टटको में टटका खबर : 6 अक्टूबर 2014, सोमार
  • दुर्गापूजा का बाद मूर्ति भसावे का दौरान छपरा पुलिस के गलत बेवहार का चलते छपरा शहर में बवाल हो गइल आ जगहे जगह पुलिस जम के लाठी चलवलसि आ खिसियाइल लोग तोड़फोड़ आ आगजनी कइल.
  • मोतिहारी का घोड़ासहन इलाका के पकही टोला में छापेमारी क के पुलिस एगो गिरोह का अड्डा से ढेरहन दामी मोबाईल फोन समेत करीब 65 लाख के सामना जब्त कइलसि आ एक जने के गिरफतार.
  • अलीगढ मुस्लिम विश्वविद्यालय के कार्यकारी परिषद रजिस्ट्रार शारुख शमशाद के इस्तीफा सकार लिहलसि.
  • देवरिया जिला के बनकटा में मूर्ति भसावन में डीजे बजावे के दोसरा समुदाय के लोग के विरोध का बाद बवाल हो गइल जवना में तीन चार जने घाहिल हो गइले.
  • वाराणसी के कोतवाली इलाका में एगो पेन्ट आ किराना गोदाम में आग लगला से लाखों रुपिया के सामान जर गइल.
  • देवरिया के सदर कोतवाली इलाका में मेला में भइल पति के मौत का बाद उनकर औरत ट्रेन से कटा के जान दे दिहलसि.
  • जदयू अध्यक्ष शरद यादव के कहना बा कि स्वच्छता अभियान चला के पीएम मोदी लोग के धेयान भटकावल चाहत बाड़न आ सरकार बेरोजगारन ला कुछ नइखे करत.
  • गोण्डा के मनकापुर इलाका के एगो मन्दिर से मूर्ति चोरा लिहल गइल बा.
  • जदयू के कहना बा कि गांधी मैदान भगदड़ में मराइल लोग के लाश पर भाजपा राजनीति करे में लागल बिया. सरकारी लापरवाही का चलते ओह भगदड़ में तैंतीस लोग मर गइल रहे.
  • विधानमंडल भाजपा दल के नेता सुशील कुमार मोदी पटना भगदड़ के सर्वदलीय जाँच करावे आ गाँधी मैदान के सीसीटीवी फुटेज के सार्वजनिक करे के माँग कइले बाड़न.

टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

0 Comments