अर्थ व्यवस्था के हालत खराब बतावत रिसियाइल भाजपा नेता यशवन्त सिन्हा के लेख का बाद आजु वित्तमंत्री अरुण जेटली कहलन कि देश के मौजूदा आर्थिक स्थिति दुनिया के सबसे तेज गति से बढ़े वाली अर्थव्यवस्था बिया. कहलन कि अब आर्थिक अनुशासन सरकार के प्राथमिकता बावे. कहलन कि अबहीं उनुका भूतपूर्व वित्त मंत्री कहाए के सुख सुविधा नइखे जे आपन दिन भुला के दोसरा प ज्ञान बधारे के आजादी ले सको.
दिल्ली के रेलभवन प पत्रकारन से बतियावत रेल मंत्री पीयूष गोयल कहलन कि रेल में फ्लेक्सी भाड़ा पर फेर से सोचल जा रहल बा काहे कि एकरा चलते भाड़ा बहुते बढ़ जात बा. कहलन कि पूरा कोशिश रही कि एकरा के तर्कसंगत बनावल जाय. 9 सितम्बर 2016 से राजधानी, दुरन्तो आ शताब्दी गाड़ियन में फ्लेक्सी भाड़ा वाला योजना चलत बा जवना में हर 10 फीसदी टिकट बिकइला का बाद भाड़ा 10 फीसदी बढ़ जाला आ आखिरी टिकट तिगुना दाम प खरीदे के पड़ जाला. इहो बतवलन कि 1 नवम्बर 2017 से 48 गो मेल एक्सप्रेस गाड़ियन के सुपर फास्ट बना दीहल जाई आ करीब 700 रेल गाड़ियन के रफ्तार बढ़ावल जाई. नया लाइन बिछवला का बदले अब पुरनकी लाइन के चुस्त दुरुस्त करे प जोर दीहल जा रहल बा. बतवलन कि अगिला चार से पाँच बरीस में सगरी लाइन के बिजली वाला क दीहल जाई जवना से रेलवे के 10000 करोड़ रुपिया का बचत होखी.
यूपी पुलिस के स्पेशल टास्क फोर्स आजु मेरठ में मुठभेड़ क के मुकीम काला गिरोह के इनामी बदमाश आ मुकीम काला के भाई वसीम के घाहिल क के गिरफ्तार क लिहलिस बाकिर इलाज का दौरान वसीम के मौत हो गइल. वसीम प पचास हजार रुपिया के इनाम घोषित रहुवे.
रेप करे के आरोपी बदनाम पत्रकार आ तहलका पत्रिका के प्रधान संपादक तरुण तेजपाल का खिलाफ आजु गोवा के एगो अदालत आरोप पत्र तय क दिहलसि. अब जल्दिए तेजपाल के गिरफ्तार कइल जा सकेला. अगिला सुनवाई 21 नवम्बर के होखे वाला बा.
नया मुल्ला पियाज बेसी खाला वाला कहावत के सही साबुत करत बिहार कांग्रेस के नवका बहाल कार्यकारी अध्यक्ष कौकब कादरी आजु कहलन कि आलाकमान का खिलाफ केहू कमेंट करी त ओकरा का परदाश्त ना कइल जाई.
गोरखपुर के झगहा में आजु एगो सड़क हादसा में राधोपुर गाँव के एगो आदमी के मौत हो गइल जब ऊ मोटरसाइकिल से कुछ काम ला कहीं जात रहुवे.
देवरिया में सरकारी डाक्टर खालिद के हत्या करे के आरोपी के आजु पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि.
देश के शेयर बाजारन में आजु बियफे का दिने कुछ सुधार देखे के मिलल. सेंसेक्स 122.67 अंक बढ़ के आ निफ्टी 33.20 अंक बढ़ के बन्द भइल.
यूपी के पुलिस महानिदेशक सुलखान सिंह के सेवा अवधि तीन महीना अउरी बढ़ावे के प्रस्ताव केन्द्र का लगे भेजल गइल बा. केन्द्र एकरा के मान लिहले बावे.
आजु श्री गोरखनाथ मन्दिर में भोजपुरी साहित्यकार डॉ० फूलचन्द प्रसाद गुप्त के भोजपुरी निबन्ध संग्रह ‘जागऽ बिहान भइल’ के विमोचन कइलन मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ. pic.twitter.com/GuNCkwEZBw
— Yogi Adityanath (@myogiadityanath) September 28, 2017
0 Comments