टटका खबर : 21 अक्टूबर 2014, मंगल
पुलिस दिवस पर परेड के सलामी लेत यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव

पुलिस दिवस पर परेड के सलामी लेत यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश सिंह यादव

  • पटना में बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी आज पटना के संस्कृत महाविद्यालय के नाम डा॰ श्रीकृष्ण सिंह के नाम पर करे के आ बिहार विश्वविद्यालय में उनकर आदमकद प्रतिमा लगावे के एलान कइलन त दिल्ली में नीतीश कुमार श्रीकृष्ण बाबू के भारत रत्न देबे के माँग कर दिहले.
  • भाजपा अध्यक्ष अमित शाह मंगल का दिने 28 गो राज्यन आ केंद्र शासित इलाकन के पार्टी प्रभारियन में फेर बदल क दिहले. उत्तर प्रदेश के प्रभारी अब ओम माथुर के बनावल गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश में दिवाली पर शहर से लेके गांव ले बिना कवनो बाधा के बिजली के आपूर्ति करे के कहले बिया सरकार. साँझ पाॅच बजे से सात बजे का बीच हर गाँव के बिजली दिहल जाई. वइसे आजु मुख्यमंत्री का कार्यक्रम में बिजली कट गइल रहे जवन छह मिनट बाद लवटल. लाज बचावे खातिर कहल गइल कि बिजली कटल ना रहुवे, लाइन में कुछ गड़बड़ आ गइल रहुवे.
  • रोहतास जिले के सासाराम टीसन का लगे तकिया रेल फाटक पर आजु मंगल का दिने एगो ट्रेन से कटा के दू जने के मौत हो गइल.
  • बलिया नगर का कोतवाली इलाका में काल्हु रात एगो सर्राफा व्यवसायी लक्ष्मी सोनी के घर पर धावा बोलके अपराधी लाखों रुपिया के जेवरात वगैरह लूट लिहले सँ आ विरोध कइला पर चार सवाँग के घवाहिल कर दिहले सँ.
  • उत्तर प्रदेश सरकार आ निजी चीनी मिल मालिकन का बीच समझौता का बाद अब उमेद बा कि अगिला महीना से पेराई के काम शुरू हो जाई.
  • मिर्जापुर के कछवा इलाका में काल्हु रात एगो ओझा का घर पर हमला करे वालन में से दू आदमी के हत्या कर दिहल गइल. एह हमला में दू जने घवाहिल भइल बाड़े.
  • सारण जिला के अवतार नगर थाना के बोधा छपरा गाँव का लगे काल्हु साँझ भइल सड़क हादसा में घवाहिल दू जने के आजु अस्पताल में इलाज करावत में मौत हो गइल.
  • उत्तर प्रदेश में फिलिम शूटिंग आ निर्माण के बढ़ावा देबे खातिर प्रदेश सरकार अब दू करोड़ रुपिया अनुदान में दी बशर्ते फिलिम बहुत हद ले प्रदेशे में बनावल जाव.
  • भोजपुरी आ हिन्दी के साहित्यकार देवरिया के प्रो.अरुणेश नीरन के मारीशस सरकार आपन भाषा साहित्य आ संस्कृति के क्षेत्र में दिहल जाए वाला “विश्व भाषा सम्मान” से सम्मानित करी.
  • औरंगाबाद के देव मोड़ का लगे बस आ ट्रक के टक्कर में अक दर्जन से अधिका सवारी घवाहिल.
  • पटना में श्रीकृष्ण जयंती पर बोलावल जदयु के कार्यक्रम में नीतीश कुमार ना अइहन. भाजपा काल्हु मनवले रहुवे श्रीकृष्ण जयंती. भाजपा कहलसि कि बिहार के विकास ला केन्द्र से मिल के चले वाली सरकार चाहीं.
  • गैंगरेप का मामिला के खिलाफ आजु भोजपुर बंद. जनसाधारण एक्सप्रेस के आधा घंटा ले रोकल गइल. मामिला में गिरफ्तार लोग के निर्दोष बतावत राष्ट्रवादी किसान पंचायत बंद बोलवले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *