदपुर जमांनियां पुल के निर्माण तेजी से करावल जाए आ रौजा बि्रज के दिसम्बर ले हर हाल में पूरा बना के उद्घाटन करा लिहल जाव.
  • यूपी सरकार राज्य के सात गो जिला में लड़िकियन के शिक्षा के बढ़ावा देबे ला महिला डिग्री कालेज खोली. ई जिला बावे आजमगढ़, कन्नौज, चन्दौली, मैनपुरी, एटा, आ हमीरपुर.
  • मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव कहलन कि राज्य में नया खेल नीति बनावल जाई जवना से खिलाड़ियन के नौकरी के अवसर बढ़े. मुख्यमंत्री एशियाड में पदक जीते वाला खिलाड़ियन के सम्मानित करत रहले.
  • पश्चिम चंपारण के मझौलिया इलाका के गोरा सेमरा नोनिया टोला में एगो प्रेमी नवही के गाँव के लोग काल्हु रात में पीट पीट के मुआ दिहल.
  • काल्हु शुक का दिने बिहार में कवनो नया भोजपुरी फिलिम रिलिज ना भइल. भोजपुरी सिनेमा के कारोबार में गिरावट आइल बा काहे कि भोजपुरी फिलिम अपना जमीन से कट गइल बाड़ी सँ. दोसरा भासा के निर्माता आ निर्देशक भोजपुरी से न्याय नइखन कर पावत.
  • वाराणसी के हरिश्चन्द्र स्नाकोत्तर महाविद्यालय में छात्रसंघ चुनाव के परिणाम अइला का बाद काल्हु शुक के सँझिया में दू गो गुट अपने में भिड़ गइले. एह मारपीट में चार जने घवाहिल हो गइल बाड़े.
  • गोरखपुर के बाबा राघव दास मेडिकल कालेज में पिछला 24 घण्टे में इंसेफलाइटिस से अउर आठ गो बचवन के मरला का बाद एह बेमारी से एह साल अबले 468 गो मौत हो चुकल बा.
  • जौनपुर जिला में मौजूदा लेखा बरीस में बने जात 9004 गो इन्दिरा आवास में से 1591 गो आवास अल्पसंख्यक समुदाय के दिहल जाई.
  • पटना के मशहूर काॅलेज पटना काॅलेज के विद्यार्थियन के दू गो गुट के झगड़ा में बम चलला से एगो छात्र घवाहिल हो गइल.
  • देवरिया जिला के मदनपुरा इलाका में मामूली झगड़ा में एगो देवर अपना भउजाई के पीट पीट के मुआ दिहलसि.
  • बिहार के सीतामढ़ी का रुन्नी सैदपुर इलाका में आजु शनिचर का भोर में एगो सड़क हादसा में सात लोग के मौत हो गइल बा आ छह जने घवाहिल हो गइल बाड़े. गाढ़ा गाँव का लगे एगो सुमो सामने से आवत ट्रक से टकरा गइल. एगो दोसर घटना में प्रेमनगर गाँव का लगे बोलेरो आ ट्रक के टक्कर हो गइल.
  • बलिया के बैरिया इलाका के भीखा छपरा पुलिया का लगे काल्हु शुक के दुपहरिया में बैंक से 1 लाख 69 हजार रुपिया निकाल के अपना ग्राहक सेवा केन्द्र आवत कौशल सिंह के कुछ बदमाश छुरा घोंप के घवाहिल क दिहले आ रुपिया वाला बैग छीन के फरार हो गइले.

0 Comments