टटका खबर : 31 अक्टूबर 2014, शुक
  • उत्तर प्रदेश सरकार के आदेश से अब हर महीना के तिसरका बुध का दिने जिलाधिकारी लोग ‘किसान दिवस’ के आयोजन कराई जवना में किसानन के समस्या सुनल जाई आ ओकर समाधान के रास्ता निकालल बतावल जाई.
  • सपा में आवे ला बेचैन अमर सिंह के राह रोकले आजम खाँ अपना पत्नी के मिलल राज्यसभा टिकट से मना करा दिहले. अमर सिंह के राज्यसभा सांसदी नवंबर में पूरा होखत बा आ उ चाहत रहुवन कि सपा टिकट दे देव बाकिर उनका के टिकट ना दिहलसि सपा.
  • उप्र में भाजपा 50 लाख सदस्य बनावे के मुहिम शुरू कइलसि. नजर अगिला विधानसभा चुनाव पर बा.
  • आजु शुक का दिने इलाहाबाद के महापौर रहल आ फिलिम निर्माता रहल रविभूषण बधावन के सड़क हादसा में निधन हो गइल. हादसा दिल्ली से इलाहाबाद लवटत घरी यमुना एक्सप्रेस पर भइल.
  • बिहार के मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी आजु कहलन कि नीतीश आ उनकर संबंध चोली दामन के संबंध जवन हमेशा रही. काल्हु भाजपा का ओर से कहाइल रहे कि अगर जीतनराम के साँस घुटत बा जदयू में त भाजपा में चलि आवसु जहाँ उनकर स्वागत बा.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..