टटका खबर, 21 मार्च 2017, मंगल


धनबाद के डिप्टी मेयर रह चुकल नीरज सिंह के गाड़ी प आजु साँझ कुछ लोग ताबड़तोड़ फायरिंग क के नीरज सिंह समेत चार लोग के जान ला लीहल. एह घटना का बाद से धनबाद आ झरिया में तनाव पसर गइल बा, हत्या कइला का बाद हत्यारा अपना गाड़ी से भाग परइले सँ. नीरज के चचेरा भाई आ झरिया के विधायक संजीव सिंह के घर हत्या का जगहा का नियरे बा. नीरज सिंह आ संजीव सिंह में पटत ना रहुवे. नीरज सिंह के पिता राजनारायण सिंह के कई बरीस पहिले निधन हो चुकल बा. राजनारायण सिंह के भाई सूर्यदेव सिंह कोयलांचल के दबंग विधायक रहलन. ई परिवार बलिया जिला के गोन्हिया छपरा के हवे. कुछ दिन पहिले विधायक संजीव सिंह के एगो आदमी के दिनदहाड़े गोली मार के खून क दीहल गइल रहुवे आ ओह मामिला में नीरज सिंह के नाम सामने आइल रहल. दूनू गिरोह का बीच के ई खूनी खेल बरीसन से चलत आइल बा आ आगहूं जारी रहे के अनेसा नकारल ना जा सके.

अयोध्या के राम जनम भूमि पर सदियन से चलत आइल विवाद का धर्म आ आस्था से जुड़ल बतावत सुप्रीम कोर्ट सलाह दिहलसि कि सगरी फरीक मिल बइठ के एकर समाधान निकाल लेसु. मुख्य न्यायाधीश इहो कहनी कि अगर आपसी बातचीच से मामिला ना लिपटल तबे अदालत एह विवाद प फैसला देबे के सोचीं. डॉ सुब्रह्मण्यम स्वामी अदालत से एह मामिला के जल्दी से जल्दी निपटारा करे के अरजी लगवले बाड़न आ ओही अरजी प अदालत आपन राय जाहिर कइलसि.

चइती रामनवमी का मौका प राज्य के सगरी शक्तिपीठन आ मन्दरन के सुरक्षा चउकस करे के निर्देश दिहले बाड़न मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ.

बिहार में आपन स्टार्ट अप शुरु करे वालन के बिहार सरकार का तरफ से दस लाख रुपिया के कर्जा बिना ब्याज के दीहल जाई. एह बात के एलान आजु मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कइलन आ कहलन कि एह काम ला पाँच सौ करोड़ रुपिया के वॆचर कैपिटल फंड बनावल गइल बा.

बिहार के स्थापना दिवस के मौका प काल्हु से तीन दिन ले पूरा राज्य में रंगारंग सांस्क़तिक कार्यक्रम के आयोजन होखे जा रहल बा. मुख्य समारोह पटना के गाँधी मैदान में होखी. एही मौका प सगरी सरकारी कॉलेजन आ विश्वविद्यालयन में फोकटिया वाईफाई देबे के शुरुआतो कइल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।