देश के राजनीति के एगो नया आ पुरहर इशारा करे वाला घटना में गोरखपुर से पाँच बेर सांसद चुनाइल आ हिन्दुत्व के परचम फहरावे वाला नेता योगी आदित्यनाथ के आजु उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री का रुप में किरिया धरा दीहल गइल. एह मौका प पीएम मोदी, भाजपा अध्यक्ष अमित शाह, भाजपा के पुरनिया नेता लालकृष्ण आडवाणी, डॉ मुरली मनोहर जोशी, राजनाथ सिंह, नितिन गड़करी, वेंकैया नायडू, कलराज, अनन्त कुमार वगैरह समेत 13 गो राज्य के मुख्यमंत्री मौजूद रहलें. ठकुआ मार गइल विपक्ष में से मुलायम सिंह यादव आ अशिलेश यादव छोड़ कवनो चेहरा मंच प ना लउकल. मुसलमान वोट ला गोड़धरिया करे वाला सेकूलर नेता लोग के गैरहाजिरिओ एगो संदेश देत बा. अलग बाति बा कि एह लोग से बरियार विरोधो कइल पार नइखे लागत.
लखनऊ के कांशीराम स्मृति उपवन में आयोजित किरिया धराई समारोह में राज्यपाल राम नाईक योगी आदित्यनाथ के पद आ गोपनीयता के किरिया धरवनी. इनका बाद दू गो उप मुख्यमंत्री दिनेश शर्मा आ केशव प्रसाद मौर्य के उपमुख्यमंत्री का रुप में किरिया धरावल गइल. साथही कैबिनेट मंत्री का रुप में 22 गो आ राज्यमंत्रिओ का रुप में 22 गो विधायकन के किरिया धरावल गइल. राज्यमंत्रियन में नौ जने स्वतंत्र प्रभार वाला रहीहें.
कैबिनेट मंत्रियन में सूर्य प्रताप शाही, सुरेश खन्ना, स्वामी प्रसाद मौर्य, सतीश महाना, राजेश अग्रवाल, दारा सिंह चौहान, रीता बहुगुणा जोशी, धर्मपाल सिंह, एस.पी. सिंह बघेल, सत्यदेव पचौरी, रमापति शास्त्री, जय प्रताप सिंह, ओम प्रकाश राजभर, बृजेश पाठक, लक्ष्मी नारायण चौधरी, चेतन चौहान, श्रीकान्त शर्मा, राजेन्द्र प्रताप सिंह उर्फ मोती सिंह, सिद्धार्थनाथ सिंह, मुकुट बिहारी वर्मा, आषुतोश टंडन अउर नन्द कुमार नन्दी बाड़ें.
स्वतंत्र प्रभार वाला राज्य मंत्रियन में अनुपमा जायसवाल, सुरेश राणा, उपेन्द्र तिवारी, डॉ महेन्द्र सिंह, स्वतंत्र देव सिंह, भूपेन्द्र सिंह चौधरी, धर्म सिंह सैनी, स्वाति सिंह अउर अनिल राजभर के नाम बा.
तेरह गो राज्यमंत्रियन में गुलाब देवी, मोहसिन रजा, जय प्रकाश निषाद, अर्चना पाण्डेय, जय कुमार सिंह जैकी, अतुल गर्ग, रणवेन्द्र प्रताप सिंह, नीलकण्ठ तिवारी, गिरीश चन्द्र यादव, बलदेव सिंह औलख, मन्नू कोरी, संदीप सिंह अउर सुरेश पासी के नाम बा.
मंत्रिमंडल में शामिल कइल गइल अकेला मुसलमान मोहसिन रजा विधायक ना हउवन आ इनको छह महीना भितरे विधानमंडल के सदस्य चुनाए के पड़ी.
पूर्वांचल से नउवां मुख्यमंत्री बनल योगी आदित्यनाथ उत्तर प्रदेश में भाजपा के चउथा मुख्यमंत्री हउवें. इनका से पहिले कल्याण सिंह, रामप्रकाश गुप्त आ राजनाथ सिंह एहिजा के मुख्यमंत्री रह चुकल बाड़ें.
योगी अदित्यनाथ के जनम पांच जून उन्नीस सौ बहत्तर के दिने पौड़ी जिला के यमकेश्वर खण्ड के पंचूर में भइळ रहुवे. बचपन में इनकर नाम अजय सिंह रहल बाकि 15 फरवरी 1984 का दिने गोरक्षपीठ के महन्त अवैद्यनाथ जी इनका के आपन उत्तराधिकारी बना के दीक्षाभिषेक करा दिहनी आ नाम हो गइल योगी आदित्यनाथ. 1998 में योगी आदित्यनाथ के राजनीतिक सफर शुरू भइल जब 26 बरीस का उमिर में इनका के गोरखपुर से सांसद चुन लीहल गइल.
आजमगढ़ जिले के मेहनाजपुर इलाका के भरपुर पिछवार गाँव में पोखरा में डूबला से अपना ममहर आइल गाजीपुर के सैदपुर कोतवाली इलाका के हसनपुर गांव के एगो लइका के मौत हो गइल.
बक्सर जिले के धनसोई इलाका के दुल्फा गाँव के एगो मँड़ई में आग लगला से एके परिवार के चार लोग झँउस गइल. एहमें से एगो लइका के मौत ठाँवे प हो गइल.
जौनपुर जिला के जलालपुर इलाका के लोहगाजर गांव में एगो मेहरारु आग लगा के आपन जान दे दिहलसि. ओकर मरद दिल्ली में छोट मोट काम क के परिवार पोसेला. फगुआ बाद दिल्ली जाए लागल त इहो जाए के जिद ध लिहलसि बाकि ऊ अकेले जल गइल त ई अपना देह में आग लगा के मर गइल.
भोजपुर जिला के चरपोखरी इलाका के गड़हनी बाजार में आरा-सासाराम रोड प एगो वाहन दू गो मेहरारुवन समेत तीन जने के कचार दिहलसि. सेमराव गाँव के एगो आदमी के मौत ओहिजे हो गइल.
भोजपुरे जिला के पवना इलाका के खोपिरा गाँव में जमीन का झगड़ा का चलते एक आदमी के जान चलि गइल आ दू जना घवाहिल हो गइल बाड़ें.
0 Comments