टटका खबर : 30 अक्टूबर 2014, बियफे

Chhatha-at-Patna

  • बियफे का भोर मे उगत आदित्य के अर्घ देके चार दिन चलेवाला महापर्व छठ के समापन हो गइल.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी के पत्नी छठ मईया से अपना पति के कुर्सी बनवले राखे के मनता मँगली.
  • उत्तर प्रदेश परिवहन आयुक्त के आदेश का बाद राज्य भर में हर वाहन पर चमके वाला टेप लगावल जरुरी बना दिहल गइल बा. एकरा से रात का अन्हार में होखे वाला सड़क हादसा कम होखे के उमेद बा.
  • रोहतास जिला के विक्रमगंज इलाका में टेहटी पुल का लगे नहर मेश डूब के दू जने के मौत के खबर बा.
  • अनुकंपा का आधार पर नौकरी पावे का लालच में आजमगढ़ जिला के जीयनपुर इलाका के मझउआ गाँव में दू गो बेटा मिल के अपना बाप के हत्या क दिहले. मरे वाला लेखपाल रहलन.
  • इलाहाबाद में बुध का दिने भइल विस्फोट के जाॅच में फोरेशसिक टीम लागल बाड़ी सँ. अनेसा जतावल जात बा कि बर्दवान धमाका जइसने कुछ मत होखत होखे एहिजो.
  • वाराणसी में 6 नवम्बर का दिने कार्तिक पूर्णिमा का मौका पर होखे वाला देव दीपावली खातिर शहर के सगरी होटल, गेस्ट आफिस, नाव वगैरह अबहिए से फुल बुक हो गइल बाड़ी सँ. एह दिन प्रधानमंत्री मोदीओ आ सकेंले.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..