टटका खबर, 7 फरवरी 2017, मंगल


चारा घोटाला में सजा पा चुकल आ राजद गोल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव यूपी विधानसभा चुनाव में काल्हु से अपना दामाद के प्रचार क के समाजवादी गोल ला प्रचार करे के शुरुआत करीहें. जान जाईं जे बिहार में लालू के गोल का साथे सरकार चलावा वाला नीतीश कुमार एह चुनाव में कवनो गोल के प्रचार ना करे के एलान कइले बाड़न.

उत्तर प्रदेश के विधानसभा चुनाव शांति से आ बिना पक्षपात के करावा खातिर केन्द्रीय बलन के 846 कंपनी के तैनाती कइल जाई. 11 फरवरी के होखे वाला 73 सीट के चुनाव में एह बल के इस्तेमाल कइल जाई. एही में कुछ कंपनियन के उत्तराखंडो भेजल जोई बाकि बाद में यूपी के तिसरका दौर के चुनाव में उत्तराखंड गइल टुकडियन के वापिस बोला लीहल जाई. एक सौ कंपनी महिला बल के रही. एकरा अलावे यूपी के सशस्त्र पुलिस – पीएसी – आ नागरिक पुलिसो के तैनाती कइल जाई.

मिर्जापुर के शहर कोतवाली इलाका में चुनार जक्शन के लगे समसपुर गांव का सोझा रेल लाइन पार करत एगो आदमी ट्रेन के चपेटा में आ के कटा गइल आ ठाँवे प ओकर मौत हो गइल.

अखिलेश अपना नया संघतिया राहुल संगे 11 फरवरी का दिने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के संसदीय क्षेत्र वाराणसी में आपन चुनावी रोड शो करीहें.

समाजवादी गोल सपा के संरक्षक मुलायम सिंह यादव के छोटकी पतोहु अपर्णा यादव अपना बयान से सगरी सपा के जान साँसत में डाल दिहले बाड़ी. सरोजनीनगर विधानसभा क्षेत्र से उम्मीदवार अपर्णा यादव सोमार का दिने दीहल एगो इंटरव्यू में कह दिहली कि आरक्षण आर्थिक आधार पर होखे के चाहीं जेहसे गरीब सवर्णो के एकर फायजा मिल सके. जाति का आधार पर दीहल जाए वाला आरक्षण खतम होखे के चाहीं.

देवरिया जिला के रामपुर कारखाना इलाका में 38 किलो गांजा बरामद करत दू गो मेहरारुवन के गिरफ्तार क लीहल गइल बा.

मऊ के मोहम्मदाबाद गोहना इलाका के करहा बाजार का नियरा सडक हादसा में मोटरसाइकिल सवार एगो नवही के मौत हो गइल. ओकरा मोटरसाइकिल के एगो ट्रक धक्का मार दिहलसि. हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर फरार हो गइल,

मिर्जापुर के लालगंज इलाका में एगो पिकप मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि जवना से मोटरसाइकिल सवार बांमी गांव के एगो नवही के मौत हो गइल. ऊ वाराणसी में काम करत रहे आ ओहिजे जात रहल.

रोहतास जिला के डेहरी नगर इलाका के पाली रोड प एगो रेडीमेड दुकान में गाहक बनि के आइल बदमाश असलहा देखा के पचास हजार के नकदी आ कपड़ा लूट ले गइले सँ.

सोनभद्र जाला के पिपरी इलाका में भइल हादसा में खाड़पाथर रेणुकूट के रहे वाला एगो होटल मालिक के मौत हो गइल. रनटोला जंगल का लगे सामने से आवत एगो गाड़ी ओकरा मोटरसाइकिल के धक्का मार दिहलसि.

पूर्वी चंपारण जिला के मधुबन इलाका में सोमार का दिने आइल एगो बारात में खुशी में कइल फायरिंग से तीन जने घवाहिल हो गइलें.

सिवान जिला में सोमार का दिने अपराधियन के पौ बारह रहल. बसंतपुर इलाका में भोपतपुर पंचायत के मुखिया रहल मैनेजर पड़ित के धमई नदी प कोड़र पुल के नियरा गोली मार दीहल गइल. रघुनाथपुर इलाका के फुलवरिया गांव में आदमपुर के एगो शिक्षक के गोली मार दीहल गइल. दरौंदा इलाका में आजु मंगल का दिने एम.एच.नगर इलाका के पकड़ी पंचायत के मुखिया आ उनुका चचेरा भाई के गोली मार गीहल गइल. चारो जने के ठाँवे प मौत हो गइल.

0 Comments