भारत के कहना बा कि पाकिस्तान कुलभूषण जाधव के परिवार का साथे आपसी सहमति का खिलाफ काम कइले बा. विदेश मंत्रालय के बोलतुआ रवीश कुमार कहलन कि जाधव के महतारी आ मेहरारु के मंगलसूत्र, चूड़ी आ बिन्दी ले भेंट करे से पहिले उतरवा लीहल गइल. आ कई बेर कहला का बादो जाधव के मेहरारु के चप्पल वापिस ना कइलसि पाकिस्तान. एह लोग के अपना भाषा में बतियावहूं से रोकल गइल आ कुलभूषण के ओतने कहे के इजाजल रहल जतना उनुका के सिखावल रहुवे. भारत के उप उच्चायुक्त के फरका क के भेट शुरू करा दीहल गइल रहे.
जैश-ए-मोहम्मद के खुंखार आतंकवादी नूर मोहम्मद तांत्रे के मंगल का दिने जम्मू कश्मीर के पुलवामा जिला के सम्बूरा इलाका में मार गिरावल गइल. एह आतंकी प श्रीनगर हवाई अड्डा प बीएसएफ कैंप पर भइल हमला के आरोप रहुवे. साल 2003 में दिल्ली में भइल एगो आतंकी धमाको के आरोप एकरा प रहुवे. ई आतंकी श्रीनगर का सेंट्रल जेल से 2015 में पेरोल प निकलला का बाद फरार हो गइल रहुवे आ सुरक्षा बल एकरा ताक में रहलें.
भाजपा नेता जयराम ठाकुर बुध का दिने हिमाचल प्रदेश के नयका मुख्यमंत्री पद के किरिया धरीहें. किरिया धराई समारोह सबेरे 11 बजे शिमला के ऐतिहासिक रिज मैदान में होखे जा रहल बा. एह मौका प पीएम मोदी, भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह, पुरनिया नेता लाल कृष्ण आडवाणी समेत अनेके केन्द्रीय मंत्रिओ मौजूद रहीहें.
चार दिन का छुट्टी का बाद बुध से संसद के बइठका फेरू शुरु होखे जा रहल बा बाकिर कांग्रेस एकरा के सही से चले दी एकर उमेद कमही बा. बियफे का दिने तीन तलाक का खिलाफ बिल आवे वाला बा जवना के विरोथ करबे करी कांग्रेस.
जी एस टी के वसूली नवम्बर में अउरी घट के महज अस्सी हजार आठ सौ आठ करोड़ रुपिया भइल बा.
बिहार के खगड़िया जिला में गंगा नदी में एगो नाव का पलटला से तीन गो औरतन समेत छह लोग के डूबला से मौत हो गइल. एह लोग के लाश निकाल लीहल गइल बा.
मंगल का दिने बंबई शेयर बाजार के सेंसेक्स 70 अंक बढ़ि के 34 हजार 11 के नया रिकार्ड बना के बंद भइल. निफ्टीओ 39 अंक के बढत लेत 10 हजार 532 के नया निशान बना दिहलसि.
पूरा उत्तर भारत समेत यूपीओ बिहार में कड़ाका के जाड़ा पड़ल शुरु हो गइल बा. कई जगहा दिनो भर घाम ना निकलल. ई शीत लहरी अबहीं जारी रहे के अनेसा बा.
बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मंगल का दिने कहलन कि चार महीना में पटना मेट्रो प काम शुरू हो जाई. एह बारे में नया प्रस्ताव बना के केन्द्र सरकार का लगे भेज दीहल गइल बा. नीतीश कुमार पटना में एक सौ अड़सठ करोड़ रूपिया में बनल पटना जंक्शन फ्लाईओवर के उद्घाटन समारोह में बोलत रहलन.
बक्सर जिला के धनसोई इलाका में विक्रमगंज बैक शाखा से रुपिया निकाल के आवत बैंक कर्मचारियन से कउवाखोज पुल का लगे पांच लाख रूपिया लूट लीहले सँ डकैत. अबहीं एह मामिला में कवनो के गिरफ्तारी नइखे भइल.
राकांपा नेता आ ओकर राष्ट्रीय महासचिव आ कटिहार से सांसद तारिक अनवर के तबियत अचके बिगड़ला का बाद उनुका के एयर एम्बुलेंस से दिल्ली भेजल गइल बा. अबहीं उनुकर हालत थिर बतावल जात बा.
औरंगाबाद जिला में सोननगर रेल पुलिस आठ गो देशी पिस्तौलन का साथे एगो हथियार तस्कर के गिरफ्तार क लिहलसि. ई हथियार झारखंड के पलामू से सासाराम ले जात रहुवे ई तस्कर.
पश्चिम चंपारण जिला के रामनगर इलाका के एगो दुकान से पांच सौ सैंतीस बोतल विदेशी शराब बरामद क के पुलिस दू जने के गिरफ्तार कइले बिया.
रुस के मौजूदा राष्ट्रपति पुतिन के विरोधी एलेक्सी नवल्नी के चुनाव लड़े जोग नइखे मनले ओहिजा के चुनाव आयोग आ उनुका चुनाव लड़े प रोक लगा दीहल गइल बा. एलेक्सी अपना समर्थकन से एह हालत में चुनाव बहिष्कार करे के गोहार लगवले बाड़न.
Embed Music – Podcast Hosting –
0 Comments