टटका बिहार
मुख्य मंत्री जीतन राम माँझी शनिचर का दिने बेतिया में बोलावल तिरहुत प्रमंडल के अधिकारियन का साथे बाढ़ के समीक्षा कइलन आ कहलन कि बाढ़ पीड़ित लोगन के चिकित्सा आ राहत सुविधा मुहैया करावल जाए.
कैंसर विशेषज्ञ डा॰जीतेन्द्र सिंह पटना के महावी कैंसर संस्थान के निदेशक पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न. उनकर कहना बा कि अब उ देश भर में चलावल जात कैंसर जागरुकता अभियान में शामिल होखीहें.
टटका यूपी
एगो बदनाम आतंकवादी इण्डियन मुजाहिदिन एजाज शेख के सहारनपुर में शुक का रात गिरफ्तार क लिहल गइल. पूणे के रहे वाला एजाज के अनेके आतंकी मामिला में खोजत रहुवे पुलिस.
कौशाम्बी जिला के सिराथू विधानसभा सीट से होखे जात उपचुनाव के एगो उम्मीदवार पिछला सात दिन से नपाता बाड़े. उनुका घर के लोग थाना में सनहा दर्ज करवले बा.
गाजीपुर के जल्लापुर गाँव का लगे लागे वाला तिमुहानी मेला शनिचर का दिन से शुरू हो गइल. कहल जाला कि भगवान श्री राम आ लक्ष्मण जी महर्षि विश्वामित्र संगे एहिजे रात्रि विश्राम कइले रहे.
पिछला चौबीस घंटा का दौरान बलिया समेत कई जगहा बरखा होखे के खबर बा. गोरखपुर में बदरी छपले बा बाकिर बरखा के कवनो खबर नइखे.
टटका भारत
जम्मू कश्मीर में आइल भयंकर बाढ़ में अढाई हजार से अधिका गांव डूबल. नाहियो त सवा सौ लोग के मरे के अनेसा. पुलवामा में बाढ़ में दहा गइल सेना के नौ गो में से सात गो जवान बचा लिहल गइले. केन्द्र सरकार हर संभव सहायता करे के भरोसा दिहलसि. शनिचर का दिने केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह बाढ़ के हवाई निरीक्षण कइलन. अतवार का दिने प्रधानमंत्री के दौरा होखे के खबर बा.
भारी बरखा आ बाढ़ का चलत माता वैष्णो देवी यात्रा तिसरको दिने रुकल रहल. हालात सुधरला का बादे यात्रा शुरू हो पाई.
पंजाब आ ओडिशो में भारी बरखा आ नुकसान होखे के खबर बा. ओडिशा के मछुआरन के समुद्र में जाए से मना क दिहल बा.
दिल्ली में सरकार बनावे के आखिरी कोशिश का रूप में उपराज्यपाल चाहत बाड़न कि सबले बड़का दल के सरकार बनावे के मौका दिहल जाव आ उ विधानसभा में आपन बहुमत साबित करे. बाकिर आ आपा अउर कांग्रेस के कहना बा कि मौजूदा हालात में भाजपा कबहियो बहुमत ना देखा पाई. कांग्रेस भुला जात बिया कि खुद ओकरो सरकार अल्पमत में रहला का बावजूद चलल बा. आ आपा नेता केजरीवाल शनिचर का दिने राष्ट्रपति से भेंट क के कहलन कि भाजपा के दिल्ली में सरकार बनावे के बोलहटा मत दिहल जाव.
छत्तीसगढ़ मे नक्सली हमला का समय अपना साथियन के छोड़ के भाग पराए वाला चार गो जूनियर अधिकारियन समेत सत्रह गो जवानन के सीआरपीएफ निलंबित क दिहले बावे. सुकना जिला में 11 मार्च के भइल एह घटना में सोलह लोग मराइल रहे आ ई कायर लोग अपना साथियन के छोड़ के भाग गइल रहे.
सेना के लेफ्टीनेंट जनरल रहल पी॰ के॰ रथ के कोर्ट मार्शल रद्द करे का फैसला का खिलाफ केंद्रीय मंत्री आ सेना प्रमुख रहल वी॰के॰ सिंह के कहना बा कि सरकार के एह फैसला का खिलाफ अपील करे के चाहीं ना त भठियारन के हिम्मत बढ़े लागी.
गैंडा के शिकार हर हाल में रोके के सलाह केन्द्रीय पर्यावरण आ वनमंत्री प्रकाश जावडेकर असम सरकार के दिहले बाड़न. केन्द्र अब गैंडा संंरक्षण में लागल लोग के मदद कइल करी.
टटका खेल
अमरीकी ओपन टेनिस टूर्नामेंट के महिला सिंगल्स फाइनल में अमरीका के सेरेना विलियम्स के मुकाबला डेनमार्क के कैरोलीना वोज्नियाकी से अतवार का दिने होखी. एह बीच राष्ट्रपति प्रणब मुखर्जी अमरीकी ओपन के मिक्स्ड डबल्स खिताब जीतला पर ने सानिया मिर्जा के बधाई दिहले बाड़न.
0 Comments