टटका खबर : 2 अक्टूबर 2014, बियफे

बिहार आ यूपी के खबर –

  • साल 2019 ले स्वच्छ बिहार बनावे के संकल्प लेके मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी दानापुर प्रखंड के जमसौत मुसहरी टोला में झाडू लगाके बिहार में राष्ट्रीय स्वच्छता जागरूकता अभियान कव शुरूआत कइलन.
  • जौनपुर जिला के लाइन बाजार इलाका में कन्हईपुर रेलवे क्रासिंग पर एगो कार के ट्रेन के इंजन से टक्कर हो गइल आ कार पर सवार तीन जने बहुते घवाहिल हो गइले.
  • जौनपुर के सुजानगंज इलाका के भगवानपुर गांव में पंचायत भवन का नियरा मोटरसाइकिल से आइल दू गो बदमाश मोटरसाइकिल से आवत एगो सर्राफा व्यवसायी के हत्या कर दिहले.
  • चन्दौली जिले के मुगलसराय जंक्शन से आजु सबेरे तस्करी कर ले जाइल जात 15 गो पिस्तौल आ दू गो मैगजीन बरामद भइल.
  • भोजपुर जिला के चरपोखरी इलाका के महावीर टोला का लगे बस से कचरा के दू जने के मौत.
  • पूर्वी चंपारण के पताही इलाका के नोनफरवा गांव में आजु भोरे कुछ लोग माओवादी उग्रवादी सोने लाल बैठा के गोली मार के हत्या कर दिहले.
  • रेलवे जनता के जेब पर डाका डाले के फैसला कइलसि. तत्काल कोटा के आधा टिकट अउरी अधिका भा कहीं कि अधिको से अधिका दाम पर बेचल करी जइसे हवाई जहाज के टिकट बिकाला.
  • उत्तर प्रदेश में चन्दौली के बबूरी इलाका में दू गो नवहियन के एगो अजबे तरह के बुखार से मौत हो गइल जवना के डाक्टर लोग निदान ना कर पावल
  • जौनपुर के गौराबादशाहपुर इलाका में बुध का रात एगो ट्रक से कचरा के दू गो औरतन के मौत हो गइल आ सात जने घवाहिल हो गइले.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में.


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।