टटका खबर : 29 अक्टूबर 2014, बुध
  • छठ महापर्व का तिसरा दिने आजु व्रती लोग नदी तालाब पोखरा समुद्र का किनारे पानी में खड़ा होके डूबत सूरज के अर्घ दिहल. काल्हु सबेरे उगत सूरज के अर्घ दिहला का साथे चार दिन चले वाला ई महापर्व पूरा हो जाई.
  • इलाहाबाद के फाफामऊ में आजु बुध का दिने एगो कार आ टैंकर के टक्कर में दू जने के मौत हो गइल.
  • सारण जिला के छपरा मंडल जेल में आजु एगो कैदी फाँसी लगा के मर गइल.
  • इलाहाबाद शहर में आजु बुध का सबेरे एगो चाय के दुकान में विस्फोट हो गइला से पूरा दुकान तहस नहस हो गइल. बाकिर केहू के मरे के खबर नइखे.
  • पश्चिम चंपारण जिला के शिकारपुर इलाका में आजु बेलौर नदी में एगो बाप बेटा के डुबला से मौत हो गइल.
  • कैमूर जिला के भभुआ रोड टीसन का नियरा रेल पटरी पार करत एगो ओरत मालगाड़ी से कटा के मर गइल.
  • रोहतास जिला के डेहरी आन सोन इलाका में आजु कोयला डिपो का लगे एगो पेट्रोल पंप कर्मचारी के गोली मार के अढ़ाई लाख रुपिया लूट लिहल गइल.
  • सारण जिला के एकमा थाना के भुलनी गाँव का लगे परसागढ़ रोड पर एगो नवही के लाश मिलल बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..